खबर भोजपुरी में (मंगल, 9 दिसंबर 2014)

by | Dec 9, 2014 | 0 comments

(सोमार 8 दिसंबर के खबर)

बादामीबाग छावनी में शहीद सैनिकन के श्रद्धांजलि देत पीएम नरेन्द्र मोदी.

बादामीबाग छावनी में शहीद सैनिकन के श्रद्धांजलि देत पीएम नरेन्द्र मोदी.

  • बरीसन बाद श्रीनगर में भइल कवनो प्रधानमंत्री के जनसभा में पीएम नरेन्द्र मोदी जम्मू कश्मीर के लोगन के भरोसा दिहलन कि घाटी के बिसराइल आन आ शान फेरू वापिस ले अइहें. कहलन कि एहिजा के लोग हर तरह के तरीका आजमा चुकल बा आ अब विकासे के राह बाचल बा आजमावे ला. एहसे पहिले सांबा का रैली में कहलन कि पिछला दू दौर के भारी मतदान से कश्मीर में इतिहास रचाइल बा. सोमार का दिने कश्मीर अइला का बाद पीम सबले पहिले सैन्य मुख्यालय जा के उडी में आतंकवादियन के हमला के शिकार सैनिकन के श्रद्धांजलि दिहलन.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला बाद में आरोप लगवलन कि श्रीनगर के चुनावी रैली खातिर जम्मू से आ अलगाववाद समर्थक रहल सज्जाद गनी लोन के समर्थकन के 80 गो गाड़ियन में भर के ले आवल गइल रहे. अपना ट्विट में उमर लिखेले बाड़न कि कवनो गाड़ी पर भाजपा के झंडा भा बैनर ना देखलन आ ना ही स्‍थानीय लोगों क सभा ओरि जात देखल गइल.
  • लोकसभा में बेकार हो चुकल अनेके कानूनन के रद्द करे भा ओहमें संशोधन करे वाला विधेयक रिपीलिंग एण्ड अमेंडिंग एक्ट-2014 ध्वनिमत से पारित हो गइल. एह विधेयक से करीब 90 गो कानूनन के रद्द भा संशोधित क दिहल जाई. लोकसभा से साल 2014-15 खातिर पूरक अनुदान मांगो के मंजूरी मिल गइल.
  • केंद्र सरकार 14वां वित्त आयोग के भूमि कटान, ठनका गिआसमानी बिजली गिरला, आ बाँस में फूल लागे के घटना के प्राकृतिक आपदा के सूची में शामिल करे के सिफारिश कइले बिया. पिछला बेर 13वां वित्त आयोग अइसने सिफारिश खारिज क दिहले रहुवे.
  • चालीस साल पहिले ओह समय के रेल मंत्री ललित नारायण मिश्र के हत्या का मामिला में चार गो आरोपियन के अदालत दोषी मान लिहलसि. अब एह आरोपियन – रंजन द्विवेदी, संतोषानंद अवधूत, सुदेवानंद अवधूत आ गोपालजी – के भारतीय दंड संहिता के धारा-302 के तहत आ विस्फोटक पदार्थ अधिनियम के तहत अपराधन के दोषी ठहरावत सजा पर 15 दिसंबर के बहस होखी.
  • स्व॰ ललित नारायण मिश्रा के बेटा विजय कुमार मिश्र के कहना बा कि असल दोषी आजुओ कानून का गिरफ्त से बाहर बा. कहलन कि अदालत के इहो बात जाँचे के चाहीं कि केकरा कहला पर घवाहिल ललित बाबू के समस्तीपुर से पटना ले जाइल गइल रहे आ हमला का बेरा उनका साथे के के रहुवे.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु कोयला खदान आंवटन का मामिला पर फेर से विचार करे के अपील खारिज क दिहलसि. टाटा इस्पात अनेके कंपनी एह बात के अपील कइले रहले. आजु शेयर बाजार में जम के बिकवाली देखे के मिलल आ सेंसेक्स 339 अंक गिर के आ निफ्टी 100 अंक गिर के बंद भइल. डालर का मुकाबिले रुपिया 6 पइसा कमजोर हो गइल.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आज राज्य में दू सौ नया विद्युत उपकेन्द्रन के लोकार्पण लखनऊ से कइलन. एह उपकेन्द्रन से अगिला दू साल में बिजली आपूर्ति में बड़हन सुधार होखे के उमेद बा. इहो एलान कइलन कि राज्य के सोरह गो धार्मिक शहरन के चौबीस घंटा बिजलि दिहल जाई. एह शहरन में बाराबंकी के देवा शरीफ, अंबेदकर नगर के किछौछा शरीफ, बहराइच के दरगाह इलाका आ मथुरा वृन्दावन शामिल बा. एही मौका पर दू लाख पचीस हजार समाजवादी परिवारन का बीच नब्बे करोड़ रुपिया बँटलन.
  • सांसद साध्वी निरंजन ज्योति के हरामजादा वाला बयान से नाराज विपक्ष सोमार का दिेने सभापति हामिद अंसारी के प्रस्ताव पढ़ला का बाद मान गइल आ राज्यसभा के काम ठीक से चलल. प्रस्ताव में कहल गइल कि सांसद, मंत्री आ राजनीतिक गोलन के नेता अपना सार्वजनिक बयानन में शिष्टता बरतस.
  • यूपी सरकार आखिरकार नोएडा अथारिटी के मुख्य अभियन्ता रहल यादव सिंह के निलम्बित कर दिहलसि. यादव सिंह पर सर्वोच्च न्यायालय के बनावल विशेष जाँच दल बनवला का बाद ई फैसला लिहल गइल.
  • रोहतास जिला के कर्मा गांव का लगे सोमार का दिने भाजपा नेता देवराज सिंह के डेहरी रोहतास रोड पर तब कचार दिहल गइल जब उ सबेरे टहले निकलल रहुवन. पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.
  • सीवान नगर थाना के फतेहपुर मुहल्ला से चार गो मोटरसाइकिल चोरन के तीन गो चोरावल मोटरसाइकिल साथे गिरफ्तार कर लिहले बिया पुलिस.
  • भोजपुर जिला के नवादा इलाका के मोनाबाग से गायब भइल स्कूली छात्र के लाश सोमार का दिने पुलिस बरामद कर लिहलसि.
  • इंटरनेशनल प्रीमियर टेनिस लीग के दिल्ली चरण के एगो मैच में यूएई रॉयल्स के हाथे माइक्रोमैक्स इंडियन एसेस टीम के हार देखे के मिलल.
  • जालंधर में होखत कबड्डी विश्व कप के महिला वर्ग में पिछला तीन बरीस से चैम्पियन भारत चउथको हाली खिताबी दावा पेश करत सोमार का दिने अमेरिका के 56-15 से हरा दिहलस.
  • सुन्नी कट्टरपंथी इस्लामिक गिरोह इस्लामिक स्टेट सोमार का दिने इराक में चार गो ईसाई लड़िकन के मूड़ी काट दिहलसि जब ऊ मुसलमान बने से मना क दिहले सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up