२० फरवरी का दिन रंगकर्मियन के संस्था इप्टा के छपरा सम्मेलन आयोजित होखी जवना के बाबा नागार्जुन, शमसेर बहादुर सिंह, आ फैज अहमद फैज के जन्म शताब्दियन के समर्पित कइल जाई. एह सम्मेलन खातिर बनावल गइल स्वागत समिति के संरक्षक सदर एसडीओ विनय कुमार पाण्डेय, मुख्यालय डीएसपी अजय कुमार आ वरिष्ठ रंगकर्मी अमियनाथ छतर्जी के बनावल गइल बा. स्मारिका के मुख्य संपादक डअ॰ वीरेन्द्र नारायण यादव आ संपादक डा॰ वीरेन्द्र कुमार सिंह बीतन रहीहें. प्रबंधन आ प्रशासन प्रो॰ लालबाबू यादव के जिम्मे दिहल गइल बा.
0 Comments