सोनिया आ राहुल के सलमान खान से सिखला के जरूरत

by | Dec 10, 2015 | 0 comments

नेशनल हेराल्ड के हजारन करोड़ के संपति महज पाँच लाख रुपिया लगा के हड़प लेबे वाला सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी के चाहीं कि सलमान खान से सीखो लोग जे आजु तेरह बरीस के मुकदमा झेलत बरी हो गइलन. सलमान खान ना त एकरा ला राजनैतिक भा व्यावसायिक बदला लेबे के आरोप लगवलन ना देश में असहिष्णुता बढ़े के बात कहलन, ना अपना के मुसलमान बता के लोग के रहम जीते के कोशिश कइलन.
सलमान खान अपना वकीलन के बदौलत अदालत से मनवा लिहलन कि फुटपाथ पर सूतल एगो बेकसूर के जान लेबे में उनकर हाथ ना रहुवे. हादसा के सबले बड़ गवाह आ सलमान के बाडीगार्ड रहल रविन्द्र पाटिल के बयान के हाई कोर्ट भरोसा जोग ना मनलसि. जान जाईं कि रविन्द्र पाटिल के बाद में बहुते मुफलिसी में दिन गुजारे के पड़ल आ उनकर मौतो हो गइल. हाई कोर्ट कहलसि कि प्रासिक्यूशन कवनो आरोप साबित ना करा पवलसि. जबकि निचला अदालत सलमान खान के दोषी मान के पाँच साल जेल के सजा सुनवले रहुवे.
बाकिर सोनिया आ राहुल सीधे नंगई पर उतर गइल बा लोग आ अपना सांसदन का साथे देश के संसद के कामकाज रोक दिहले बा लोग. एह लोग के कहना बा कि कवनो अपराध ला सोनिया राहुल पर मुकदमा ना चले के चाहीं. एह लोग के अदालत में हाजिर होखे के बातो कहल कांग्रेसियन खातिर ईशनिंदा से कम नइखे आ ई लोग तब ले देश ना चले दी जबले सोनिया राहुल पर से मुकदमा उठा नइखे लीहल जात.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up