बलिया जिला के मनियर इलाका में मठाधीशी के झगरा ले के एगो साधु के गरदन काट दिहल गइल. बियफे का रात ककरघट्टा गांव में घाघरा किनारे अपना मठ में सूतल एगो साधु रमन मल्लाह के कुछ लोग गरदन काट दिहल, पुलिस बतावत बिया कि पहिले ओह मठ में ब्रहमदेव बाबा रहत रहलें बाकिर उनका खराब चाल चलन का चलते गाँव के लोग उनका के हटा के रमन मल्लाह के रख दिहले रहवे. एकरे दुश्मनी में ब्रहमदेव अपना तीन गो साथियन के मदद से ई हत्या कर दिहलसि.
0 Comments