टटका खबर (शनिचर, 7 जनवरी 2012)

by | Jan 8, 2012 | 0 comments

आजु के फोटो

(सात जनवरी के गुजरात के गाँधीनगर में गुजरात नेशनल लॉ युनिवर्सिटी के नया परिसर के उद्घाटन करे आइल उपराष्ट्रपति मोहमम्द हासिम अंसारी आ सलमा अंसारी के स्वागत करत गुजरात के राज्यपाल डा॰ कमला बेनीवाल आ मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी.)
बिहार के खबर

  • प्रदेश कांग्रेस कहलसि कि बिहारो में केन्द्र का तरह अल्पसंख्यकन के ओबीसी कोटा से साढ़े चार फीसदी आरक्षण दिहल जाव.
  • राज्य के हर पंचायत में इकसठ लाख रुपिया का लागत से पंचायत भवन बनावल जाई. सासाराम में पत्रकारन से बतियावत ग्रामीण आ पंचायती राज मंत्री भीम सिंह ई जानकारी दिहलन. कहलन कि महिला पंचायत प्रतिनिधियन का काम में दखल देबे वाला पति लोग पर कड़ा कार्रवाई कइल जाई.
  • छपरा में श्रम संसाधन मंत्री निर्माण कारीगरन के औजार आ साइकिल खरीदे खातिर पन्द्रह पन्द्रह हजार रुपिया के चेक बँटल आ कहलन कि एक साल पहिले से निबंधित कामगारन के ई चेक दिहल गइल.
  • रोहतास जिला के सुअरमनवा जंगल से एगो हार्डकोर नक्सली काशी चौधरी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा लगे से पुलिस राइफल आ चालीस गो कारतूस बरामद भइल.
  • भोजपुर जिला के सकरडीह गाँव का लगे जुटल पाँच गो बदमाशन में से तीन गो के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. दू गो भाग गइले स. ई आरा पटना रोड पर व्यापारियन के लूटे खातिर बिटोराइल रहले स.
  • मोतिहारी के एलआरपी कालोनी में एगो आदमी नब्बूनाथ के हत्या कर दिहल गइल बा. अपराधियन के धरे खातिर पुलिस लागल बिया.

उत्तर प्रदेश के खबर

  • चुनाव आयोग आजु आदेश दिहलसि कि सार्वजनिक जगहा पर लागल मायावती आ हाथी के मूर्तियन के चुनाव तक ले तोप दिहल जाव काहे कि एह से राजनीतिक प्रचार होखत बा.. आयोग कहलसि कि महात्मा गाँधी का अलावे बाकीओ प्रतिमा का बारे में विचार कइल जाई. बसपा के शिकायत बा कि ओकरा के जबाब देबे के मौका ना दिहल गइल आ ओकरा से एह बारे में पूछल तक ना गइल. कहलसि कि आयोग के फैसला के जबाब जनता दीहि.
  • बनारस गाजीपुर रोड़ पर कैथी गाँव का लगे एगो वाहन बस से टकरा गइल जवना से ओह पर सवार चार जने के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले आ अस्पताल में भरती करावे के पड़ल.
  • राहुल गाँधी गोरखपुर में अपना भाषण में कहले कि बाबू सिहं कुशवाहा भाजपा के खरीद लिहले बाड़न. ओने उगलत आन्हर निगलत कोढ़ी के हालत में फँसल भाजपा बाबू सिंह कुशवाहा के सदस्यता “स्थगित” कर दिहलसि.
  • बसपा के प्रदेश अध्यक्ष स्वामी प्रदेश मौर्य कहले बाड़न कि कांग्रेसियन का कांग्रेसे के भठियरपन के आवाज गूंजत बा काहें कि भठियरपन ओकरे जनमावल ह.
  • उप्र में वाहन तलाशी में हरदोई जिला में दू जगहा से 20 लाख रुपिया बरामद भइल बा.

देश के खबर

  • अगिला विज्ञान कांग्रेस कोलकाता में करावल जाई.
  • चौरासी साल के बीमार सुखराम आज एम्बुलेंस से दि्ल्ली के एगो अदालत में आ के समर्पण कर दिहले जवना के बाद उनुका के गिरफ्तार कर के तिहाड़ जेल भेज दिहल गइल.
  • ममता कांग्रेस के धीरवली कि मन करे त ऊ गठबन्हन तूड़ के चल जाव.
  • गृह सचिव आ पुलिस प्रमुख के हटावे के आदेशो चुनाव आयोग कर दिहलसि.
  • राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत के कहना बा कि सरकार प्रवासी भारतीयन से निवेश ना बलुक बातचीत बढ़ावल चाहत बिया.
  • वैज्ञानिक शोध में सकारात्मक संकेत मिलल बा कि तुलसी के इस्तेमाल परमाणु विकिरण के निशाना बनल लोग के इलाज खातिर कइल जा सकेला.
  • पंजाब विधानसभा चुनाव खातिर टिकट ना मिले से नाराज राज्य के कांग्रेस अध्यक्ष अमरिंदर सिंह के छोट भाई मलविंदर सिंह सत्ताधारी शिरोमणि अकाली दल में शामिल हो गइले.
  • शनिचर का दिने दिल्ली के इंडिया गेट लॉन में तेरह देश से आईल तीन सौ पतंगबाज अपना पतंगन से आसमान तोप दिहले. दस जनवरी से चौदह जनवरी ले अहमदाबाद में होखे जा रहल पतंग महोत्सव के एगो झलक देखावे खातिर दुनिया के पतंगबाज एहिजा आइल रहले.
  • प्रवासी भारतीय मामिला के केंद्रीय मंत्री व्यालार रवि शनिचर का दिने कहलन कि प्रवासी भारतीय लोग अपना गाँव में सौर उर्जा ले जाव.
  • ममता के हड़कवला का कुछ देर बाद कांग्रेस कहलसि कि ऊ गठबन्हन सरकार में बनल रही आ मुख्यमंत्री के आदेश माने खातिर बाध्य नइखे.
  • जासूसी मामला में राजनयिक रहल माधुरी गुप्ता पर मुकदमा चलावे के आदेश दिहलसि दिल्ली के एगो अदालत.
  • भंवरी देवी के घड़ी, कंगन आ कुछ अउरी सामान जोधपुर के जलोदा गाँव का लगे नहर से मिलल बा.
  • रिजर्व बैंक निवेशकन के सलाह दिहलसि कि अधिका सूद कमाये का लालच में अनधिकृत गैर बैंकिंग वित्तीय कम्पनियों भा दोसरा संस्थान में आपन पइसा मत जमा करावसु.
  • दिल्ली के अदालत में सुब्रह्मण्यम स्वामी आजु चिदम्बरम का खिलाफ आपन दलील पूरा कइलन आ दस्तावेजन के प्रमाणित प्रति अदालत में जमा कइलन.
  • दिल्ली के शास्त्री भवन में शनिचर का सबेरे आग लाग गइल बाकिर केहू के हताहत होखे के खबर नइखे.
  • जयललिता के खिलाफ रपट छापेवाला पत्रिका के कार्यालय पर एआईडीएमके समर्थक शनिचर का दिने हमला बिल दिहले.
  • भारत के सैन्य शिष्टमंडल के चीन दौरा रद्द नइखे कइलसि सरकार बस ओहमें शामिल अधिकारयन के गिनिती कम कर दिहले बिया.
  • हिमाचल के कांगड़ा जिला में शनिचर का दिने 35 साल बाद हिमपात भइल बा.
  • सेबी के लगावल जुर्माना का खिलाफ अदालत न्यायाधिकरण में अपील करीहें जेपी एसोसिएट के अध्यक्ष मनोज गौड़.
  • भारत सरकार अपना नागरिकन के सीरिया ना जाये के सलाह दिहलसि.
  • प्रवासी सम्मेलन के उद्घाटन आठ जनवरी अतवार का दिने होखी. एह सम्मेलन में दुनिया भर से आइल प्रवासी शामिल होखीहें जवना में त्रिनिडाड टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला परसाद बिसेसर समेत अनेके जानल मानल हस्ती शिरकत करीहे.

दुनिया के खबर

  • ब्रिटेन में गोली मारल गइल छात्र अनुज बिदवे के आजु पुणे में अंतिम संस्कार कर दिहल गइल.
  • पाकिस्तान कराची जेल से 180 भारतीय कैदियन के रिहा कइलसि जे लोग अतवार का दिने वाघा बोर्डर से भारत में प्रवेश करी.
  • अर्जेटीना के राजधानी ब्यूनस आयर्स अब धूम्रपान मुक्त शहर बन गइल बा जहाँ कवनो सार्वजनिक जगहा धुम्रपान करे पर रोक लगावे वाला एगो नया कानून लागू हो गइल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • बिहार में कोबरा बीयर के उत्पादन तिगुना बढ़ावल जाई. कहलन लंदन के उद्यमी आ हाउस ऑफ लॉर्ड्स के सदस्य करण बिलिमोरिया.
  • स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद कहले कि स्वास्थ्य सेवा पर जीडीपी के 2.5 फीसदी खरचल जाई.
  • ऑटो एक्सपो अगिला बेर से दिल्ली में ना, कहीं दोसरा शहर में लगावल जाई काहे कि एहिजा भीड़ सम्हारल मुश्किल हो जात बा आ ट्रैफिक पुलिस एकर हिदायत दिहले बिया.
  • टोयोटा आजु आपन नया वाहन तीसरी पीढ़ी के प्रायस लांच कइलसि. एकर दाम साढ़े सताईस लाख से तीस लाख का बीच पड़ी.

मनोरंजन का दुनिया से

  • जूही परमार जीत लिहली ‘बिग बॉस-5’ के खिताब. उनुका के एक करोड़ रुपिया नकद पुरस्कार दिहल जाई.
  • अर्जुन रामपाल आपन पर्फ्यूम 12 जनवरी के लांच करीहे. एह परफ्यूम के दू साल के तईयारी का बाद लांच कइल जात बा.
  • ईटीवी बालिवुड बिजनेस अवार्ड्स सलमान आ शाहरुख खान के सबले अधिका कमाई करावे वाला अभिनेता बतवलसि.

खेल के खबर

  • बिग बैश लीग में मेलबर्न स्टार्स मेलबर्न रेनेगेड्स के 11 रन से हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up