देश भर में अपना कारगुजारी में लागल आतंकी संगठन लश्कर-ए-तैयबा उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड के मुख्यमंत्रियन के बम से उड़ा देबे के धमकी दिहले बावे. एह बारे में ओकरा चिट्ठी में एह लोग के जान लेबे का साथही यूपी के अनेके टीसन पर बम विस्फोट करावे के बात कहल गइल बा. हमला के तारीखो बता दिहल गइल बा 28 आ 29 अगस्त. चिट्ठी लश्कर ए तैयबा के एरिया कमांडर करीम अंसारी का नाम से भैजल गइल बा.
0 Comments