पूर्व भाजपाई रहल आ मध्यप्रदेश के पूर्वमुख्यमंत्री उमा भारती के भाजपा में वापसी के अटकल लागते रहेला. अबकी खुद उमा भारती कहले बाड़ी कि ऊ यूपी में भाजपा के जितावे खातिर लगीहें आ एकरा खातिय अगर जरुरी भइल त विधायक के चुनावो लड़ीहें. इशारा बा कि अगर भाजपा जीतल त ओकर मुख्यमंत्री उमे भारती रहीहें. बाकिर साथ ही साथ इहो कह दिहली कि कब ले ऊ भाजपा में वापिस अइहें एकर कवनो समय सारणी नइखे आ एह काम में साल दू साल लाग सकेला.
0 Comments