टटका खबर, अतवार, २८ नवम्बर

by | Nov 28, 2010 | 0 comments

मारीशस के राष्ट्रपति के सुरक्षा में चूक
भारत में निजी यात्रा पर आइल मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगनाथ आ उनका पत्नी श्रीमती सरोजिनी जगनाथ परसों हरियाणा के रोहतक में एगो निजी संस्था के कार्यक्रम में शामिल होखे दिल्ली से हरियाणा अइलें त हरियाणा पुलिस के पायलट गाड़ी उनुका मर्सीडिज टैक्सी के भीड़ भाड़ वाला इलाका में छोड़ के आगा चलि गइल. ऊ बेवकूफ इहो ना देखलसि कि पाछा वाली गाड़ी आवत बा कि ना. पायलट गाड़ी से बिछुड़ला का बाद राष्ट्रपति रास्ता पुछत रोहतक का ओर गइलें. बाद में पुलिस के एह लापरवाही पर लीपापोती का अन्दाज में तीन गो पुलिसकर्मी के निलम्बित कर दिहल गइल. बहादुरगढ़ के डीएसपी एह मामिला के जाँच करीहें जिनका इलाका में ई लापरवाही भइल.

बिहार चुनाव में भोजपुरी फिल्मोद्योग के दू आदमी जीतल
हालही में भइल बिहार विधानसभा चुनाव में भोजपुरी फिल्मोद्योग से जुड़ल निर्माता आ वितरक डा॰ सुनील जदयू का टिकट पर जीतलन त गीतकार विनय बिहारी निर्दलीय रह के लौरिया से जीत गइल बाड़न. एह दुनु जीत से भोजपुरी फिल्म जगत खुश बा आ रविकिशन एह लोग के बधाई देत उमेद जतवले बाड़न कि ई लोग भोजपुरी फिल्मोद्योग के विकास खातिर काम करी.

रविकिशन नीतीश के बधाई दिहलन
पिछला चुनाव में कांग्रेस का तरफ से चुनाव प्रचार करे वाला भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन नीतीश के शानदार जीत पर बधाई भेजले बाड़न. कहले बाड़न कि ऊ व्यक्तिगत रुप से नीतीश के प्रशंसक हउवन काहे कि ऊ बिहार के विकास के एगो नया दिशा दिहले बाड़े.

बलिया के लोनिवि परिसर में भइल हत्याकाण्ड के फैसला
छह साल पहिले बलिया के पीडब्ल्यूडी परिसर में ठीकेदारी का झगड़ा में चार जने के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे. ओह घटना का बाद दुनु तरफ से कुछ अउर हत्या कइल गइल. जवना के मुकदमा अबही चलत बा. बाकिर शुरुआती हत्याकाण्ड के फैसला काल्हु सुना दिहल गइल जवना में सात जने के, अजीत चौबे, नवीन चतुर्वेदी, मुन्ना अवनीश चौबे, शेरा चंद्रचूड़, भगवती राय, कृष्णा सिंह, आ अरविन्द चौबे के, उमिर कैद आ पाँच पाँच हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनावल गइल. एगो आरोपी ओहि दिन पुलिस मुठभेड़ में मरा गइल रहे, दोसरका के बाद में मौत हो गइल. एगो आरोपी कौशल चौबे अबही ले फरार चलत बा. सजा का बाद आरोपियन के कहना रहे कि फैसला एकतरफा बा आ ऊ लोग हाईकोर्ट में अपील करी.

दु गो बीडीसी के हत्या
यूपी के पंचायत चुनाव के झगड़ा अबही ले चालू बा. एही क्रम में मिर्जापुर ब्लाक के कटघर के क्षेत्र पंचायत सदस्य फौजदार पासवान के सरायमीर थाना के इसरौली का लगे चहेट के गोली मार दिहल गइल. तीन गो हमलावर मोटरसाइकिल से रहलें आ हत्या कर के आराम से चल दिहलें. दोसरा घटना में जौनपुर जिला के कौड़िया गाँव से बीडीसी चुनाइल अमर प्रताप मुन्नू के हत्या कर के लाश गाँव का बहरी फेंकल मिलल. दुनु सदस्य सपा के बतावल जात बाड़े.

एशियाई खेल २०१० में भारत बनवलसि पदक के रिकार्ड
चीन के ग्वांग्झू में काल्हु खतम भइल एशियाई खेल में भारत अपना पदकन के रिकार्ड बनवलसि. भारत कुल्ह मिला के ६४ गो पदक जीतलसी जवना में १४ गो स्वर्ण, १७ गो रजत, आ ३३ गो कांस्य पदक रहल. एहसे पहिले अतना पदक भारत कबो ना जीतले रहे. हँ दिल्ली में भइल १९८२ के एशियाड में भारत के पन्द्रह गो स्वर्ण पदक जरुर मिलल रहे. पदक तालिका में अबकी भारत छठवां जगहा पर रहल जवन कि १९८६ के सोल एशियाड के बाद सबसे उपर बा. सोल में भारत पाँचे गो स्वर्ण जीत के पाँचवा जगहा पर आइल रहुवे.

झारखण्ड में पंचायती चुनाव
३२ साल बाद शनिचर का दिने झारखण्ड में पंचायती चुनाव खातिर मतदान करावल गइल. चुनाव के एह पहिलका चरण में ७७ ब्लाकन के १३४८ ग्रामपंचायतन खातिर वोट डालल गइल. नक्सली चुनाव वहिष्कार के अपील कइले बाड़न स, एहसे सुरक्षा के तगड़ा बन्दोबस्त रहे. छिटपुट वारदात का साथ ७० फीसदी के भारी मतदान के खबर बा.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up