टटका खबर (मंगल, 3 जनवरी 2012)

by | Jan 4, 2012 | 0 comments

बिहार के खबर

  • मुख्यमंत्री नीतीश से बेसी अमीर उनुकर बेटा निशांत बाड़े. ई खुलासा आजु सरकार के मंत्रियन के संपति के घोषणा का बाद भइल. निशांत के अपना महतारी के सगरी संपति मिलल जब उनुका महतारी के निधन हो गइल.
  • बिहार में नयका लोकायुक्त कानून लागू कर दिहल गइल. पहिले लोकायुक्त कवनो आदमी होत रहे अब ई संस्था होखी. एकरा दायरा में मुख्यमंत्री, विधान परिषद के सभापति, विधानसभा के अध्यक्ष समेत तमाम मंत्री, सरकारी कर्मचारी आ सरकारी अनुदान लेबे वाला संगठन शामिल रहीहे.
  • आरा के लक्ष्मणपुर के रहे वाला आ राज्य के वरिष्ठ अधिवक्ता इंद्रदेव नारायण के निधन आजु अंठानबे साल का उमिर में पटना में हो गइल. अंतिम संस्कार उनुका गांव का लगे अलेखी टोला घाट पर करावल जाई.
  • बक्सर जिला के सिकरौल इलाका में भदार पुल का लगे एगो वाहन नहर में गिर गइल जवना से तीन जने के मौत डूबला से हो गइल.
  • आकाशवाणी पटना के समाचार विभाग खातिर अंशकालिक संवाददाता बहाल करे खातिर विज्ञापन दु जनवरी का अखबार में प्रकाशित भइल बा. बेसी जानकारी नौकरी चाकरी पर पढ़ीं
  • त्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिसेसर एगारह जनवरी के अपना पुरखन का गांव बक्सर के इटाढ़ी के भेलुपूर आवे वाला बाड़ी. गाँव में हेलीपैड बनावे के काम शुरू हो गइल बा.
  • सासाराम में जिला अंकेक्षण पदाधिकारी शैलेन्द्र कुमार आ सहायक रामाधीन प्रसाद के घूस लेत घरी रंगेहाथ गिरफ्तार कर लिहल गइल.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • डीपी यादव के सपा में लेबे खातिर अखिलेश यादव तइयार नइखन. जबकि आजम खाँ चाहत बाड़े कि डीपी यादव के सपा में ले लिहल जाव.
  • भाजपा नेता मुख्तार अब्बास नकवी कहले कि कांग्रेस आ बसपा मिलके लखनऊ के उप मुख्य चिकित्सा अधिकारी वाई. एस. सचान के हत्या के खुदकुशी साबित करे के साजिश में शामिल.
  • उप्र में भाजपा प्रत्याशियन के दुसरका सूची के 81 गो नाम में बसपा सरकार में मंत्री रहल ददन मिश्र आ अवधेश वर्मा के नाम शामिल बा. अबही ले राज्य के चार सौ तीन विधानसभा सीट में से दू सौ चौबीसे सीट के नाम तय कर पवले बिया भाजपा.
  • सोलह से चौबीस जनवरी का बीच लखनऊ में होखे वाला सेना भर्ती रैली चुनाव का चलते टार दिहल गइल बा. हालांकि सोलह आ सतरह तारीख के धर्म शिक्षक आ कुछ अउर श्रेणी के बहाली पूर्व निर्धारित कार्यक्रम से होई.

देश के खबर

  • अजय चौटाला दिल्ली उच्च हाईकोर्ट से अपील कइलन कि उनुका के आमदनी से बेसी के संपति राखे का आरोप आ मामिला से बरी कर दिहल जाव.
  • भारत पर हमला करे खातिर लश्कर ए तैयबा महिला आतंकवादी दस्ता बनवले बा जवना में एकइस गो लड़िकियन के मुजफ्फराबाद का लगे एगो शिविर में प्रशिक्षण देत बा.
  • संप्रग से ममता के दूरी बढ़ल. कांग्रेस पर वामपंथियन से मिलीभगत के आरोप लगवली. कहली कि ऊ कहियो मनमोहन सिंह भा सोनिया गाँधी का खिलाफ ना बोलली बाकिर कांग्रेसी उनुका के रोजे गरियावत बाड़े.
  • दिल्ली परिवहन निगम अपना बस के किराया में पैंसठ फीसदी बढ़ोतरी करे के योजना बनलवे बा.
  • भठियरपन का आरोप में बसपा सरकार से निकालल मंत्रियन, बाबू सिंह कुशवाहा आ बादशाह सिंह, के भाजपा में शामिल कर लेबे के फैसला पर कांग्रेस आ सपा भाजपा के निंदा कइले बाड़े जबकि बहुते भाजपा समर्थक सन्न रहि गइल बाड़े.
  • अन्ना हजारे अभी कुछ दिन अस्पताले में रहीहें. पहिले उनुका शुक का दिने छुट्टी मिले वाला रहुवे बाकिर अब देरी होखे के खबर बा.
  • पंजाब में चुनाव अधिकारियन के कामकाज पर सवाल उठावत मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल के चिट्ठी पर मुख्य निर्वाचन आयुक्त एस.वाई. कुरैशी मंगल का दिने कहलन कि आयोग के अपना अधिकारन के सीमा के जानकारी बा.
  • आंध्र प्रदेश में सत्तारूढ़ कांग्रेस पार्टी ने वाई.एस. जगनमोहन रेड्डी के सहयोगी विजय साई के गिरफ्तारी के स्वागत करत उमेद जतवले बिया कि जल्दिये जगनो के गिरफ्तार कर लिहल जाई.
  • महाराष्ट्र में बृहन्मुम्बई नगर निगम समेत 10 गो नगर निगमन के चुनाव खातिर 16 फरवरी के मतदान करावल जाई.
  • देश के अनईस राज्य के बत्तीस विश्वविद्यालयन से चुनाइल पचास गो विद्यार्थियन के राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग में प्रशिक्षण दिहल जात बा. ओह लोग के इंटर्नशिप एक महीना ले चली.
  • ममता बनर्जी फेरु कहली कि लोकायुक्त पर तृणमूल कांग्रेस से कवनो समझौता ना करी.
  • सीआईएसएफ के गोलीबारी से एगो विद्यार्थी के मौत का बाद उमर अब्दुल्ला कहलन कि एह गोली बारी के ‘माफ ना कइल जा सके’.
  • साल 2008 में भइल बेंगलुरू विस्फोट मामिला में आरोपी पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी के अध्यक्ष अब्दुल नाजिर मदनी के मंगल का दिने सर्वोच्च न्यायालय से जमानत ना मिलल आ ओकर याचिका खारिज कर दिहल गइल.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तानी सेना ईरान के दू गो सैनिकन के हिरासत में लिहलसि त ईरान पाकिस्तान से लागे वाला आपन सीमा बंद कर दिहलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • नेटवर्क 18, टीवी 18 में बड़हन निवेश करे के फैसला लिहलसि रिलायंस इंडस्ट्रीज. दुनु कंपनी मिल के इनाडू समूह के इलाकाई चैनल, जइसे कि ईटीवी बिहार, ईटीवी यूपी वगैरह, खरीदे खातिर धन जुटइहे.
  • क्रिसिल के अनुमान बा कि भारत के बैंकन के विस्तार खातिर साल 2017 ले 2700 अरब रुपिया के शेयर पूंजी जुटावे होखी.
  • टाटा के नैनो के मुकाबला करत बजाज ऑटो आपन सस्ता चरपहिया कार के आहु प्रदर्शनी में देखवलसि. कहलसि कि ओकर निशाना बा तिपहिया वालन के अपना ओर खींचल. ई नयकी कार ‘आरई60’ एक लीटर में पैंतीस किलोमीटर चली आ एहमें आठसौ सीसी के ईंजन लागी. कंपनी अबही एकर दाम नइखे तय कइले.
  • सार्वजनिक क्षेत्र के कम्पनी स्टील अथॉरिटी ऑफ इंडिया लिमिटेड के राऊरकेला इकाई में दिसम्बर महीना में सबले बेसी हॉट मेटल आ कच्चा इस्पात उत्पादन के रिकार्ड बनल.
  • हिंदुस्तान कंस्ट्रक्शन के गुजरात से 289 करोड़ रुपिया के ठेका मिलल बा. एह में जल परिवहन प्रणाली बनावे के बा.
  • शेयर बाजार में मंगल का दिने तेजी रहल आ सेंसेक्स 421 अंक के छलांग लागवत बंद भइल.
  • अक्टूबर से दिसम्बर का बीचे देश में चीनी उत्पादन पिछला साल का मुकाबले सतरह फीसदी बेसी भइल.
  • चीन का आर्थिक विकास दर साल 2012 में घट जाई आ 8.8 फीसदी रही.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अभिनेत्री पूजा बेदी कहली कि उनुका के कलर्स टेलीविजन चैनल के रिएलिटी शो ‘बिग बॉस-5’ के ग्रैंड फिनाले से अलगा रहे के कहल गइल बा.

खेल के खबर

  • अखिल भारतीय शतरंज महासंघ के केंद्रीय परिषद मंगल का दिने सुपर ग्रैंडमास्टर विश्वनाथन आनंद के नाम देश के सर्वोच्च नागरिक सम्मान “भारत रत्न” खातिर प्रस्तावित कइलसि.
  • ओडिशा के जगतसिंहपुर जिला में होखत एगो हाफ मैराथन में एगो 18 साल के नवही के मौत हो गइल आ दू गो प्रतिभागी बेमार पड़ गइले.
  • अपना प्रशिक्षक जी भास्कर राव के हत्या से दुखी महिला हॉकी खिलाड़ी मीणा खुदकुशी कर लिहली. भास्करराव के हत्या दू दिन पहिले नया साल के जश्न का दौरान उनुके एगो जूनियर केक काटे वाला छूरी से कर दिहले रहे.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के कोच डंकन फ्लेचर दुसरका टेस्ट का पहिला दिने अपना टीम के खराब प्रदर्शन खातिर बड़ साझेदारी ना बन पावे के जिम्मेदार ठहरवले. भारत के टीम 191 रन बना के आउट हो गइल.
  • आस्ट्रेलियाई गेंदबाज जेम्स पैटिंसन कहलन कि भारत के बल्लेबाज तेज गेन्द से डेरा गइल बाड़े.
  • सिडनी टेस्ट में आस्ट्रेलिया 3 विकेट के नुकसान पर 116 रन बनवलसि. भारत के पहिला पारी 191 रन पर समेटा गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up