Bharat Petrolium has raise the price of petrol from midnight yesterday and other companies will soon follow this step. Last month too the prices were raised. Fortunately the govt has still kept the pricing control on kerosin oil, diesel, and cooking gas and so prices of these items are static.
पेट्रोल के दाम फेर बढ़ावल गइल
काल्हु अधरतिया से देश भर में भारत पेट्रोलियम अपना पंप पर पेट्रोल के दाम सत्तर पइसा प्रति लीटर बढ़ा दिहले बा. बाकीओ कंपनी जल्दीए दाम बढ़इहें सँ काहे कि विश्वबाजार में कच्चा तेल के दाम बढ़ल जात बा. पिछलो महीना पेट्रोल के दाम बढ़ावल गइल रहे.
सरकारी नियन्त्रण में रहला का चलते डीजल, किरासन तेल, आ रसोई गैस के दाम नइखे बढ़ावल गइल. सरकार कंपनियन के खाली पेट्रोले के दाम तय करे के अधिकार दिहले बिया.
0 Comments