टटका खबर, (मंगल, 24 मार्च 2015)

by | Mar 24, 2015 | 0 comments

(सोमार, 23 मार्च के खबर)

  • किसानन खातिर भारत सरकार एगो योजना शुरू करे वाली बा जवना से पब्लिक प्राइवेट पार्टनरशिप माॅडल पर साठ साल बाद से हर महीना पाँच हजार रुपिया के पेंशन मिलल करी. एह बात के जानकारी प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी पंजाब के एगो समारोह में दिहलन. कहलन कि साल 2002 में जब भारत अपना आजादी के पचहत्तर बरीस पूरा करी तब अमृत पर्व मनावल जाई आ तब देश में सभका लगे रहे के आपन घर होखी.
  • सोमार का दिने देश अपना पीएम मोदी के अगुअई में देश के महान शहीद भगत सिंह, राजगुरू आ सुखदेव के आपन सरधांजलि दिहल. पीएम मोदी पंजाब के फिरोजपुर जिला के हुसैनीवाला में शहीदन के स्‍मारक पर फूल चढ़वलन. एह मौका पर कहलन कि एह शहीदन के सपना साकार करे खातिर जेतने कइल जाई ऊ कमे पड़ी.
  • भारत एह बात के फेरू रेघरिवले बा कि भारत-पाकिस्‍तान का बीच के मुद्दा सलटावे में कवनो तिसरइत ला जगहा नइखे. दुनू के आपन मसला अपने से सलटावे के बा. सरकार के बयान पाकिस्तानी राजदूत के ओह बयान का बाद आइल कि पाकिस्तान दिवस पर कश्मीर के अलगाववादियन के बोलवला पर भारत के कवनो आपत्ति नइखे.
  • समाजवादी चिन्तक डॉक्टर राम मनोहर लोहिया के जनम दिन का मौका पर सोमार का दिने देश भर में समाजवादी समारोह क के उनका के सरधांजलि दिहले.
  • यूपी पावर कार्पोरेशन कम दाम पर एलईडी बल्ब देबे के योजना के शुरुआत वाराणसी शहर से करे जा रहल बा. हर महीना दू सौ यूनिट से अधिका खपत करे वाला उपभोक्ता महज दस दस रुपिया देके सात वाट के दस गो ले बल्ब खरीद सकीहें जवना के दाम 104 रुपिया राखल गइल बा. बाकी दाम बिजली बिल में जोड़ के वसूल लिहल जाई. एह बल्ब पर तीन साल के वारंटी दिहल जाई आ दस बरीस ले काम करी.
  • देवरिया के कटियारी गांव के तीन गो लड़िकियन के लाश मिलला का बाद कुल चारो आरोपियन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. दू गो के अतवार का दिने पकड़ल गइल रहे आ दू गो सोमार का दिने धरा गइलें.
  • नहाय खाय का साथे चइती छठ के परब सोमार का दिन से शुरू हो गइल.
  • 14वां वित्त आयोग के अनुशंसा का विरोध में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बोलावल सगरी दल के बइठक में शामिल होखे से भाजपा इंकार करत कहलसि कि अगर सरकार के कवनो विरोध बा त सीधे प्रधानमंत्री आ वित्त मंत्री से बतियावे आ एह पर राजनीति मत करे.
  • बिहार बोर्ड के चलत परीक्षा में नकल का मुद्दा पर लालू प्रसाद कहलें कि उनकर सरकार रहीत त सीधे किताबे ले आवे के कह देतें आ एह तरह के नकल के कवनो जरूरते ना रह जाइत. किताब आ कलम ले आवऽ लोग आ बोर्ड के कापी पर सवालन के जवाब लिख द लोग देख देख के. अइसने लोग आ राजनीति बिहार आ यूपी के विद्यार्थियन के केरियर चउपट क दिहले बावे.
  • शेयर बाजार में चलत गिरावट सोमारो का दिने बरकारर रहल आ सेंसेक्स पिछला नव महीना के सबले निचला स्तर पर चहुँप गइल. हालात अइसन बन गइल बा कि दाम तनिको बढ़ला पर मुनाफा काटे का फेर में लाग जात बाड़े निवेशक.
  • साल 2014 के दादासाहब फालके सम्‍मान फिल्‍म अभिनेता शशि कपूर के दिहल जाई. एह बात के एलान सोमार का दिने कइलसि. 18 मार्च 1938 के कोलकाता में जनमल शशिकपूर अपना सदाबहार अभिनय से करीब चालीस साल ले हिन्‍दी सिनेमा प्रेमियन के भरपूर मनोरंजन दिहले. शशि कपूर के असली नाम ‘बलबीर राज कपूर’ ह. शशि कपूर के साल 2011 में इनको पद्मभूषण से सम्‍मानित कइल गइल रहे आ उनुका तीन बेर राष्‍ट्रीय फिल्‍म पुरस्‍कार मिलल.
  • निवेशकन के रुपिया लवटावे के आखिरी प्रस्ताव पेश करे ला उच्‍चतम न्‍यायालय का तरफ से सहारा समूह के तीन महीना के मोहलत दिहल गइल बा. जमानत के रुपिया जमा ना करा पवला का चलते सुब्रत राय पिछला साल भर से जेल में पड़ल बाड़े. सहारा समूह के बीस हजार करोड़ रुपिया अपना निवेशकन के लवटावे के बा. सु्प्रीम कोर्ट कहले बावे कि अबकी जमानत के रुपिया जमा ना करा पइहें त सहारा के संपति नीलाम करा दिहल जाई.
  • आखिरकार कर्नाटक सरकार आई ए एस अधिकारी डी के रवि के मौत के मामिला के जाँच सीबीआई से करावे के तईयार हो गइल बिया. एह बात के एलान ओहिजा के विधानसभा में मुख्यमंत्री सिद्दारमैया कइलन.
  • पिछला हफ्ता मध्‍यप्रदेश के जबलपुर में हिन्दू आदिवासियन के धरम बदलवा के ईसाई बनावे का एगो कार्यक्रम के विरोध करे वाला हिन्‍दू धर्म सेना के अध्‍यक्ष योगेश अग्रवाल समेत छह लोग के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि बाकिर एह लोग के बाद में 25-25 हजार रुपिया के निजी मुचलका पर छोड़ दिहल गइल.
  • मंगला का दिने क्रिकेट विश्‍वकप के पहिलका सेमीफाइनल ऑकलैंड में न्‍यूज़ीलैंड आ दक्खिन अफ्रीका का बीच खेलल जाई. ई दुनू टीम अबले विश्व कप के फाइनल ले नइखे चहुँपल बाकिर अबकी बेर एगो के मौका मिल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up