जौनपुर 17 दिसम्बर (वार्ता) नारकोटिक्स विभाग के टीम लाइन बाजार के हुसेनाबाद मुहल्ला मे एगो घर प छापा मारके नौ सौ चालिस ग्राम चरस बरामद कइलसि जवना के दाम अंतर्राष्ट्रीय बाजार मे कई लाख रुपिया बतावल जात बा.
पुलिस बतवलसि कि छापा हुसेनाबाद मुहल्ला में सिंचाई विभाग के लिपिक मनीष श्रीवास्तव के मकान मे रहत एगो किरायादार किहां पड़ल. छापा का समय किराएदार मौजूद ना रहुवे.
0 Comments