बलिया न्यूज, 28 मई 2016

by | May 28, 2016 | 0 comments

गोरखपुर में काल्हु केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति ईरानी, जहाजरानी अउर परिवहन राज्य मंत्री पी. राधाकृष्णन, आ गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्य उज्जवला योजना के शुरूआत करवलें. एह याजना में गरीब परिवारन के बिना कवनो देम लिहले रसोई गैस के कनेक्शन दिहल जा रहल बा. एह मौका पर 25 गो गरीब परिवारन के गैस कनेक्शन बाँटल गइल.
काल्हे अउरिओ जिलन में एह योजना के शुरूआत करावल गइल. कानपुर के सांसद डॉक्टर मुरली मनोहर जोशी, चित्रकूट से भाजपा सांसद भैरो प्रसाद मिश्र, खीरी से सांसद अजय मिश्र टेनी, सुल्तानपुर से सांसद वरूण गांधी, आ जौनपुर जिला के मछली शहर से भाजपा सांसद राम चरित्र निषाद अपना अपना इलाकन में एकर शुरूआत करवलें.

काल्हु आइल आन्ही पानी में कई जगहा भइल हादसन से नाहियो त एक दर्जन लोग के मरला के खबर बा. गोरखपुर, देवरिया, अमेठी, प्रतापगढ़, जौनपुर, भदोही वगैरह जगहन से हादसा के खबर बा. कहीं ठनका गिरल त कहीं गाछ. आ कहीं घरे भहरा के गिर पड़ल.

राज्यपाल राम नाईक काल्हु सपा सरकार के भेजल तीन गो नाम के राज्य विधान परिषद के विधायक मनोनीत करे के मंजूरी दे दिहलन. ई लोग ह डॉक्टर राजपाल कश्यप, अरविन्द सिंह, आ डॉक्टर संजय लाठर.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up