देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

by | Dec 17, 2011 | 0 comments

(शनिचर, 17 दिसंबर)
देश

  • आजु अदालत में गवाही देत सुब्रह्मण्यम स्वामी दावा कइलन कि 2जी घोटाला में तब वित्त मंत्री रहल चिदम्बरम शामिल रहलें.
  • रूस के आपन दौरा पूरा कर के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह देश खातिर रवाना हो गइलें. एह दौरा में कई गो सफलता हासिल भइल बा.
  • अन्ना हजारे शनिचर का दिने बेंगलुरू में फेर दोहरवलें कि अगर संसद के मौजूदा सत्र में लोकपाल विधेयक पारित ना भइल त ऊ 27 दिसंबर से बेमियादी विरोध प्रदर्शन शुरु करीहें आ पहिला जनवरी से ‘जेल भरो’ आंदोलन शुरू कर दीहें.
  • ममता बनर्जी के महतारी गायत्री बनर्जी के आजु अस्पताल में निधन हो गइल. ऊ एकासी साल के रहली ह. प्रधानमंत्री आपन शोक जतवलें.
  • चंडीगढ़ नगर निगम चुनाव खातिर आजु वोट डालल जात बा.
  • कश्मीर के सोपोर कस्बा में नरमपंथी नेता मीरवाइज पर कुछ लोग शुक का दिने पथराव कइल.
  • जामिया मिलिया इस्लामिया शुक का दिने मशहूर अर्थशास्त्री आ नोबेल पुरस्कार विजेता अमर्त्य सेन के एगो खास समारोह करि के डी.लिट के मानद उपाधि से सम्मानित कइलसि.
  • राजस्थान के भंवरी देवी गुमशुदगी मामिला में एगो कांग्रेसी विधायक मलखान सिंह बिश्नोई आजु सीबीआई का सोझा पेश हो सकेलें. एकरा पहिले ऊ तीन गो सम्मन नजरअंदाज कर चुकल बाड़न.
  • चिदम्बरम भाजपा के आरोप के बेहूदा बतवले बाड़न जबकि भाजपा चिदम्बरम के गलत काम का चलते उनुकर इस्तीफा के मांग पर अड़ल बिया.
  • कुडनकुलम परियोजना दू हफ्ता में चालू हो जाये के बाति कहले प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह. उनुका पूरा उमेद बा कि विरोध करे वाला लोग के समुझा लिहल जाई.
  • केन्द्र सरकार अन्ना हजारे के धीरज राखे के कहले बिया. ऊ प्रभावी लोकपाल ले आवे में लागल बिया आ अन्ना के आपन अनशन 27 दिसंबर से ना शुरु करे के चाहीं.
  • पश्चिम बंगाल के जहरीली शराब कांड में मरे वालन के गिनिती 171 भइल आ करीब नब्बे लोग अबहियो अस्पताल में पड़ल बा.
  • एगो मोबाइल ग्राहक के शिकायत पर केरल में त्रिशूर के एगो उपभोक्ता अदालत मुकेश अम्बानी का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कइले बावे.
  • भारत रूस से 42 गो सुखोई विमान के लाइसेंसी उत्पादन खातिर रूस से समझौता कइलसि.
  • मार्क्‍सवादी कम्युनिस्ट पार्टी प्रस्तावित खाद्य सुरक्षा विधेयक के मजाक करार देत माँग कइलसि कि दू रुपिया किलो का दर से 35 किलो अनाज दिहल जाव.
  • केरल के निजी अस्पताल में बढ़िया तनखाह खातिर नर्सन के आन्दोलन शुरु हो गइल.
  • भारतीय जनता पार्टी के विनोद तावड़े के महाराष्ट्र विधान परिषद में विपक्ष के नया नेता बनावल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • इंडोनेशियाई सेना यूरोप आ अमेरिका से डेढ़ अरब डॉलर के सैन्य उपकरण खरीदे वाला बा.
  • रूस में भगवद्गीता के उग्रवादी साहित्य करार देत ओह पर रूस में कानूनी रोक लगावे का बारे में अदालत के फैसला आवे के अनेसा बा.
  • फिलीपींस में आइल तूफान आ बाढ़ से करीब 50 लोग के मौत हो गइल बा.
  • नैंसी पॉवेल के भारत में अमेरिका के अगिला राजदूत नामित कइल गइल बा. भारत में अमेरिका के राजदूत के पद पिछल छह महीना से खाली बा.
  • शुक का दिने रूस के विश्व व्यापार संगठन में शामिल कर लिहल गइल. रूस ढेर दिन से एकर कोशिश करत रहुवे. एह बाति पर अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा रूस के राष्ट्रपति दमित्री मेदवेदेव के फोन पर बधाई दिहले.
  • ईरान चाहत बा कि श्रीलंका का साथे ओकर व्यापार बढ़े.
  • ब्रिटेन में ओह स्कूल के परिणाम देश भर में सबले बढ़िया रहल बा जहवाँ भारत के छात्र बहुतायत में बाड़े.
  • चीन सरकार कहले बिया कि ट्विटर जइसन माइक्रोब्लॉगिंग वेबसाइट्स पर लोग आपन असल पहचान दिहल करे.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • केरल जल परियोजना के विश्व बैंक से पौने आठ सौ करोड़ रुपिया के कर्जा मिलल.
  • शुक का दिने सेंसेक्स में 345 अंक के जबरदस्त गिरावट दर्ज भइल.
  • उपभोक्ता शिकायत के जल्दी समाधान खातिर केन्द्र सरकार कानून में संशोधन करे वाली बिया.

मनोरंजन का दुनिया से

  • विवाद में बनल रहे वाली पाकिस्तानी अभिनेत्री वीना मलिक काल्हु शुक का सबेरे से लापता बाड़ी आ अबही ले उनुकर पता नइखे लागत.
  • मशहूर पत्रिका प्लेब्वॉय के रूसी संस्करण के मॉडल रहल मारिया कोझेवनिकोवा संसदीय चुनाव जीत के रूस के सांसद बन गइल बाड़ी.
  • साल 84 के सिख विरोधी दंगा में नाम अइला का बाद बॉलीवुड अभिनेता अमिताभ बच्चन सिख गुरुअन से एह मामिला में क्लीन-चिट हासिल करे के पहल कइले बाड़न बाकिर सिख समुदाय के लोग उनुकर विरोध करत बा.

खेल के खबर

  • केन्द्र सरकार नियम कायदा में संशोधन करत खिलाड़ियन के भारत रत्न के सम्मान देबे के राह खोल दिहलसि. मेजर ध्यानचंद आ सचिन तेंदुलकर खातिर भारत रत्न के माँग ढेर दिन से होखत बा.
  • यूरो-2012 में खेले वाला इंग्लिश खिलाड़ी ओलम्पिक टीम में ना खेल पइहें. एह खिलाड़ीयन में जैक विल्सहीयर, फिल जोंस आ क्रिस स्मालिंग जइसन प्रतिभाशाली खिलाड़ियन के नाम शामिल बा.
  • सेंचुरियन टेस्ट में दुसरका दिने दक्षिण अफ्रीका मजबूत स्थिति में आ गइल बा आ अपना पहिला पारी में नौ विकेट के नुकसान पर 389 रन बना लिहले बा. ओकरा 209 रन के बढ़त मिल गइल बा जबकि एगो विकेट अबहियो बाचल बा.
  • सुपर सीरीज फाइनल्स में चीन के जिन वांग के हरा के भारत के सायना नेहवाल ग्रुप-बी में माथ पर चहुँपली.
  • भारतीय ओलम्पिक समिति अक्टूबर 2012 में होखे वाला दक्षिण एशियाई खेलन के टार दिहलसि आ साथही नवगठित खेल समितियन के भंग कर दिहलसि. दक्षिण एशियाई खेल अब 2013 में करावल जाई.
  • पाकिस्तान के क्रिकेट टीम के भारत दौरे के अबहीं कवनो संबावना नइखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up