मुरैना 25 नवंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश विधानसभा चुनाव का दौरान ईवीएम लेके भागत घरी सुमावली से कांग्रेस विधायक ऐदल सिंह कसाना के भतीजा भूरा कसाना सुरक्षाकर्मियन का गोली से मरा गइल.
पुलिस बतवलसि कि सुमावली इलाका के नायत.का.पुरा गांव मे कांग्रेस प्रत्याशी ऐदल सिंह कंसाना के पैतृक घर ह. एहिजा के मतदान केद्र से ईवीएम लेके भागत भूरा कंसाना पर सुरक्षा जवान गोली चलवले. गोली ओकरा गोड़ में लागल बाकिर मुरैना अस्पताल से ग्वालियर जाए का राह में ओकर मौत हो गइल.
0 Comments