बलिया में एगो ट्रैक्टर ड्राइवर शराब पिए ला पइसा ना मिलला से नाराज हो के ट्रैक्टर पर सवार लक्ष्मी गुप्ता के नीचे गिरा दिहलसि आ फेर ट्रैक्टर चढ़ा के कचार दिहलसि. लक्ष्मी गुप्ता गाजीपुर जिला के महेशपुर गाँव के रहलन आ रसड़ा में अपना साला किहाँ भूसा चहुँपावे आइल रहलें. कहल जात बा कि लवटत में मिरनगंज का लगे ड्राइवर श्रीकांत पासवान उनका से शराब पिए ला पइसा मँगलसि आ ना दिहलें त उनका के गिरा के कचार दिहलसि जवना से उनकर ठाँवे पर मोत हो गइल.
0 Comments