छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के प्रमुख कॉलेज आ नैको से मान्यता वाला राजेन्द्र कॉलेज में शिक्षकन के 157 स्वीकृत पद पर एह घरी महज 24 गो शिक्षक मौजूद बाड़ें.
एह कॉलेज में इण्टर से पीजी ले आर्ट्स, साइंस आ कॉमर्स में करीब 12 हजार विद्यार्थियन के दाखिला लीहल गइल बा. बहुते विभाग त एके गो शिक्षक का भरोसे चलत बा. जइसे कि गणित आ अंग्रेजी में.
अइसने हालात दोसरो कॉलेजन आ स्नातकोतर विभागन के बा.
राज्य मानवाधिकार आयोग के छपरा नगर प्रतिनिधि एह बारे में सरकार से रिपोर्ट मंगले बाड़न आ आयोग एह मामिले के सुनवाई 4 अप्रैल के करे वाला बा.
0 Comments