कहल गइल बा कि दुश्मनी अइसन होखे के चाहीं कि अगर कबो फेर से दोस्त बने के माहौल बन जाव त लाज ना लागे. नीतीश कुमार के भरपूर लानत मलानत करे वाला ललन सिंह आखिरकार आपन गलती मानत नीतीश संगे सट गइलें. लखीसराय में एगो समारोह में दुनु नेता मंच पर मौजूद रहलें. ललन सिंह के मान राखत नीतीशो कह दिहलन कि हो सकेला कि हमरो से कहीं गलती भइल होखे बाकिर घर के रुसल सवांग लवट आइल त एहले बड़ खुशी के बात का होखी.
0 Comments