खबर भोजपुरी में (अतवार, 7 दिसंबर 2014)

by | Dec 7, 2014 | 0 comments

(शनिचर 6 दिसंबर के खबर)
BRAmbedkar-NirwanDiwas

  • शनिचर 6 दिसम्बर का दिने बाबा साहब अंबेडकर के 59वाँ ‘महापरिनिर्वाण दिवस’ पर राष्ट्रपति प्रणब मुख्रर्जी, प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी, उप राष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी, खाद्य मंत्री राम विलास पासवान वगैरह खासमखास लोग श्रद्धांजलि दिहल.
  • बिहार के सगरी गाँवन में एक एक गो सफाई कर्मी बहाल करी बिहार सरकार. साथही टोला सेवक लोग के सेवा अब साठ बरीस के उमिर ले लिहल जाई आ ओह लोग के दस हजार रुपिया महीना दिहल जाई. मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी एह बात के एलान शनिचर का दिने पटना में बोलावल महादलित सम्मेलन में कइलन. इहो कहलन कि दू करोड़ लगा के पटना में अम्बेदकर फाउंडेशन के स्थापना कइल जाई.
  • बाबरी मस्जिद ढहावे वाला दिन के बरखी पर आजु अयोध्या शान्त रहल आ एहिजा के लोग रोज का तरह सामान्य रूप से रहल. कहीं कवनो तरह के बवाल ना भइल ना हर साल का तरह एह दिन मनावल जाएवाला शौर्य दिवस भा काला दिन मनावल गइल. हर कार्यक्रम के प्रशासन का तरफ से विडियोग्राफी करावल गइल आ बाहर से अयोध्या आए वालन पर कड़ा नजर राखल गइल.
  • भुवनेश्वर में होखत चैम्पियंस ट्रॉफी (हॉकी) -2014 के मैच में शनिचर का दिने चार गो मैच भइल जवना में जर्मनी 1 गोल से भारत के हरा दिहलसि. भारत का तरफ से कवनो गोल ना हो पावल. नीदरलैंड्स के टीम अर्जेटीना के 3 गोल से हरा दिहलसि. नीदरलैंड्स आठ बार चैम्पियन रह चुकल बा. बेल्जियम के टीम पाकिस्तान के 2 गोल क के 1 गोल से हरा दिहलसि. पाकिस्तान का तरफ से 1 गोल आ बेल्जियम का तरफ से दू गो गोल कइल गइल. एही प्रतियोगिता के एगो अउर मैच में इंग्लैंड 13 बार के चैम्पियन आस्ट्रेलिया के 3 बनाम 1 गोल से हरा दिहलसि. आजु कुल्ह चार गो मैच भइल.
  • शुक का दिने जम्मू कश्मीर में भइल आतंकी हमलन के प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी लोकतंत्र पर हमला बतवलन आ देश खातिर जान देबे वाला बहादुर सैनिकन के आपन श्रद्धांजलि दिहलन. मोदी आजु झारखण्ड में चुनाव सभा करे आइल रहलन. कहलन कि लोग बाँटेवालन के छोड़ के विकास के राजनीति चुनस जेहसे कि राज्य के विकास हो सके.
  • झारखण्ड में चुनाव सभा करे आइल कांग्रेस उपाध्‍यक्ष राहुल गांधी जम्‍मू कश्‍मीर में आतंकवादी हमला में मारल गइल लोग के परिजन का प्रति आपन संवेदना जतवलन आ कहलन कि आतंकवाद से निपटे के हर कोशिश का संगे कांग्रेस बिया.
  • आतंकवादी हमला से जम्मू कश्मीर के चुनाव पर कवनो तरह के असर ना लउकल आ चुनाव प्रचार अपना स्वाभाविक रूप से शनिचरो का दिने होत रहल. भाजपा का तरफ से कहल गइल बा कि पीएम मोदी के सोमार का दिने श्रीनगर में होखे वाला रैली पुरनके योजना से होखी आ एहमें कवनो बदलाव ना कइल जाई.
  • लोकसभा अध्‍यक्ष सुमित्रा महाजन आजु इंदौर में पुस्तक मेला के उद्घाटन करत कहली कि केन्‍द्रीय मंत्री साध्‍वी निरंजन ज्‍योति के भाषण पर प्रधानमंत्री के बयान आ ज्‍योति के माफी माँग लिहला का बाद एह मुद्दा के खतम मान लेबे के चाहीं आ सदन के नियम से काम करे दिहल चाहीं. कहली कि ज्योति से पहिलहूं कई बेर कई लोग बदजुबानी कइले बा आ माफियो नइखे मँगले.
  • महाराष्‍ट्र में मंत्रियन के विभागन के एलान शनिचर का दिने क दिहल गइल. मुख्‍यमंत्री देवेन्‍द्र फडनवीस अपना लगे गृह, शहरी विकास आ प्रशासन राखत उद्योग, सड़क विकास, परिवहन आ जल संसाधन प्रबंधन समेत कई गो प्रमुख मंत्रालय शिवसेना के दिहले बाड़न.
  • केन्द्र सरकार शिलांग होत गुवाहाटी से ढाका ले नियमित बस सेवा शुरू करे के फैसला कइले बिया. एकर तकनीकि परीक्षण दस आ एगारह दिसंबर के करावल जाई आ ओकरा बाद रुट फाइनल क लिहल जाई. अबहीं कोलकाता आ अगरतला से ढाका खातिर बस चलल करेले.
  • जालंधर में अतवार 7 दिसंबर से होखे जात कबड्डी विश्व कप में 14 देशन के कुल 19 गो टीम हिस्सा लीहें सँ. पाकिस्तानी टीम के शामिल होखे के विरोध होखत बा काहे कि पाकिस्तान अपना बेजा हरकत से बाज नइखे आवत.
  • फुटबाल के सुपर लीग के मैच में आजु पुणे में भइल मैच में दिल्ली डायनामोज एफसी पुणे सिटी के 1 गोल से हरा दिहलसि. पुणे सिटी कवनो गोल ना कर पवलस.
  • भदोही जिला के गोपीगंज थाना के जगन्नाथपुर गांव में शादी के बाद ससुराल आइल कनिया दिशा मैदान का बहाने गहना समेत भाग निकलल. ओकरा ससुरारी के लोग एह बारे में थाना में केस लिखववले बा.
  • बूढ़ हो चुकल अभिनेता दिलीप कुमार के सर्दी जुकाम का चलते तबियत खराब भइला पर शनिचर का दिने लीलावती अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up