बिहार विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के बाद सभकर दावा बा जीत के. बाकिर जानकार बतावत बाड़ें कि महागठबन्हन के निराश होखे के पड़ी आ एकरा साथ ही कांग्रेस के एगो बड़हन झटका लागे वाला कि मध्यवर्ग, नवही, उपरका जाति के लोग, आ मेहरारूवन के जमात भाजपा का ओर चल दिहले बा. एह चुनाव में जीते जे बाकिर कांग्रेस के हार होखल तय बा. ओकर सगरी मुद्दा हेरा जाए वाला बा अबकी.
0 Comments