अफगानिस्तान के मज़ारे शरीफ शहर में भारतीय वाणिज्य दूतावास का नियरा का एगो मकान में लुकाइल आतंकियन आ सुरक्षा बल का बीच जम के गोलीबारी चल रहल बा. आतंकी काल्हु रात भारत के वाणिज्य दूतावास में घुसे के कोशिश कइलन स बाकिर असफल रहला का बाद बगल के एगो मकान में घुस के मोर्चा सम्हार लिहले बाड़ें सँ.
बतावल जात बा कि भारत के वाणिज्य दूतावास के सगरी लोग सुरक्षित बावे. अगल बगल के पूरा इलाका सील क दीहल गइल बा.
0 Comments