कॉमेडी किंग महमूद के जनमदिन पर

by | Sep 29, 2013 | 0 comments

अपना खास अंदाज, हाव.भाव आ आवाज से लगभग पचास साल ले दर्शकन के हँसावे गुदगुदावे वाला महमूद बालीवुड में किंग आफ कामेडी के दर्जा हासिल कइले बाकिर एकरा ला उनुका बहुते संघर्ष करे के पड़ल.
29 सितंबर 1933 के जनमल महमूद बचपने से अभिनेता बने के सपना देखत रहले. उनकर अब्बा मुमताज अली बाम्बे टाकीज स्टूडियो में काम करत रहेल. साल 1943 मे संजोग से महमूद के मौका मिलल एगो फिलिम में अशोक कुमार के बचपन के भूमिका करे के, एह बीच ड्राइविंग सीख के महमूद निर्माता ज्ञान मुखर्जी के ड्राइवर हो गइले.
महमूद के किस्मत के सितारा तब चमकल जब फिलिम “नादान” के शूटिंग का दौरान अभिनेत्री मधुबाला के सोझा एगो जूनियर कलाकार अतना घबड़ाइल रहे कि दस रीटेक का बादो आपन संवाद सही से ना बोल पावल. तब निर्देशक हीरा सिंह महमूद के उ संवाद बोले के कहलन आ महमूद ओकरा के एके बेर मे ओके करा दिहलन. एह फिलिम ला महमूद के 300 रूपिया पगार मिलल जबकि बतौर ड्राइवर उनुका मात्र 75 रूपिये मिलल करे.
फेर महमूद ए.भी.एम बैनर के फिलिम “मिस मैरी” ला स्क्रीन टेस्ट दिहले बाकिर फेल हो गइले, ए.भी एम के कहना रहे कि महमूद कबो अभिनय ना कर सकस. बाद का दिन में ए.भी.एम बैनर के आपन ई राय बदले के पड़ल आ महमूद के बतौर अभिनेता राखत “मै सुदर हूँ” फिलिमो बनवलसि.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up