टटका खबर (बुध, 25 जनवरी 2012)

by | Jan 26, 2012 | 0 comments

टटका टटका (बियफे, 26 जनवरी 2012)

  • राजपथ पर लउकल देश के आन, बान आ शान के झलक. तिरसठवाँ गणतन्त्र दिवस का मौका पर थाइलैंड के प्रधानमंत्री रहली मुख्य अतिथि. लेफ्टिनेंट नवदीप सिंह के मरला का बाद अशोक चक्र से सम्मानित कइल गइल.
  • एडिलेड का मैदान पर विराट कोहली के शानदार शतक का बावजूद भारत के पहिला पारी 272 रन पर समेट दिहलसि आस्ट्रेलिया. एहसे पहिले ऊ सात विकेट का नुकसान पर 604 रन बना के पारी खतम करे के एलान कर दिहले रहुवे जवना का बाद भारत खेले उतरल रहुवे. बाकिर भारत के फालोआन ना खेला के आस्ट्रेलिया आपन दोसरका पारी के शुरूआत कर दिहलसि. भारत के एहू टेस्ट मैच में हारल तय बा आ कुछ लोग के उमेद का बावजूद सचिन तेंदुलकर निराशे कइलन.

टटका खबर (बुध, 25 जनवरी 2012)
आजु के फोटो


(पचीस जनवरी का दिने देश भर में मतदाता दिवस मनावल गइल. एह मौका पर राष्ट्रपति रहल डा॰ एपीजे अब्दुल कलाम के हाथे कुछ नयका मतदाता के पहचान पत्र दिहल गइल. साथ में बाड़े चुनाव आयुक्त डा॰ एस वाई कुरेशी. )
बिहार के खबर

  • पटना के फुलवारीशरीफ स्थित महावीर कैंसर संस्थान के निदेशक आ कैंसर रोग विशेषज्ञ चिकित्सक जितेन्द्र सिंह के पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल. ऊ कहले कि ई पूरा टीम के सम्मान बा खाली उनुकरे ना.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • चरखारी से विधायक चुनाव लड़े वाली भाजपा नेता उमा भारती के कहना बा कि अगर उनुका मौका मिलल त चरखारी के अइसन विकास करीहें कि लोग एकरा के नमूना जइसन याद राखी. ओने कल्याण सिंह उमा भारती के विरोध करे खातिर डाँड़ कस लिहले बाड़न भलही उमा भारती उनुका के बाप जइसन इज्जत काहे ना देसु.
  • सपा के कहना बा कि ऊ जनता से जबाबदेह बिया अन्ना हजारे भा उनुका टीम के ना.
  • विधानसभा चुनाव के चउथा दौर के अधिसूचना बुध का दिने जारी कर दिहल गइल. एह दौर में 11 जिलन के 56 सीटन पर 19 फरवरी के मतदान करावल जाई.

देश के खबर

  • इसरो के चार गो वैज्ञानिकन पर लगावल प्रतिबंध का खिलाफ इसरो के अध्यक्ष रहल जी माधवन नायर आवाज उठवले आ कहले कि कवनो तानाशाहो सजा सुनावे से पहिले मुद्दई के मौका देले आपन बाति राखे के बाकिर एह सरकार में अतनो संस्कार नइखे. मौजूदा इसरो अध्यक्ष के नालायक बतावत माध्वननायर कहले कि एह आदमी के इहो पता नइखे कि सेटेलाइट कवना के कहल जाला आ ट्रांसपोर्डर कवना के. जबसे आइल बाड़न इसरो के काम ठप्प जइसन पड़ गइल बा आ आंवटित धनराशि के अधियो के इस्तेमाल नइखे हो पावत.
  • पुणे में एगो “पगलाइल” बस ड्राइवर अंधाधुंध धक्का मारत तीस चालीस गो गाड़ी मोटरसाइकिलन के नुकसान चहुँपवलसि आ नौ लोग के जान ले लिहलसि. करीब दू दर्जन लोग अबहियो गंभीर हाल में अस्पताल में भरती बा.
  • भारतीय प्रेस परिषद के अध्यक्ष मारकण्डेय काटजू के कहना बाकि सलमान रुश्दी ‘मामूली’ आ ‘औसत दरजा के लेखक’ हउवन. आ अगर ‘द सैटेनिक वर्सेज’ ना लिखले रहितन त उनुका बारे में केहु चरचो ना करीत.
  • देश के संबोधित करत राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील कहली कि लोकतंत्र के गाछ झकझोरत घरी ध्यान राखल जाव कि खराबे फल गिरे, गछिये ना उखाड़ दिहल जाव.
  • शांतिभूषण सीडी मामला के सही तरीका से जांच करे के निर्देश दिहलसि दिल्ली के एगो अदालत जब दिल्ली पुलिस कहलसि कि एह मामिला में फर्जी सीडी बनावे वाला का बारे में ओकरा लगे पर्याप्त सुबूत नइखे एहसे मामिला बन्द कर दिहल जाव.
  • गुजरात में भइल “फर्जी मुठभेड़न” के जाँच करावे के आदेश दिहलसि सुप्रीम कोर्ट.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान विमान हादसा में ओकर महिला पायलट आ सहयोगी घवाहिल हो गइले.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • वोडाफोन फैसला के समुझे के कोशिश करत बिया सरकार. एह फैसला में सुप्रीम कोर्ट वीडियोकान पर लगावल कर रद्द कर दिहलसि.
  • वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि बीच मार्च में पेश हो सकेला बजट.
  • शेयर बाजार में बुध का दिने तेजी रहल आ सेंसेक्स 81 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • एप्पल के रिकार्ड तिमाही आय दर्ज भइल बा. ओकर आईफोन अब गूगल के एंड्रायड से आगा निकल गइल बा बिक्री में.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बालीवुड के स्टार रहल धर्मेद्र आ शबाना आजमी के पद्म भूषण से सम्मानित कइल गइल. जबकि मशहूर भजन गायक अनूप जलोटा के पद्मश्री से.
  • करीना सिर्फ हमरे संगे नीक लागेली, कहलन अभिनेता सैफ अली खान.

खेल के खबर

  • लाख चरचा का बावजूद एहु साल कवनो खिलाड़ी के भारत रत्न ना दिहल गइल.
  • आस्ट्रेलियन ओपन में भूपति-सानिया के जोड़ी सेमीफाइनल में चहुँपल.
  • भारतीय हॉकी टीम के कप्तान रहल आ कोच जफर इकबाल के पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल.
  • अबू धाबी टेस्ट में पहिला दिने खेल खतम होखे ले पाकिस्तान के 7 विकेट पर 256 रन बनल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up