कांग्रेस के निमन लागे लागल मजहबी राजनीति

मुंबई पर भइल हमला का बावजूद देश के एगो मजहबी समुदाय पर आपन असर बढ़ावे खातिर कांग्रेस देश हित के तिलांजली दे दिहलसि आ मजहबी राजनीति करे में लाग गइल. ई निष्कर्ष तवना घरी भारत में रहल अमेरिका के राजदुत मलफोर्ड के बा. ऊ अपना विदेश विभाग के भेजल रिपोर्ट में लिखलें कि होखेवाला चुनाव में फायदा उठावे का मकसद से कांग्रेस अंतुले के ओह बयान के निंदा ना कइलसि जवना में अंतुले कहले रहलें कि करकरे के हत्या मालेगाँव विस्फोट से जुड़ल बुझात बा. मलफोर्ड इहो लिखले कि अगर कांग्रेस के लागे कि जाति धर्म के राजनीति से ओकरा फायदा मिल सकेला त ऊ  पूरा तइयारी का साथे वइसन करे में लाग जाई. विकीलिक्स के खुलासा में ई दस्तावेज जारी भइल बा आ अबहीं ले कांग्रेस के कवनो जवाब सामने नइखे आइल.
<input type=”hidden” name=”IL_RELATED_TAGS” value=”1″/>

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up