उत्तर प्रदेश के खबर

by | Oct 19, 2011 | 0 comments

(मंगल, 18 अक्टूबर)

  • लखनऊ में टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल पर हमला के कोशिश करे वाला एगो आदमी के पुलिस गिरफ्तार करिके पूछताछ करत बिया. हमला का बाद केजरीवाल कहले कि टीम अन्ना के कांग्रेस से कवनो तरह के दुश्मनी नइखे. कांग्रेसो एह हमला के निंदा कइले बिया आ कहले बिया कि हिंसा कवनो बात के समाधान ना कर सके.
  • दिल्ली के एगो अदालत साल 2008 में भइल वोट खातिर नोट मामिला में समाजवादी पार्टी सांसद रेवती रमन सिंह के दिहल पुलिस के क्लीन चीट खारिज कर दिहलसि आ उनुका के तीन नवम्बर के अदालत में पेश होखे खातिर सम्मन जारी कर दिहलसि.
  • मायावती सरकार के ‘मूर्ति माफिया’ आ ‘मुल्जिमन के सरकार’ बतावत भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष मुख्तार अब्बास नकवी मंगल का दिने कहलन कि पार्टी जल्दिये उत्तर प्रदेश के बसपा सरकार का कारनामा पर ब्लैक पेपर जारी करी.
  • फरुखाबाद जिला में पटाखा से भरल एगो घर में विस्फोट से घर ढह गइल आ पांच लोग के मौत हो गइल. चार जने घवाहिलो भइल बाड़न,
  • प्रदेश में प्राथमिक शिक्षक बहाली में अधिकतम उमिर बढ़ा के चालीस साल कर दिहल गइल बा. कम से कम उमिर अठारह साल रही. बीटीसी डिग्री वाला एह बहाली में आवेदन कर सकेले.
  • प्रदेश में चिकित्सकन के कमी देखत आयुष चिकित्सकन के सेवा से हटावे के माँग करे वाली याचिका के उच्चतम न्यायालय मंगल का दिने खारिज कर दिहलसि.
  • एह साल का आखिर ले प्रदेश में पाँच सौ दू गो नया गैस एजेंसी खोलल जाई जवना में से तीन सौ सतहत्तर गो ग्रामीण इलाका में खुली.
  • प्रदेश सरकार अपना कर्मचारियन के तीस दिन के वेतन का बरोबर बोनस देबे के घोषणा कइले बिया जवना के भुगतान दिवाली के पहिले कर दिहल जाई. एह एलान से राज्य सरकार पर पाँच सौ छह करोड़ रुपिया के बोझा पड़ी.
  • लोकायुक्त के जाँच का बाद प्रदेश के संस्कृति मंत्री सुभाष पाण्डेय के आरोपमुक्त कर दिहल गइल बा. जौनपुर के मछली शहर सीट से विधायक सुभाष पाण्डेय पर आरोप रहुवे कि ऊ काली मंदिर के जमीन हथिया लिहले बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up