(शुक, 13 फरवरी के खबर)
Music TatkaKhabar-13-FEb-2015
- ई महज संजोगे रहल कि 13 फरवरी का दिने टटका खबर आपन आडियो सुनवावे के फैसला कइलसि आ हर साल एह दिन के विश्व रेडियो दिवस का रूप में मनावल जाला. भोजपुरी पढ़े में नवहियन के होखे वाला दिक्कत देखत एकर आडियो जारी करे के शुरुआत कइल गइल बा. भोजपुरिया लोगन से निहोरा बा कि एह बात के अधिका से अधिका लोग के जानकारी देसु जवना से भोजपुरी भाषियन में टटका खबर के लोकप्रियता बढ़ो.
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के कहना बा कि विधानसभा में विश्वासमत से पहिले ऊ इस्तीफा नइखन देबे वाला आ विश्वास मत जीते के पूरा भरोसा बा उनुका. एह बीच जदयू के कहना बा कि विधानसभा में ऊ विपक्ष में बइठे के तय कइले बिया आ अध्यक्ष के एकर व्यवस्था करावे के कहल गइल बा. भाजपा नेता सुशील मोदी के कहना बा कि नीतीश कुमार उनुका विधायकन के तूड़े खातिर दू दू करोड़ रुपिया देबे के प्रस्ताव देत बाड़न. एह बीच राजद नेता पप्पू यादव के कहना बा कि जीतन राम माँझी आजु देश के सबले बड़का दलित नेता बन गइल बाड़न आ उनकर जगहा अम्बेदकर आ कांशीराम का बाद सबले उपर बा. पप्पू यादव के कहना बा कि नीतीश बहकावा में आ के एगो दलित के ताड़त बाड़न.
- यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव अधिकारियन से कहल कि जनता से सीधा संवाद बनावे ला गाँवन में जाए के आदत डाले लोग आ पूरा मन लगा के जनता के सेवा करे लोग. काहे कि अगर जनता के काम ओकरा गाँवे मे हो जाव त ओकरा लखनऊ के फेरा लगावे के जरूरते ना पड़ी.
- वैलेंटाइन डे का दिने आआपार्टी के संयोजक अरविन्द केजरीवाल दिल्ली के मुख्यमंत्री पद के किरया लीहें बाकिर शुक का दिने उनकर तबियत बहुते खराब हो गइल बा. डाक्टर लोग के कहना बा कि उनका वायरल बुखार हो गइल बा आ उनुका आराम के बहुते जरूरत बा. ठीक एक साल पहिले एही दिने केजरीवाल दिल्ली के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे के लोकसभा चुनाव लड़े दउड़ल रहलें. अबकी सत्तर में से सड़सठ सीट जीत के आआपा का लगे बेहिसाब बहुमत मिल गइल बा बाकिर तबहियो आम आदमी का बीच में एह बात के चरचा होखे लागल बा कि अबकी कवन बहाना बनइहें जब जनता से कइल वादा पूरा ना कर पइहें केजरीवाल. दिल्ली में आआपा के अरविंद केजरीवाल के नेतृत्व में नयका सरकार के किरिया धराई जलसा के सगरी तइयारी पूरा हो गइल बा. केजरीवाल रामलीला मैदान में किरिया लीहें. उनका साथे मनीष सिसोदिया के उपमुख्यमंत्री पद के आ चार गो अउरी मंत्रियन के किरिया धरावल जाई. बाकिर अबकी पिछला बेर मंत्री रहल राखी बिडलान, सौरभ भारद्वाज, सोमनाथ भारती, आ गिरीश सोनी के मंत्री नइखे बनावल जात.
- बेंगलूरू से एर्नाकुलम ओरि जात एक्सप्रेस ट्रेन के नौ गो डिब्बा पटरी से उतर गइला का चलते नौ गो सवारियन के मौत हो गइल आ डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. हादसा के खबर मिलते अगल बगल से संघ के स्वयंसेवक ओहिजा चहुँप गइले आ लोग के सहायता करे में जुट गइलें. रेल मंत्री सुरेश प्रभु एह हादसा में मराइल लोग ला शोक जतवलन आ सभका परिवार के दू दू लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान कइलन. बहुते घवाहिल लोग के पचास पचास हजार आ कम घवाहिल लोग के बीस बीस हजार मुआवजा दिहल जाई.
- पश्चिम बंगाल के बनगांव लोकसभा सीट पर आजु भइल उपचुनाव बिना कवनो बवाल पूरा हो गइल. करीब 80 फीसदी लोग वोट डालल. कहीं से केहू फेर से वोट करावे के मांगो नइखे कइले. ई सीट तृणमूल सांसद कपिल कृष्ण ठाकुर के निधन का चलते खाली भइल बा.
- उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल आ बसपा के सुप्रीमो मायावती के कहना बा कि भाजपा बिहार में राष्ट्रपति शासन लगावे के साजिश करत बिया जेहसे अगिला विधानसभा चुनाव में फायदा उठा सके.
- बिहार में 20 फरवरी के होखे वाला ताकत आजमाइश से पहिले जीतन राम माँझी दल के मुख्य सचेतक अपना एगो विश्वास पात्र विधायक राजीव रंजन के बना दिहले बाड़न. पिछला सचेतक श्रवण कुमार के कहना बा कि ऊ अपना पद पर अबहियों बरकरार बाड़न. विश्वास मत में सचेतक के काम बहुते महत्व वाला होला.
- दंगा पीडितन खातिर बटोरल चंदा अपना निजी इस्तेमाल में खरच करे के आरोपी तीस्ता सीतलवाद के गिरफ्तारी पर रोक सुप्रीम कोर्ट 19 फरवरी ले बढ़ा दिहलसि. तीस्ता के वकील रहलन कपिल सिब्बल.
- पाकिस्तान के पेशावर में एगो शिया मस्जिद पर भइल आतंकी हमला से नाहियो त डेढ़ दर्जन लोग के जान चल गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल.
- बियफे का दिने देवरिया सदर कोतवाली में एगो वकील संगे पुलिस वालन के मारपीट का बादे से वकील लोग अदालत के काम बन्द क दिहले बा आ आजु दुसरको दिने ओह लोग के विरोध जारी रहल.
- प्रधानमंत्री ग्रामीण सड़क योजना के दिशा निर्देश में केन्द्र सरकार बदलाव कइले बिया आ सांसद लोग के गोद लिहल गाँवन के सबले पहिले सड़क से जोड़े के काम कइल जाई. दोसरा गाँवन के नंबर बाद में आई.
- दरभंगा चिकित्सा महाविद्यालय के डाक्टर लोग हड़ताल पर चल गइल बा जवना चलते मरीजन के फजीहत हो रहल बा. शुक का दिने अस्पताल अधीक्षक संगे बातचीत का बादो कवनो नतीजा नइखे निकलल.
- केरल में चलत 35वां राष्ट्रीय खेल के आखिरी दिने सेना 91 गो स्वर्ण, 32 गो रजत आ 35 गो कांस्य पदक जीत के पदक तालिका में सबले ऊपर बिया आ केरल दुसरका जगहा पर काबिज बावे.
- ऑस्ट्रेलिया में होखे जात क्रिकेट विश्वकप में शामिल सगरी सार्क देशन के टीम ला पीएम मोदी शुभकामना कइले बाड़न. एह मौका पर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु पाकिस्तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ, अफगानिस्तान के राष्ट्रपति अशरफ गनी, बंगलादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना आ श्रीलंका के राष्ट्रपति मैत्रीपाला सिरिसेना से फोन पर बतियवलन. कहलन कि क्रिकेट के खेल सार्क देशन के लोग के एक दोसरा से जोड़ेला.
- शेयर बाजार में एह हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिने शुक के बढ़त के सिलसिला लगातार चउथो दिने जारी रहल आ सेंसेक्स में 290 अंक अउर निफ्टी में 94 अंक के बढ़ोतरी दर्ज भइल.
0 Comments