- सिलिकन वैली के सफल यात्रा का बाद न्यूयॉर्क पहुंच के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा से मुलाकात कइलन. एह लोग के ई साल भितरे तिसरका भेंट रहल. एक घंटा के एह मुलाकात में दुनू देश आतंकवाद आ उग्रवाद के मुकाबला करे में आपसी सहयोग अउर बढ़ावे पर सहमत भइले. पीएम मोदी कहलन कि दुनु देश अफगानिस्तान के शांत आ स्थिर भविष्य बनावे में भरपूर मदद करीहें. मोदी अमेरिका के आभार जतवलन कि ऊ सुरक्षा परिषद में भारत के स्थायी सदस्यता के समर्थन दिहलसि.
- अमेरिका यात्रा का दौरान पीएम मोदी ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरून, आ फ्रांस के राष्ट्रपति फ्रांस्वॉ ओलांद का साथहु मुलाकात कइलन. प्रधानमंत्री मोदी इराक में बंधक 39 भारतीयन आ लीबिया में बंधक कुछ भारतीयन के पता लगावे खातिर फलस्तीन के राष्ट्रपति महमूद अब्बास से मदद मँगलन. फलस्तीन भरोसा दिहलसि कि अगर कवनो जानकारी मिलल त जरूरे खबर करी. एह मुलाकातन का बाद पीएम मोदी भारत लवटे ला रवाना हो गइल बाड़न आ आजु साँझ ले नई दिल्ली चहुँप जइहें.
- बिहार विधानसभा चुनाव के दूसरका दौर के परचा जाँचे के काम आजु होखे वाला बा जवना का बाद 1 अक्टूबर ले नाम वापिस लीहल जा सकी.
- रघुनाथपुर के भाजपा प्रत्याशी मनोज कुमार सिंह बेटिकट हो गइल विक्रम कुंवर के चुनौती देले बाड़ें कि साबित क देस कि मनोज भाजपा के टिकट दू करोड़ में खरीदले बाड़न त ऊ राजनीति छोड़ दीहें. कहलन कि विक्रम कुंवर खुदे शहाबुद्दीन के करीबी हउवन आ टिकट कटला का बादो जेल में जा के शहाबुद्दीन से भेंट कइले रहन.
- पटना हाईकोर्ट कहले बिया कि मेडिकल कालेजन में दाखिला खातिर एह साल के खाली पड़ल सीटन के जनरल कोटा से भर दीहल जाव. जान जाईं जे 30 सितंबर ले दाखिला ना भइल त ई सीट खालिए रह जइहें सँ. बतावल जात बा कि एससी/एसटी कोटा के 86 गो सीट बिहार में खाली पड़ल बा काहे कि एह ला जरूरी कम से कम 40 फीसदी नंबर वाला कवनो परीक्षार्थी बचले नइखे. परो साल कुछ सीट खाली रह गइल रही सँ.
- संघ से ‘मिस्टर इंडिया’ होखे के तगमा मिलला का थोड़ही देर बाद मिस्टर इंडिया आपन एगो फोटो जारी क के एस्पेन में होखे के दावा कइलन बाकिर सोशल मीडिया पर ओह दुनू फोटन में लउकत विसंगति देखा के दावा कइल जात बा कि फोटो दोसरा कवनो जगह के हवे. कांग्रेस कवनो सफाई नइखे दे पावत एह बात के. वइसे पार्टी के दावा बा कि जल्दिए राहुल गाँँधी लवटीहें आ बिहार चुनाव में कई एक रैलियन में भाषण दीहें. राहुल गांधी के रैली बिहार में 7, 26 आ 30 अक्तूबर के होखे के एलान भइल बा. एह रैलियन में सोनियो गाँधी के मौजूदगी देखत नीतीश आ लालुओ मौजूद रह सकेलें.
- बिहार के चुनावी दंगल में ताल ठोके खातिर आइल शिवसेना का लगे ओकर तीर धनुष ना रह पाई काहे कि बिहार में ई चुनाव चिह्न झामुमो का लगे बा.
- सारण जिला के दरियापुर इलाका में परसा-शीतलपुर सड़क पर वाहन चेक करत में एगो बोलेरो से 59 लाख रुपिया बरामद भइल जवना के कवनो कागजात गाड़ी वाला का लगे ना रहुवे. दू गो बंदूक आ कारतूसो रहुवे ओह बोलेरो पर. गाड़ी वाला के कहना रहे कि स्टेट बैंक के एटीएम में डाले वाला रुपिया ह बाकिर कवनो कागजात ना रहुवे ओकरा लगे. पुलिस गाड़ी, रुपिया आ असलहा जब्त कर लिहले बिया.
- शिक्षक नियोजन में फर्जीवाड़ा करे के आरोप में मोतिहारी जिला के शिक्षा विभाग के कार्यक्रम पदाधिकारी रंजीत पासवान के अन्वेषण ब्यूरो क के जेल भेज दिहलसि. बतावल जात बा कि माध्यमिक शिक्षकन के बहाली से जुड़ल 1149 फोल्डर उनका लगे बा बाकिर जाँच खातिर मंगला पर महज 667 गो फोल्डर देखवलन आ बाकी फोल्डर देखावे से बहानेबाजी करत रहलन. अनेसा बा कि घोटाला क के फोल्डर गायब करा दिहले बाड़न डीपीओ.
- गाजीपुर जिला में दिलदारनगर टीसन से आगे उसिया हाल्ट का लगे राजधानी एक्सप्रेस हादसा होखत होखत बाच गइल जब समय रहते ड्राइवर ट्रेन के इमरजेन्सी ब्रेक लगा के रोक दिहलन. ट्रेक पर लाइन का नीचे बिछावल जाए वाला स्लीपर राखल रहुवे जवना के आरपीएफ के जवानन के सहायता से हटा के दस मिनट बाद ट्रेन आगे बढ़ल. मामिला के जाँच के आदेश हो गइल बा.
- बलिया में कुछ दिन पहिले भइल कैबिनेट मंत्री नारद राय आ नगरपालिका चेयरमैन रह चुकल लक्ष्मण गुप्ता के बीच नगरपालिका के टेंडर ले के भइल विवाद में समाजवादी पार्टी के जवन फजीहत झेले के पड़ल तवना के खामियाजा अब सपा अपना जिला अध्यक्ष यशपाल सिंह के हटा के कइल चाहत बिया. यशपाल सिंह का जगहा संग्राम सिंह यादव के फेरू जिला अध्यक्ष बना दीहल गइल बा. जिला महासचिव शैलेशो चौधरी इस्तीफा दे दिहले बाड़न.
- हज का दौरान मचल भगदड़ में मरे वाला हिन्दुस्तानियन के गिनिती सोमार का दिन बढ़ के 45 हो गइल. घवाहिल लोगन के मौत होखला से आ मरल लोग के पहचान साबित भइला का बाद ई गिनिती बढ़त बा.
- असम में 200 लोग से भरल नाव बीच नदी में अचके पलट गइल जवना चलते सैकड़ो लोग के मौत होखे के अनेसा हो गइल बा. एह हादसा से मरे वाला लोगन का बारे में अबहीं ले कवनो आधिकारिक आंकड़ा नइखे मिलल.
- देश के राष्ट्रपति रहल डा. एपीजे अब्दुल कलाम के भाई के पोता एपीजे शेख सलीम सोमार का दिने भाजपा में शामिल हो गइलन. तमिलनाडू के रामेश्वरम के रहे वाला सलीम सोशल एक्टिविस्ट हउवन. पार्टी उनकर इस्तेमाल पूरा देश में करे के सोचत बिया.
- मोदी आ शरीफ में कवनो बात त ना भइल बाकिर सोमार का दिने देर रात संयुक्त राष्ट्र शांति रक्षा शिखर सम्मेलन में सोझा पड़ गइला का बाद दुनू जने हाथ हिला के एक दोसरा के अभिवादन क दिहले.
- दिल्ली के कानून मंत्री रहल सोमनाथ भारती आखिरकार मजबूरी में सोमार रात करीब दस बजे द्वारका पुलिस थाना में सरेंडर क दिहलन. पुलिस के डर से भागत फिरल सोमनाथ के कहना रहे कि ऊ भागत ना रहलन आ अपना बचाव खातिर कानूनी राह पर चलत रहलन.
- उत्तर प्रदेश में क्षेत्र आ जिला पंचायत चुनाव के पहिला चरण के अधिसूचना सोमार का दिने जारी होखला का बाद से चुनावी प्रक्रिया शुरु हो गइल बा.
- तालिबान एगो जबर्दस्त हमला का बाद उत्तरी अफगानिस्तान के कुंदूज शहर पर कब्जा कर लिहले बावे. कुंदूज पर तालिबान के कब्जा होखल ओहिजा के सरकारी सेना खातिर बहुते बड़हन धक्का बा.
0 Comments