नीक-जबून- 3

by | Oct 27, 2016 | 0 comments

डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल के डायरी

दीया-दियरी के दिन बहुरलRRM Vimal

तीन-चार दिन पहिले कपड़ा-ओपड़ा कीने खातिर निकलल रहीं जा. प्लेटफॉर्म प चढ़ते जवन लउकल, ओसे त चका गइलीं हम. जहाँ एक दिन पहिलहूँ खोजला पर पिछला जनम के दिया-दियरी मिलेले आ ऊहो जइसन-तइसन, ओहिजा रेलवे स्टेशन पर कई गो दियरी, रूई के बाती आ माचिस एक साथ पैक कइके मिल रहल बा आ ऊहो जगह-जगह पर. धन्य बाड़े भारतीय, भावना में बहिहें त सभ पीछा आ वैचारिकता में त पुछहीं के नइखे, दुनिया लोहा मानेले. नीक लागल. आतंकवाद केहूके भावे ना. चीन का उल्टा चलला के ई नतीजा ह कि बाजार के रुख बदलि गइल. अब बाजारो के सोचेके परी कि “जनविरोधी आ राष्ट्रविरोधी काम कइलऽ कि गइलऽ.” अब ना चाहीं केहूके चाक-चीक, दिये-दियरी से हमनी के काम चलि जाई. चलीं, अनासे एगो बड़हन काम हो गइल. कोंहार अपना शिल्पकला के कोसत-कोसत छोड़ेके स्थिति में आ गइल रहले हा. जइसहीं दीया-दियरी के दिन बहुरल कि उनुकरो मन हरियरा गइल आ अब त चानिये चानी बा. साँच कहीं त बरियार आदिमी ना होखे. समय होखेला. समये घाव देला आ ऊहे भरबो करेला.

दिवाली के परब नगिचाइल बा बाकिर मन में ऊ उत्साह नइखे. मन नइखे होत कि टीवी के समाचार देखल जाव. एगो डर समाइले रहता. सीमा पर भा कश्मीर से कवनो दुखदायी खबर जनि आओ. अइसना में जब केहूँ पाकिस्तानियन के तरफदारी करेला भा असहिष्णुता के बात करेला त हमरा नजर का सोझा जइसे सुग्रीव आ जाले. बड़ भाई दुश्मन के पिठियावत गुफा में ढुकि गइल आ साहेब दुआरी प एगो बरियार पत्थर ओठँघाके किष्किंधा लवटि अइले आउर निश्चिंत गद्दी पर बइठि गइले. आजु-काल्ह जेकरे के देखीं, शुरू हो जाता. स्वतंत्रता आ स्वच्छंदता के अंतर लोग भुलाए लागल बाड़े, कर्ट्सी-मैनर के त बाते छोड़ दीं. बढ़िया समय ना कहाई. तबो हर स्थिति में दिवाली धूमधाम से मनो- ईहे हम चाहबि. स्वदेशी से देश के भावना जुड़ रहल बा. देश अपना थाती के पहचाने आ याद करे लागल बा. ई शुभ बा. नीमन दिन अब दूर नइखे. हम त ईहे शुभकामना करबि कि जइसे दीया-दियरी के दिन बहुरल ओसहीं हर मनई के दिन बहुरो, समाज के समरसता भंग करेवाली प्रवृत्ति के विनाश होखो आ सभका मन में प्रेम, सम्मान आ सद्भाव के उजास होखो.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up