खबर एक नजर में (10 जून 2011)

by | Jun 10, 2011 | 0 comments

सीबीएसई के बिहार झारखण्ड के मैट्रिक के रिजल्ट

सीबीएसई के बिहार झारखण्ड के दसवीं क्लास के रिजल्ट आजु प्रकाशित हो रहल बा. बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के इंटर कला के रिजल्ट काल्हु जारी होखी. यूपी बोर्ड आजुवे आपनो मैट्रिक के रिजल्ट घोषित करे वाला बा.


शिक्षक पात्रता परीक्षा

बिहार में शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म पहली जुलाई से हर अनुमण्डल पर मिले लागी. फार्म के बिक्री चौदह जुलाई ले होखी आ अठारह जुलाई से तीस जुलाई का बीच फार्म भर के जमा कइल जा सकी. राज्य सरकार पैंतीस लाख फार्म उपलब्ध कराई. परीक्षा तिथि के एलान अबहीं नइखे भइल.


रेल यातायात बाधित

गया धनबाद रेल खण्ड पर गझंडी टिसन का लगे पचीस हजार किलोवाट के तार टूटला का चलते काल्हु अधरतिया से डाउन लाइन पर रेल गाड़ियन के आवाजाही बन्द हो गइल बा. राजधानी एक्सप्रेस समेत कई गो गाड़ी बीच का टिसन पर खड़ा बाड़ी स. कुछ गाड़ियन के अप लाइन से चलावल जा रहल बा. मरम्मत के काम चल रहल बा आ आजु दुपहरिया ले हालात सामान्य होखे के उमेद बा.


बाबा रामदेव का लगे सवा चार सौ करोड़ के परिसंपति

काल्हु बाबा रामदेव अपना ट्रस्ट आ दोसरा संस्थानन के परिसंपति के घोषणा कर दिहले जवना से पता चलल कि उनुका लगे ४२६ करोड़ के संपत्ति बा. एकरा अलावे कुछ कंपनियो बाड़ी सँ बाबा के जवना के हिसाब किताब ऊ ना दिहले आ कहले कि सगरी कंपनियन के हिसाब कंपनी रजिस्ट्रार का लगे बा जहाँ से लिहल जा सकेला. एकरा साथही बाबा इहो कहले कि ऊ त उदाहरण पेश कर दिहले अब सरकार में शामिल लोग अपना ट्रस्टन के हिसाब एही तरह जगजाहिर कर के देखावे.


बाबा रामदेव के तबियत खराब होखल जात बा

देश में करिया धन के समाप्ति करावे खातिर खटवास पटवास धइले बाबा रामदेव के तबियत बिगड़ल जात बा. काल्हु हरिद्वार के सीएमओ उनुका से आपन अनशन तूड़ देबे के निहोरा कइलन बाकिर बाबा ना मनलन. हँ अतना जरुर मान लिहलन कि नींबू पानी आ शहद के सेवन करत रहीहें. सीएमओ कहले कि अगर जरुरी भइल त बाबा रामदेव आ बालकृष्ण के जबरिया भोजन दिहल जाई.


हिन्दू देवियन के नंगा तस्वीर बनावे वाला पेंटर मुअले

देश विदेश में अपना पेंटिंग खातिर मशहूर आ हिन्दू देवियन आ भारत माता के नंगा तस्वीर बनावे खातिर बदनाम पंचानबे साल के मकबूल फिदा हुसैन के काल्हु हार्ट अटैक से मौत हो गइल. फिदा हुसैन माधुरी दीक्षित पर “फिदा” होके गजगामिनी बनवले रहलन जवन चलल ना. बाकिर हुसैन के पेंटिंग करोड़ो में बेचाली सँ. देश में आपन विरोध होखला का चलते हुसैन देश छोड़ के इंगलैण्ड चल गइल रहले, बाद में ऊ कुवैत के नागरिकता ले लिहले. अब देश के कुछ लोग हुसैन के हिन्दुस्तान में दफन करावे के माँग करत बा. जे लोग हुसैन खातिर छाती कूटत बा उहे लोग तसलीमा नसरीन का मुद्दा पर चुप्पी लगा जाला. तब वैचारिक स्वतंत्रता के बात ना होखे जवन हुसैन का मामिला में पिंगल छटाला.


डा॰ पृथ्वीश नाग के बीएचयू के कुलपति बनावल जाई

बीएचयू के मौजूदा कुलपति प्रो॰ अवधराम के कार्यकाल १३ जुलाई के पूरा हो रहल बा. नयका कुलपति खातिर कोलकाता के नेशनल एटलस थीमेटिक मैपिंग आर्गनाईजेशन के निदेशक, सर्वेयर जनरल आफ इण्डिया, आ जानल मानल भूगोलविद डा॰ पृथ्वीश नाग के चुनल गइल बा. केन्द्र सरकार के सेवा से छुट्टी मिलला का बाद डा॰ नाग बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के कुलपति के पदभार सम्हरिहें.


दंतेवाड़ा में दस गो पुलिसकर्मी शहीद

काल्हु छत्तीसगढ़ का दंतेवाड़ा जिला में नक्सली बारूदी सुरंग के विस्फोट करा के एगो पुलिस वाहन के उड़ा दिहले जवना में दस गो सिपाहियन के मौत हो गइल आ कई जने घवाहिल हो गइल बाड़े. योजना आयोग एही नक्सलियन के गोलाबारूद आ वैचारिक समर्थन देबे वाला आ अदालत से देशद्रोही साबित डा॰ विनायक सेन के आपन सलाहकार बहाल कइले बा.


हॉकी के नेशनल चैम्पियनशिप आजु शुरु हो रहल बा

देश के पहिला सीनियर नेशनल हॉकी चैम्पियनशिप आजु से भोपाल में शुरु हो रहल बा. एह टूर्नामेंट में बत्तीस गो टीम हिस्सा ले रहल बाड़ी सँ. चार चार गो टीमन के आठ आठ गो पूल बनावल गइल बा. लीग मैच आ नाक आउट का आधार पर मैच खेलल जइहे सँ. आजु आठ गो मैच होखे वाला बा.

थाईलैन्ड ग्रांड प्री बैडमिंटन में सानिया नेहवाल क्वार्टर फाइनल में चहुँपली.

डेढ़ साल बाद सनत जयसूर्या फेर अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट खेले लवटले. ऊ २५ जून से शुरु होखे वाला श्रीलंका इंगलैण्ड क्रिकेट सीरिज में श्रीलंका टीम में शामिल कइल गइल बाड़े.

अपना देश के खेल मंत्रालय अगिला साल लंदन में होखे वाला ओलंपिक खेलन खातिर खिलाड़ियन के तइयार करे पर दू अरब अट्ठावन करोड़ रुपिया खरच कर रहल बा. पता ना एह खरचा में कवनो कलमाडी जइसन खिलाड़ी बावे कि ना. हर खेल खातिर १५ जून से प्रशिक्षण शिविर लगावल जा रहल बा.


मूट्ठी भर लोग तय ना कर सके कि का जायज बा का नाजायज

देश के सूचना प्रसारण मंत्री अंबिका सोनी काल्हु कहली कि कुछ मुट्ठी भर लोग ई तय ना कर सके कि का जायज बा का नाजायज. आपन राय देबे के अधिकार सभका लगे बा बाकिर फैसला चुनाइले प्रतिनिधि संसद में करीहें. सरकार के मरजी पर बा कि ऊ केहु के सलाह विधेयक में शामिल करे कि ना.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up