पश्चिम चंपारण जिला के बलथर इलाका में सुनरा टोला का नियरा पुलिस शनिचर का दिने एगो गाँजा तस्कर मुन्ना आलम के गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस के सूचना मिलल रहुवे कि उ ढेरे गाँजा नेपाल से ले के आइल बा. एही सूचना पर पुलिस छापा मरलसि आ ओकरा लगे से चार किलो से अधिका गांजा जब्त कइलसि.
(वार्ता)
0 Comments