भोजपुरी पट्टी के खबर (मंगल, 10 मार्च 2015)

by | Mar 10, 2015 | 0 comments

(सोमार, 9 मार्च के खबर)

आरा न्यूज

  • भोजपुर जिला के कश्यपनगर पुलिस लाइन मुहल्ला में सोमार का दिने पानी में डूबला का चलते पैंसठ बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • गायक अभिनेता पवन सिंह के पत्नी नीलम के खुदकुशी करे के कारण के कवनो थाह नइखे लागल अबले. केहू कुछ बतावे के तइयार नइखे. पुलिस नीलम के बाबूजी, माई आ भसुर से पूछताछ क के लाश उनका नइहर वालन के सँउप दिहलसि बाकिर उहो कुछ बतावत नइखे एह बारे में.
  • अपना बिहार बंद का दिने बिहार सांख्यिकी स्वयं सेवक संघ के सदस्य जगहे जगह बवाल कटले आ रेल अउर सड़क के जाम क दिहले.
  • जीतनराम माँझी के लिहल फैसला बदले से नाराज माले के लोग रोहतास जिला के बिक्रमगंज के तेन्दुनी चौक पर नीतीश कुमार के पुतला जरावल.
  • होली का दिने एगो नाबालिग लईकी के उठा के ओकरा संगे कई बेर कुकर्म करे के आरोपी अभियुक्त के जेल भेज दिहल गइल बा.
  • आपन 31 माँग के समर्थन में सोमार का दिने सासाराम में भारतीय जन कल्याण पार्टी के जिला इकाई का ओर से समाहरणालय गेट पर धरना शुरू भइल बा. ई लोग चाहत बा कि बेलवई, महादेवा, कदवन, तुतला भवानी जलाशय परियोजना के पूरा करावे खातिर पर्याप्त धन दिहल जाव.
  • केंद्र सरकार के बीमा विधेयक नीति का विरोध में एलआईसी के कर्मचारी सोमार का दिने कई जगहा हड़ताल पर रहले.
  • बक्सर जिला के कोरानसराय बाजार का स्टेट बैंक शाखा से सोमार का दिने एगो मोटरसाईकिल चोरा लिहल गइल.
  • बक्सर के इटाढ़ी बाजार में सोमार का दिने एगो आदमी का घर में लागल आग से सब कुछ जर के बरबाद हो गइल. ओह घरी घर के लोग बक्सर गइल रहुवे.
  • पर्यटन विभाग के टीम सोमार का दिने कैमूर के बहुते पुरान माता मुंडेश्वरी धाम में रोपवे बनावे खातिर जगहा के जायजा लिहलसि.

सारण न्यूज

  • मढ़ौरा बाजार में एगो किराना व्यवसायी के लूटे खातिर दू गो मोटर साईकिल से आइल तीन गो बदमाश गोली मार के घवाहिल क दिहले बाकिर लूट ना पवले.
  • छपरा के जयप्रकाश महिला कालेज अपना काॅलेज के छात्रा सभ के छात्रवृति के जवन चेक दिहले बावे तवना पर काटकूट कइला का चलते बैंक मानत नइखे. काटकूट प्रशासने का तरफ से कइल गइल बा. नयका नियम में काटकूट कइल चेक नइखे लिहल जात आ नया चेक देबे के चाहत रहुवे.
  • होली का दिने अपना ड्यूटी से नदारद सात गो दारोगा समेत 21 गो पुलिस जवानन के निलंबन करे का बाद विभाग में हड़कम्प मचल बा.
  • सिवान जिला के दारौंदा इलाका के रंगड़गंज में एगो निजी चिकित्सालय में कुछ लोग अतवार का रात अकारण हमला क के तोड़फोड़ मचा दिहल.
  • सिवान जिला के तरवारा के गौर बुजुर्ग में एगो आदमी के छूरा घोंप घोंप के हत्या क दिहल गइल. ओकर लाश सबेर में मिलल. हत्या के कारण पता नइखे चलल.
  • गोपालगंज के महम्मदपुर इलाका के अंजू पेट्रोल पंप का नियरा दू गो मोटरसाइकिलन के आपसी टक्कर में एगो नवही के मौथ हो गइल. ऊ तरैया इलाका के डुमरी छपिया गांव के रहुवन.
  • घरेलू कलह से आजिज होके गोपालगंज जिला के दुदही गांव में सोमार का दिने एगो मजदूर जहर खा के जान दे दिहलसि.

चंपारन न्यूज

  • मोतिहारी नगर पुलिस छापा मार के एगो गिरोह के सरगना समेत चार गो बाइक चोरन के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकनी का लगे से चोरावल मोटरसाइकिलो बरामद भइल बा.
  • पीपराकोठी इलाका में हरपुर ओवरब्रिज का लगे सोमार का दिने एगो सड़क हादसा में बलथरवा गाँव के एगो बूढ़ आदमी के मौत इलाज का दौरान मोतिहारी अस्पताल में हो गइल.
  • बेतिया टीसन के निरीक्षण करे पूर्व मध्य रेलवे के महाप्रबंधक एके मित्तल 16 मार्च के आवे वाला बाड़न. एह चलते टीसन के साफ सफाई आ कागज पत्तर दुरुस्त करे में लागल बाड़े रेल कर्मचारी.

बलिया न्यूज

  • घाघरा नदी के पानी अचानके बढ़ल शुरु हो गइला का चलते सिकंदरपुर दियरा के किसान साँसत में पड़ गइल बाड़े. ढाही लगला का चलते नाहियो त तीन बीघा खेत नदी का पेटा में समा चुकल बा.
  • फेफना इलाका के एगो गाँव से अतवार का रात बारह बरीस के एगो लड़िकी से कुकर्म कर के ओकरा के बेहोशी हालत में गाँव का बहरी फेंक दिहल गइल बा. मामला दर्ज भइला का बाद आरोपी के गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस.
  • गाजीपुर जिला के शहर कोतवाली इलाका में एगो औरत सोमार का रात फाँसी लगा लिहलसि.
  • मऊ जिला के हलधरपुर इलाका के एगो स्कूल के शिक्षिका साथे बलात्कार आ ओकर हत्या का मामिला में पुलिस स्कूल के प्रबंधक के गिरफ्तार कर लिहले बिया. प्रबंधक के कहना बा कि ओकर संबंध ओह शिक्षिका संगे जरूर रहल बाकिर ओकरा हत्या में ओकर कवनो हाथ नइखे. हालांकि पुलिस एह मामिला के खुदकुशी साबित करे में लागल बिया.

गोरखपुर न्यूज

  • गोरखपुर के मुहल्ला धमाल मेंं सोमार का दिने मदार साहब के उर्स-ए-पाक उनका दरगाह पर मनावल गइल.
  • पूर्वाचल राज्य बनावे के मांग करत पूर्वाचल राज्य बनाओ दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष डा.सुधाकर पांडेय के नेतृत्व में गोरखपुर जिलाधिकारी कार्यालय पर धरना दिहल गइल.
  • भ्रूण के लिंग परीक्षण करे का आरोप में राघोपुर के एगो डाइग्नोस्टिक सेंटर के संचालक के सोमार का दिने पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि आ जेल भेज दिहलसि.
  • गोरखपुर के बुद्ध विहार में रहे वाला दू गो वाणिज्य कर अधिकारियन के घर के ताला तूड़ के अतवार रात चोरी होखे के पता सोमार का दिने लागल. एह बारे में खोराबार पुलिस में केस लिखावल गइल बा.
  • बड़हलगंज में सोमार का दिने तेजाब फेंक के दू गो औरतन के झउँसा दिहल गइल जवना से पचपन बरीस के एगो मेहरारू के मौत हो गइल आ उनकर पतोहू के इलाज अस्पताल में करावल जात बा. ओकरो हालत नाजुक बतावल जात बा.
  • देवरिया कोतवाली के रनिहवां गांव में अतवार का रात गुड़ बनावे वाली खउलत कड़ाही में गिर के एगो लड़िका के मौत हो गइल.
  • देवरिया के महुई गाँव में एगो घर से अतवार के रात करीब तीन लाख रुपिया के गहना नकदी का साथही चार लाख के सामान चोरा लिहल गइल बा.

वाराणसी न्यूज

  • वाराणसी के लालपुर सब्जी मंडी का एगो फर्नीचर कारखाना में सोमार का दुपहरिया लागल आग से सगरी सामान जर के राख हो गइल. ओह बेरा कारखान में केहू मौजूद ना रहुवे आ कारखाना बंद रहुवे.
  • जौनपुर जिला के महराजगंज में कोल्हुआ के एगो शिक्षक के सुजानगंज का लगे तीन गो बदमाश बेतहाशा पिटाई क दिहलन. तीनो पहिले से घात लगा के उनुका के तिकवत रहले.
  • नौगढ़ इलाका के एगो गाँव में बियाहल मेहरारू संगे कुकर्म करे वाला ओकरा दू गो पड़ोसियन के सोमार का दिने गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि पुलिस.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up