टटका खबर (सोमार, 14 सितंबर 2015)

by | Sep 15, 2015 | 0 comments

UNSC-logo

  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में स्थाई सदस्यता लेबे के कोशिश में लागल भारत के सोमार का दिने बड़हन सफलता मिलल जब संयुक्त राष्ट्र के करीब 200 सदस्य राष्ट्र सुरक्षा परिषद में सुधार के सवाल पर अगिला एक साल ले चरचा करे पर तईयार हो गइले. चीनो एह प्रस्ताव के समर्थन कइले बिया.
  • श्रीलंका के प्रधानमंत्री रानिल विक्रमसिंघे तीन दिन के भारत यात्रा पर सोमार के साँझ नई दिल्‍ली पहुंचले जहां हवाई अड्डा पर वाणिज्य आ उद्योग मंत्री निर्मला सीतारमण उनुकर अवानी कइली. रानिल विक्रमसिंघे काल्हु प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी से मिलिहें आ दुनू देश का बीच प्रतिनिधिमंडल स्तर के बातचीत करीहें. उमेद बा कि दुनू देश साझा सहमति पत्र पर दस्तखत करीहें.
  • समाजवादी पार्टी, राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी आ पीए संगमा के गोल नेशनल पीपल्स पार्टी बिहार विधानसभा चुनाव में मिल के लड़ीहें सँ. एह बात के एलान सोमार का दिने समाजवादी पार्टी के बिहार प्रभारी किरनमई नंदा आ राकांपा के महासचिव तारिक अनवर पटना में संवाददाता सम्मेलन में कहलन कि तिसरका मोर्चा सगरी 243 सीट से चुनाव लड़ी.
  • राजग के टिकट बँटवारा आखिरकार सोमार का दिने हो गइल. एकरा बाद अब भाजपा 160 सीट से, लोक जन शक्ति पार्टी 40 सीट से, राष्‍ट्रीय लोक समता पार्टी 23 सीट से, आ हिअमो 20 सीट से चुनाव लड़ी. बाकिर सुने में आवता कि सार्वजनिक रूप से मुसुकात रामविलास पासवान आ उपेन्द्र कुशवाहा कम सीट मिलला से नाराज बाड़ें बाकिर खुल के नइखन बोलत.
  • ओने महागठबन्हनो में अब लठबन्हन शुरु होखे के समाचार बा. हर पार्टी अपना पसन्द के सीट से लड़ल चाहऽतिया. जदयू के सिटिंगो सीट पर राजद आ कांग्रेस के लोग अपना उमीदवार के लड़ावल चाहऽता.
  • महागठबन्हन में शामिल कांग्रेस, जदयू आ राजद के आरोप बा कि भाजपा आपन मतलब साधे खातिर बिहार में सरकारी मशीनरी के गलत इस्तेमाल करत बिया भाजपा. एह लोग के बड़का शिकायत बा भीड़ का सीदजन में हर साल लेखा एहू साल बिहार खातिर विशेष रेलगाड़ियन के चलावे के एलान कइल.
  • अपना इलाका के भषन के हक मारे वाली हिन्‍दी के आजु हिन्दी दिवस देश भर में सरकारी आयोजन क के मनावल गइल. दिल्ली में बोलावल एगो समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी कहलन कि दुनिया हिन्दी के एगो महत्ववाली भाषा मान लिहले बिया.
  • सार्वजनिक क्षेत्र के विमानन कंपनी एयर इंडिया में फेरू श्रमिक अशांति के माहौल बने लागल बा. कंपनी के पायलटन के एगो यूनियन एह बात पर नाराज बा कि ओकरा के मजदूर वर्ग से काहे बाहर कर दीहल गइल बा.
  • राजनीति में ढेरहन गोल बनला के एगो नतीजा होले कि अनेके गोल तरह तरह के नाम ध लेलें. अइसने एगो गोल हवे भारतीय आम आवाम पार्टी. नाम धरइला का बाद एकरा बुझाइल कि एह नाम के संक्षिप्त रूप बाप हो जाई आ एकरा के राखे के तय कर लिहलसि. अब एह गोल के बोलतुअन के कहना बा कि ऊ लोग सचहू सभकर बाप बन के देखाई
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बिहार में अगिला डेढ़ महीना में बिहार में 12 गो रैली करे वाला बाड़न, माने कि हर चार दिन में एगो रैली. एह काम खातिर एसपीजी के एगो एडवांस टीम बिहार चहुंप गइल बिया आ चुनाव होखे ले बिहारे में बनल रही. एकरा जिम्मे ई देखे के बा कि मीटिंग के दौरान कवनो तरह के गड़बड़ी जिन होखे.
  • चन्दौली जिला के चकिया कोतवाली इलाका के बनरसिया गांव में सोमार का दिने दू गो लड़िका नहात घरी नहर में डूब के मर गइलें.
  • सारण जिला के डोरीगंज में आरा-छपरा का बीच बनत पुल के काम में लागल एगो क्रेन सोमार का दिने टूट के नाव पर गिर गइल जवना से एक आदमी के मौत हो गइल आ कई जने घवाहिल हो गइलें. मरे वालन के गिनिती बढ़े के पूरा अनेसा बा.
  • देश के थोक मूल्य सूचकांक पर बनावल जाए वाला महँगाई दर लगातार दसवां महीना गिरत चल गइल बा. अगस्तो में एकरा में गिरावट दर्ज भइल बा आ ई शून्य से 4.95 फीसदी नीचे रहल बा. ई कमी ईंधन आ दाल के दाम में कमी भइला का चलते कइल गइल बा. खुदरो महँगाई के दर में अगस्त का महीना में कमी आइल आ ई 3.66 फीसदी हो गइल बा.
  • बाम्बे स्टाक एक्सचेंज के सेंसेक्स में सोमार का दिने 246 अंक के आ निफ्टी में 83 अंक के बढ़ोतरी भइल. डालर का मुकाबले रुपिया 21 पईसा मजबूत भइल बा. सोना के दाम पहिलहीं बरोबर रह गइल जबकि चांदी के दाम में हर किलो पर एक सौ रुपिया के कमी आइल बा.
  • कड़की में आटा गील करत रिजर्व बैंक सोमार का दिने सहारा समूह के मिलल गैर-बैंकिंग वित्तीय कंपनी (एनबीएफसी) के पंजीकरण रद्द कर दिहलसि. 3 सितंबर से एह कंपनी के लाईसेंस रद्द मानल जाई.
  • नेपाल के संविधान सभा नेपाल के हिन्‍दू राष्‍ट्र घोषित करे के प्रस्‍ताव के बहुमत से नामंजूर कर दिहलसि आ फेरू तय कर दिहलसि कि नेपाल सेकूलरे देश बनल रही.
  • ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री टोनी एबॉट के आजु उनका पार्टी के आंतरिक चुनाव में हरा के उनकर विरोधी माल्कोम टर्नबुल आस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री बन गइलें.
  • पिछला महीना थाईलैंड के ब्रह्मा मंदिर में भइल विस्फोट का मामिले में मलेशियाई पुलिस एगो पाकिस्तानी समेत तीन जने के हिरासत में ले लिहले बिया. एगो संदिग्ध तुर्की फरार हो गइल रहे. ऊ चीन के नागरिक हवे आ फरार होखे ला ऊ भारत हो के रास्ता चुनलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up