बिहार आ यूपी के खबर –
- इलाहाबाद, अजमेर, आ विशाखापत्तनम के स्मार्ट सिटी बनावे में अमेरिका सहयोग करी.
- गोरखपुर का नियरा नन्दा नगर क्रासिंग का लगे कृषक एक्सप्रेस आ बरौनी एक्सप्रेस के टक्कर में नाहियो त बीस जने घवाहिल. केहू के मरे के खबर अबहीं नइखे आइल.
- सासाराम के मां ताराचंडी मंदिर परिसर में भइल बवाल के मामिला में पुलिस छह जने के गिरफतार कइलसि. पाँच सौ अनाम लोग का खिलाफ मामला दर्ज.
- देश में सेकूलरिज्म बचवले राखे का नाम पर कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी 23 नवम्बर का दिने पटना में गांधी मैदान से राजभवन ले पार्टी कार्यर्कतन का साथे मार्च करीहें. देखल जाव कि पहुॅचत बाड़न कि ना.
- आजु अधरतिया से पेट्रोल के दाम में 65 पइसा के कमी. डीजल के दाम का बारे में फैसला पीएम मोदी के लवटला का बाद कइल जाई.
- सासाराम के ताराचंडी में होखत एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम में बवाल. पवन सिंह आ बिहार के संस्कृति मंत्री विनय बिहारी का मौजूदगी में बवाल भइल. पुलिस के लाठी चार्ज का बाद माहौल अउर बिगड़ गइल.विनय बिहारी के कार आ एगो अउर गाड़ी में लोग आग लगा दिहल आ विनय बिहारी समेत कई लोग घवाहिल हो गइल बा. विनय बिहारी एह घटना के साजिश बतवलन.
- जेल में बन्द कुछ लोगन के जेले से प्रार्थना पत्र मँगवा के ओह लोग के जमानत दे दिहला के खिलाफ जौनपुर के वकील जिला के मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट का काम का खिलाफ अदालत के बायकाट कइलन.
- सारण जिले में तीन महीना पहिले एगो सोनार से लूटल लाखो रुपिया के गहना में से दस लाख के गहना पुलिस बरामद कर लिहलसि आ चार गो अपराधियन के गिरफ्तारो कर लिहलसि.
- वाराणसी में बोलत शिव सेना प्रधान महासचिव आ प्रवक्ता अरुण पाठक कहलन कि महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के घमण्ड टूट जाई.
- उत्तर प्रदेश में बिजली संकट खातिर केन्द्र आ राज्य सरकार का बीच तूतू मैं मैं का बावजूद जनता के कवनो राहत नइखे मिलत. बिजली के संकट बहुते कष्ट देबे लागल बा.
- एनडी तिवारी के कोर्ट से साबित बेटा रोहित शेखर के समाजवादी पार्टी में शामिल होखे के बात चरचा में.
- चंदौली जिला के मुगलसराय इलाका में काल्हु एगो नवही के गोली मार के मार दिहले बदमाश.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में.
टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..
0 Comments