टटका खबर, 22 अप्रैल 2017, शनीचर

by | Apr 22, 2017 | 0 comments

यूपी के नयका डीजीपी सुलखान सिंह के कहना बा कि कानून से खेला करे वाला कवनो आदमी का छोड़ल ना जाई. पुलिस आपन काम बिना कवनो बाधा भा दबाव के करी आ सही काम करे वाला के देरइला के जरुरत ना पड़ी.

मिर्जापुर के अदलहाट इलाका में कई जिलन में वाहन चोरी करे वाला लुटेरा गिरोह के छह गो बदमाशन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.

भदोही जिला के औराई इलाका में वाराणसी-इलाहाबाद रेलखण्ड पर गौरीडीह गांव का नियरा एगो बेफाटक रेलवे क्रासिंग पर एगो कार विभूति एक्सप्रेस ट्रेन से टकरा गइल जवना जलते कार प सवार पांच जने के ठाँवे प मौत हो गइल.

जौनपुर जिला के मड़ियाहूं कोतवाली में कनावा के रहे वाला एगो पत्रकार प ठगी के मुकदमा दर्ज भइल बा. एह पत्रकार प 15 गो नवहियन से सरकारी नौकरी लगवावे का नाम प लाखों रुपिया ले के फर्जी दस्तावेज बनवा के फर्जी बहाली आदेश थमावे के आरोप बा.

गोण्डा के वजीरगंज इलाका में आजु शनीचर का दिने एगो आशिक जोड़ा ट्रेन का आगा कूदके जान दे दिहलसि. दूनू पूरेदाढु गांव के रहले हँ आ घर वालन के विरोध का चलते अपना आशिकी का ताव में जान दे दिहले सँ.

सोनभद्र के दुद्धी इलाका में मिर्जापुर के इमामबाडा के एगो बिआहल नवहिन फाँसी लगा के जान दे दिहलसि, एहिजा अपना ममहर में ऊ इन्टर के इम्तिहान देत रहुवे,

जौनपुर जिले बदलापुर विधानसभा क्षेत्र के कवेली-सिरकिना गाँव में पीली नदी पर नाबार्ड का पइसा से एगो पुल बने जात बा. एकरा ला काल्हु वैदिक मंत्रोच्चार का साथे भूमि पूजन कइलन एहिजा के विघायक. एह पुल के बनावे में करीब सवा तीन करोड रूपिया के खरचा आई.

सिवान जिला के मुफ्फसिल थाना इलाक में सूता फैक्टरी का लगे सीमेंट आ छड़ के कारोबार करे वाला एगो व्यवसायी रविन्द्र यादव के उनुका दुकाने प मोटरसाकिल से आइल दू गो बदमाश गोली मार दिहले, ओहनी के फायरिंग में एगो ट्रक चालको के गोली लागल बा.

सारण जिला के रिविलगंज इलाका में काल्हु शुक का देर राति भाजपा के जिला महामंत्री आ दवा कारोबार करे वाला विनय शर्मा के गोली मार के जान ले लीहल गइल. ओह बेरा ऊ नगरपालिका चौक प के आपन दवा दुकान बंद क के घरे लवटत रहलन जब पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी मुकरेरा गांव का लगे उनुका के गोली मार दिहले, विनय शर्मा रिविलगंज इलाका के पचपकरा गांव के रहलन.

पूर्वी चंपारण जिला के पिपरा पुलिस आजु कई जगहा छापा मारि के चार गो अपराधियन के असलहा का साथे गिरफ्तार क लिहलसि. ई चारो कवनो बड़हन वारदात करे के प्लानिंग करत रहले सँ.

जौनपुर जिला के मीरगंज इलाका में इनार में गिरल बाछा निकाले का दौरान इनार का गैस से तीन जने के मौत हो गइल.

बिहार भाजपा के नेता आ बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी फेरु राजद के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव आ उनुका परिवार प एगो अउरी घोटाला करे के बाति कहत कहले बाड़न कि लालू के परिवार दिल्ली के पॉश इलाका में एगो कंपनी आ ओकर करोड़न के बेनामी संपत्ति अपना नामें करा लिहले बावे।

दिल्ली महिला कांग्रेस के अध्यक्ष पद से इस्तीफा देबे वाली भा कांग्रेस से निकाल बाहर कइल गइल बरखा शुक्ला सिंह भाजपा के सदस्य बनिए गइली आख़िरकार। पहले कहले रहुवी कि गोल का भितरे रही के कांग्रेस के सुधारे के कोशिश करत रहीहें। बाकिर राहुल के दिमागी कमजोरी के बाति कहला का बाद कांग्रेस में रहल सम्भव ना बुझाइल।

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up