उत्तर प्रदेश के खबर

by | Oct 29, 2011 | 0 comments

(शुक, 28 अक्टूबर)

  • मुख्यमंत्री मायावती प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिख भेजले बाड़ी कि केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश पूर्वाग्रह का चलते कुछ राज्यन पर, जवना में यूपी शामिल बा, आरोप लगवले बाड़न कि ओहिजा मनरेगा के धन के दुरूपयोग होत बा. लिखले बाड़ी कि यूपी सरकार एह मामिला में सचेत बिया आ गड़बड़ी करे वाला छह गो मुख्य विकास पदाधिकारियन, सात गो परियोजना निदेशकन, आ अट्ठाइस गो खण्ड विकास अधिकारियन समेत ढेरे लोग पर कार्रवाई कइल गइल बा.
  • छठ व्रत के तइयारी अबहिये से शुरु हो गइल बा. जबकि छठ के निर्जला उपवास पहली नवम्बर के कइल जाई. बाकिर व्रत के विधि नहाय खाय का साथे तीस अक्टूबर से शुरू हो जाई.
  • अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के चौबीसवाँ अधिवेशन छब्बीस आ सत्ताइस नवम्बर के जमशेदपुर में करावल जाई. सम्मेलन में गोरखपुर में भोजपुरी अकादमी स्थापित करे के माँग कइल जाई.
  • आजमगढ़ के कौड़िया बाजार में काल्हु रात दर्शनपूजा करत लोग के एगो बेकाबू वाहन कचारत चल गइल जवना से आठ लोग के मौत हो गइल आ बीस लोग घवाहिल हो गइल बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up