तीन दिन से चलत अवला का बावजूद अबहियों पक्का ना कहल जा सके कि पठानकोट वायुसैनिक अड्डा पर भइल आतंकी हमला खतम हो गइल बा. आजुओ दुतरफा गोलीबारी होखे के खबर आवत बा. कहल जात बा कि जबले आतंकियन के पूरा सफाया नइखे हो जात तबले भिड़न्त जारी रही.
आतंकी एगो दुतल्ला मकान में घुसल बाड़े सँ आ ओहिजे जे आपन हमला जारी रखले बाड़े सँ. सेना के कहना बा कि एयर बेस पर सगरी फाइटर प्लेन आ बाकी साजो सामान सुरक्षित बा. हालांकि एह मुठभेड़ में अबले आधा दर्जन जवान शहीद हो चुकल बाड़ें.
0 Comments