खबर भोजपुरी में (बुध, 19 नवंबर 2014)

by | Nov 20, 2014 | 0 comments

 फिजी का राष्ट्रीय विश्वविद्यालय में फिजी के सामाजिक कार्यकर्ता लोगन से बतियावत भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.


फिजी का राष्ट्रीय विश्वविद्यालय में फिजी के सामाजिक कार्यकर्ता लोगन से बतियावत भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

  • केन्द्र सरकार साफ कह दिहलसि के लोकसेवा आयोग के परीक्षा खातिर उमिर घटावे के कवनो प्रस्ताव पर विचार नइखे होखत. ई बात तब साफ करे के पड़ल जब हवा उड़े लागल कि भाजपा सरकार यूपीए सरकार के उमिर घटावे के फैसला मान ली. पिछला मनमोहन सरकार अधिकतम उमिर में चार साल के कटौती करे के बात कहले रहुवे.
  • वाराणसी के जगतपुर डिग्री काॅलेज में चलत सेना बहाली मेला में बुध का दिने चंदौली के चहनिया गाँव के अभिषेक यादव के गिरफ्तार क लिहल गइल. ओकरा पर आरोप बा कि उ असफल प्रतिभागियन के बहाली करावे का नाम पर दलाली करत रहुवे. अभिषेक का संगे दू गो अउर दलाल रहले सँ जवन मौका देखते भाग परइले सँ. बुध का दिने मऊ के नवहियन के बहाली होखे के दिन रहे आ एगो नवही नशा के इंजेक्शन लगा के दउड़त धरा गइल.
  • बेर बेर अपना बकवास से चरचा में आ जाए वाला बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी अब देश के पीएम बने के सपना देखे लागल बाड़न. बुध का दिने बिहार से केन्द्र में मंत्री बनल सात जने के धमकावत कहलन कि अगर बिहार के मिले वाला धन में कवनो तरह के कटौती भइल त ओह लोग के बिहार में घुसे ना दीहें.
  • आईसीएसई अपना परीक्षा के दिन घोषित क दिहलसि. एह बोर्ड के परीक्षा 27 फरवरी से शुरू होखी. आईएससी के परीक्षा 18 फरवरी से शुरु होखी.
  • विदेश यात्रा के अपना आखिरी पड़ाव पर फिजी चहुँपल पीएम नरेन्द्र मोदी फिजी के करीब 500 करोड़ रुपिया के सहायता देबे के आ फिजी में रहे वाला भारतीयन के भारत उतरते वीजा देबे के एलान कइलन. कहलन कि फिजी के चाहीं कि बालीवुड के नेवतसि शूटिंग करे ला जवना से पर्यटन के बढ़ावा मिली.
  • छपरा में उत्तर बिहार क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक के बिशनपुर शाखा से नौ लाख रुपिया बैंक में सेन्ह मार के चोरा लिहल गइल. कैश बाक्स काटे खातिर गैस कटर के इस्तेमाल कइलन स चोर.
  • इलाहाबाद में चलत अखिल भारतीय इंदिरा मैराथन में बुध का दिने गाजीपुर आ भदोही के दबदबा देखे के मिलल. गाजीपुर के लालजी यादव पहिला जगहा रहलन जबकि महिला वर्ग में महाराष्ट्र के ज्योति शंकर गवते विजेता बनली. पिछलो साल के विजेता रहली ज्योति.
  • बुध का साँझ भटौली घाट पर भोजपुरी फिलिम के शूटिंग का दौरान रवि किशन घवाहिल हो गइलन जवना का बाद शूटिंग रोक देबे के पड़ल. मिर्जापुर के कछवां में ‘पंडित जी बताईं बियाह कहिया होई’ के शूटिंग का दौरान रविकिशन के गोड़ मुचुक गइल जवना का बाद उनुका के वाराणसी ले जाइल गइल.
  • गाजीपुर के कन्हैया रेलवे में शटिग पायलट का पद पर काम करत रहलें. बुध का भोर में ट्रेन में इंजन लगा के पैदल लवटत घरी ऊ एगो मालगाड़ी के चपेटा में आ गइलन आ ओहिजे उनकर मौत हो गइल.
  • बक्सर में बियफे का दिन से नौ दिन ले चले वाला श्रीसीताराम विवाह महोत्सव शुरु होखे वाला बा जवना में बहुते बड़ साधु महात्मा शामिल होखीहें.
  • बलिया के निकासीपुर के रहे वाला सिपाही त्रिभुवन सिंह जौनपुर में तैनात रहलन. बुध का भोर में शिवपुर टीसन पर चलत रेलगाड़ी पर चढ़े का फेर में नीचे गिरला से ऊ ट्रेन से कटा गइलन. वरुणा एक्सप्रेस के टीसन पर ठहराव ना रहुवे बाकिर धीरे जात ट्रेन देख के चढ़े का फेर में हादसा हो गइल.
  • संघ के सरकार्यवाह भैयाजी जोशी के यूपी प्रवास 25 नवंबर से पाँच दिन के होखी. बुध का दिने अयोध्या के कारसेवकपुरम में चलत संघ के तीन दिन के चिंतन शिविर में ई तय कइल गइल. चिंतन शिविर बुध का दिने पूरा हो गइल.
  • भारत के महिला क्रिकेट टीम बुध का दिने दक्खिन अफ्रीका के एक पारी आ चौंतीस रन से हरा दिहलसि. दुनू देश के टीम का बीच इहे एगो टेस्ट मैच होखे वाला रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up