एक जमाना में लालू प्रसाद के खासमखास रहल शकील अहमद खान अब नीतीश कुमार का पँजरा आ गइल बाड़न. काल्हु ऊ नीतीश कुमार का मौजूदगी में जदयू के सदस्य बनलन आ नीतीश कहलन कि शकील अहमद का अइला से जदयू अउरी मजबूत हो गइल.
नीतीश कुमार सावधान ना रहीहन त हो सकेला कि कवनो दिने साधु आ सुभाषो जदयू के मशाल थामे आ जाव लोग. बस अतने रहे कि चाहीं कि मशाल में लालटेन से बेसी रोशनी के गारंटी रहो.
ना बाप बड़ा ना भईया यारा सबले बड़ा रुपैया.
0 Comments