गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में पिछला 24 घंटा का दौरान मस्तिष्क ज्वर से पीडित दस गो अउरी बच्चा मर गइले. एह बीमारी से अबही ले 319 गो मरीज मर चुकल बाड़े.
पिछला एक जनवरी से अबले एह बीमारी मस्तिष्क ज्वर से पीडित 1560 रोगियन के अस्पताल में भरती करावल गइल जवना में से 319 गो बच्चन के मौत हो गइल.
आजुओ 33 गो नया रोगी भरती भइले आ अबहीं 151 मरीजन के इलाज बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में चलत बा.
(वार्ता)
0 Comments