देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (अतवार, 29 मार्च 2015)

by | Mar 29, 2015 | 0 comments

(शनिचर, 28 मार्च के खबर)

  • आखिर उहे भइल जवन पहिले से तय रहुवे. अपना गोल के तानाशाह बन चुकल अरविन्द केजरीवाल आपन तनिको विरोध करे वालन के गोल से लात मार के निकाल फेंके पर आमादा बाड़न. आ शनिचर का दिने भइल बइठक का दौरान कुछ लोग के बाकायदा पिटाईओ कइल गइल. आआपा गोल में अब उहे लगो रह पाई जे केजरीवाल के हँ में हँ मिलावत रहो. ओने पार्टी से निकालल गइला का बाद योगेन्द्र यादव आ प्रशान्त भूषण कहलन कि आगे का कइल जाव एह पर विचार करत बा लोग आ जरूरत पड़ल त चुनाव आयोग आ अदालतो के दरवाजा खटखटा सकेला लोग.
  • भारत के बैडमिंटन खिलाड़ी साइना नेहवाल दुनिया के नंबर वन महिला बैडमिंटन खिलाडी बन के रिकार्ड रच दिहली. पहिला बेर कवनो भारतीय महिला खिलाड़ी के एह ऊँचाई ले चढ़े के मौका मिलल बा. दुनिया के नंबर वन खिलाड़ी बनला का बाद साइना के बधाई देबे वालन में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आ पीएम मोदी समेत अनेके खासमखास लोग शामिल रहल.
  • अपना ‘गायब’ बेटा राहुल गाँधी का बारे में पहिला बेर मुँह खोलत सोनिया गाँधी अमेठी आ रायबरेली का दौरा पर कहली कि राहुल जल्दिए ‘छुट्टी’ से लवटि के जनता का बीच अइहें. बाकिर ई ना बतवली कि कहिया ले अइहें राहुल गाँधी. पिछला फरवरी से राहुल ‘छुट्टी’ पर जा के चिन्ता करत बाड़न कि कांग्रेस के दुबारा कइसे जिनिगी देसु. उनका चिंता से सगरी कांग्रेसीओ चिन्ता में पड़ल बाड़े.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि ओकरा ला भूमि अधिग्रहण अध्यादेश इ्ज्जति के सवाल ना होके देश के विकास आ किसानन के फायदा के सवाल बा. वित्त मंत्री अरुण जेटली शनिचर का दिने वाराणसी में कहलन कि सरकार के मकसद बा कि किसानो के फायदा होखे आ देशो के बढ़न्ती का राह में के बाधा हट जाव.
  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि पुरनका जनता परिवार के सगरी गोलन के फेरू एके साथ आवे का राह पर बाड़े. सब कुछ पटरी पर बा आ समय पर सब कुछ सही हो जाई.
  • शनिचर का दिने पाकिस्तान के अफगान सीमा से लागत कबायली इलाका में सेना का साथे भइल लड़ाई में नाहियो त पन्द्रह गो आतंकी मराइल बाड़े सँ. अभियान अबहियों जारी बा.
  • आर्ट आफ लिविंग के संस्थापक श्री श्रीरविशंकर के इस्लामी स्टेट का तरफ से जान से मार देबे के धमकी मिलल बा. उनका के ई चिट्ठी कूरियर से मलेशिया के एगो संस्था का मार्फत भेजल गइल बा. रविशंकर एह घरी कंबोडिया में बाड़न.
  • दिेल्ली के इंदिरा गांधी अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट पर तैनात एगो इमिग्रेशन अधिकारी के निलंबित कर दिहल गइल बा. ओकरा पर बेंगलुरू के रहे वाली एगो औरत फूहड़ सवाल पूछे के आरोप लगवले बाड़ी. उनकर पासपोर्ट जाँचत घरी अधिकारी कुछ बहुते फूहड़ आ अमर्यादित सवाल पूछलसि.
  • जापान के एगो बड़हन फाइनेंशियल सर्विसेस कंपनी नोमूरा के एगो बड़ अधिकारी के कहना बा कि अगर भारत अपना टैक्‍स मुद्दा के सझूरा लेव त एहिजा बहुते विदेशी निवेश आवे के राह खुल जाई. बाहर के निवेशकन के सबले बड़का चिन्ता पिछला तारीख से लागे वाला टैक्स कानून ले के बा.
  • अतवार का दिने विश्वकप क्रिकेट के फाइनल में न्यूजीलैंड आ आस्ट्रेलिया के भिड़न्त होखे वाला बा. सेमीफाइनल में हरला का बाद देश के क्रिकेट प्रेमियन के मन टूट गइल बा बाकिर खेल त देखहीं के बा. कुछ लोग हार के गम भुलावत आस्ट्रेलिया के जीते के बात करत बा त कुछ लोग हार के खुन्नस निकाले खातिर न्यूजीलैण्ड के जितावल चाहत बा.
  • पिछला साल हाॅकी में सबसे बढ़िया खेल देखावे वाला बीरेंद्र आ वंदना के पचीस पचीस लाख, सेंटर फारवर्ड रहल बलबीर सिंह सीनियर के मेजर ध्यानचंद लाइफटाइम अचीवमेंट पुरस्कार का रूप में तीस लाख रुपिया देबे के एलान भइल बा हाकी इण्डिया का तरफ से. ई मिला के कुल 2 करोड़ 81 लाख 50 हजार रुपिया के पुरस्कार खिलाड़िियन आ सहयोगी स्टाफ के देबे के एलान भइल बा.
  • ऑस्ट्रेलियाई क्रिकेट कप्तान माइकल क्लार्क एकदिना क्रिकेट से रिटायर होखे के एलान क दिहले बाड़न. कहलन कि इहे सही समय बा रिटायर होखे ला. कहलन कि हर कप्तान के कम से कम चार साल मिलही के चाहीं वर्ल्ड कप जीते खातिर.
  • पीएम मोदी से भेंट क के बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मंगलन 10 खरब 78 अरब 87 करोड़ रुपिया. कहलन कि बजट भाषण में केन्द्र के वित्त मंत्री अरुण जेटली जइसन सहायता आंध्र प्रदेश के देबे के एलान कइलन वइसने आर्थिक सहायता बिहारो के मिले के चाहीं. बतवलन कि बिहार के बाँटत घरी साल 2000 में कहल गइल रहे कि बिहार के जरूरतन के देखत जरूरी सहायता दिहल जाई त ओकर पालन होखो.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up