शिक्षा रोजगार
- आईटी बीएचयू के आई आई टी के दर्जा मिल गइल. महामना मदनमोहन मालवीय के १५०वीं जयंती का अवसर पर एकरा के उपलब्धि बतवले बीएचयू के कुलपति डा॰ कर्ण सिंह. जबकि विहिप नेता अशोक सिंहल कहलें कि ई फैसला हिन्दू विश्वविद्यालय के गरिमा कम करे खातिर लिहल गइल बा आ देर सबेर एह फैसला से बीएचयू के तूड़ दिहल जाई. अब इंजीनियरिंग फैकल्टी विश्वविद्यालय कुलपति का अधिकार क्षेत्र से बाहर हो जाई. एह नयका आईआईटी के आईआईटी बीएचयू का नाम से जानल जाई.
उत्तर प्रदेश
- हार का बाद हार के कारण पता लगावे राहुल गाँधी सोमार का दिने अमेठी अइलन जहाँ कार्यकर्ता साफ कहलें कि जुबानी जमा खर्च से कुछ नइखे होखे वाला. राहुल से कहल लोग कि आपहू कहले रही कि तीन महीना में भेंट करब आ भुला गइनी. राहुल गाँधी फेर तीन महीना के समय मँगलन आ कहलन कि एह बीच पार्टी के व्यवस्था सुधारल जाई.
- बलिया में बाली ढुलाई में होखत घपलेबाजी का मामिला में तीन गो रेंजर आ बारह गो कर्मचारी जाँच का शिकंजा में अइलें. रोजाना कई लाख के राजस्व के लूटखसोट भइल बा भरौली चेकपोस्ट पर.
- बलिया पुलिस लाइन में सिपाहियने के बेसी सूद पर करजा देबे वाला सूदखोर के सोमार का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल. एकर शिकायत एगो सिपाही एसपी से कइलसि त जाँच में पता चलल कि महँग सूद पर रुपिया देबे वाला ई सूदखोर कैशियर से मिलीभगत कर के कैंटीन कटिंग का नाम पर सीधे वेतन से पइसा काट लेत रहुवे. एह मामिला में कैशियर के निलम्बित कर दिहल गइल बा.
- चंदौसी के सपा विधायिका लक्ष्मी गौतम का खिलाफ हत्या के प्रयास के मुकदमा दर्ज भइल बा. एह मामिला मे उनुका परिवारो के कुछ लोग के नामजद कइल गइल बा.
- मायावती कहली कि संसद के मौजूदा सत्र में एगो संविधान संशोधन विधेयक ले आवल जाव जवना से एससी एसटी के पदोन्नतिओ में आरक्षण दिहल जा सके.
बिहार
- बिहार में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले का विवाद में नया फच्चर फँसावत राजद के रघुवंश प्रसाद सिंह सोमार का दिने लोकसभा में कहलन कि सबले बढ़िया रही कि गया आ मोतिहारी दुनु जगहा केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोल दिहल जाव आ पटना विश्वविद्यालयो के केन्द्रीय विश्वविद्यालय बना दिहल जाव. अबही के स्थिति ई बा कि केन्द्र चाहत बिया कि गया में खोलल जाव जबकि राज्य सरकार मोतिहारी खातिर खूंटा गड़ले बिया.
देश
- भाजपा के मंजूर नइखे राष्ट्रपति पद खातिर कांग्रेस के कवनो उमीदवार चाहे ऊ हामिद अंसारी होखसु चाहे प्रणव मुखर्जी.ई बात सोमार का दिने भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज कहली. कहली कि कांग्रेस आपन उम्मीदवार के एलान कर दी ओकरा बादे भाजपा आपन पत्ता खोली. भाजपा चाहत बिया कि गैर कांग्रेसी गैर भाजपाई खेमा से कवनो नाम सामने आवे.
- आरुषि हत्याकाण्ड में आरुषि के महतारी डा॰ नुपूर तलवार के काल्हु अदालत में समर्पण का बाद गिरफ्तार कर लिहल गइल आ उनुकर जमानत याचिका खारिज कर के जेल भेज दिहल गइल.
- झारखंड में भाजपा के सहयोगी पार्टी झामुमो एह बात पर नाराज बावे कि राज्यसभा में ओकरा उम्मीदवार के समर्थन ना दे के भाजपा आपन उम्मीदवार उतार दिहलसि जबकि केहू का लगे ओतना वोट नइखे कि ऊ आपन उम्मीदवार जिता ले जाव. झामुमो नेता आ राज्य के उपमुख्यमंत्री शिबू सोरेन कहलन कि भाजपा हमेशा उनुका पार्टी के बेइज्जत करत आइल बिया आ अब एकरा के बर्दाश्त ना कइल जाई.
- मुंबई मे सपा नेता आ विधायक अबू आजमी के बारह साल पहिले दिहल एगो दंगा भड़कावे वाला भाषण खातिर दू साल के जेल आ एगारह हजार रुपिया के जुर्माना के सहा सुनावल गइल बा.
- उत्तरी दिल्ली नगर निगम के मेयर पद पर भाजपा के मीरा अग्रवाल के निर्विरोध चुन लिहल गइल आ भाजपे के आजाद सिंह के डिप्टी मेयर चुनल गइल.
- एक लाख रुपिया घूस लेबे का आरोप में चार साल के जेल के सजा भुगतत बंगारू लक्ष्मण भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी से इस्तीफा भेज के पार्टी के राहत दिहलन.
- ओडिशा के विधायक झिन्न हिक्का के इस्तीफा के विरोध करत मुख्यमंत्री नवीन पटनायक कहलन कि दबाव में कवनो विधायक के इस्तीफा ना देबे के चाहीं.
- उत्तराखंड के राज्यपाल पद पर बहाल अजीज कुरैशी अपना बहाली के सोनिया गाँधी के आशीर्वाद बतवलन.
- ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ के हीरक जयंती का मौका पर उनुकर प्रतिनिधि का तौर पर राजकुमार एंड्र्यू सात दिन के भारत दौरा पर सोमार का दिने अइलें. एह दौरा में ऊ दिल्ली, कोलकाता, मुंबई, चेन्नई, बेंगलूर आ कोहिमा जइहें. कोहिमा मे ऊ दुसरका विश्वयुद्ध में मारल गइल सैनिकन के श्रद्धांजलि दीहें.
- असम में ब्रहमपुत्र नदी में सोमार का दिने एगो नाव पलटला से सत्तर से अधिका लोग डूब गइल. दुर्घटणा धुबरी जिला के बुरहाबुरही में भइल.
- भारत आ जापान नागरिक परमाणु सहयोग पर बातचीत करे आ एगो समझौता पर दस्तखत करे खातिर राजी हो गइले.
- प्रवर्तन निदेशालय मुंबई के आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला में महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल अशोक चव्हाण आ तेरह गो दोसरो लोग पर आरोप लगवलसि.
- एह साल पहली सित्मबर से हर मोबाइल सेट पर सूचना लिखल रहे चाहीं कि ओह मोबाइल के रेडियो विकिरण कतना बा आ ओकर दाम कतना बा.
- मध्यप्रदेश सरकार निलम्बित आईएएस टीनू जोशी आ अरविंद जोशी के बर्खास्त करे के सिफारिश केन्द्र के भेजलसि. एह दुनु का लगे से बेहिसाब दौलत मिलल बा जवन कि एह लोग के भठियरपन के कमाई ह.
30, 07:16 pm
भुवनेश्वर [जागरण संवाददाता]। ओड़िशा में 34 दिन बाद माओवदियों की गिरफ्त से छूटे विधायक झिन्न हिक्का के मामले में मुख्यमंत्री नवीन पटनायक ने कहा है कि को
दुनिया
- पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी कहलन कि कवनो अइसन कानून नइखे जवना तहत न्यायपालिका उनुका के डिसक्वालिफाई कर सके.
- नाईजीरिया में आत्मघाती बम हमला में एगारह लोग के जान चल गइल. हालांकि हमला जवना पुलिस अधिकारी पर भइल रहे ऊ साफ बाँच गइल.
बिजनेस
- भारत सेशल्स के साढ़े सात करोड़ डॉलर के वित्तीय सहायता देबे के घोषणा कइलसि.
- कपास उत्पादन में वृद्धि देखत एकरा निर्यात पर लगावल रोक हटा लिहल गइल.
- बॉम्बे स्टाक एक्सचेंज में सोमारो का दिन तेजी रहल आ सूचकांक १३१ अंक बढके बंद भइल. रुपिया में १९ पइसा के कमजोरी आइल आ सोना अपना महँगी के नया रिकार्ड बनवलसि. काल्हु दिल्ली में सोना २९ हजार ५९० रूपए प्रति दस ग्राम पर बिकाईल.
खेल
- आईपीएल बीसबीसा में कोलकाता नाइट राइडर्स चेन्नई सुपर किंग्स के हरा दिहलसि.
- भारत के वेटलिफ्टर लंदन ओलम्पिक के महिला आ पुरूष दुनु वर्ग में एक एक गो जगहा खातिर क्वालिफाई कइलन. नौकायनो में भारत के स्वर्ण सिंह विर्क, मंजीत सिंह आ संदीप कुमार क्वालीफाई कर गइलन.
मनोरंजन
- पहिला बेर कवनो टीवी शो दूरदर्शन आ निजी चैनल पर एक साथ देखावल जाई. ई सीरियल ह आमिर खान के “सत्यमेव जयते” जवन छह मई से हर अतवार दिन में एगारह बजे से दूरदर्शन आ स्टार प्लस पर देखावल जाई.
- बालीवुड अभिनेत्री अचला सचदेव के लमहर बीमारी का बाद अतवार का दिने निधन हो गइल. अचला सचदेव पर फिल्मावल “वक्त” फिल्म के गाना ए मेरी जोहरा जबीं आजुवो ले लोग के याद बा.
0 Comments