खबर एक नजर में (15 जून 2011)

by | Jun 15, 2011 | 0 comments

एह सदी के सबले लमहर चन्द्रग्रहण आजु

आजु रात १२ बज के ५० मिनट से शुरु होखे वाला चन्द्रग्रहण १०० मिनट तक रही. चन्द्रग्रहण के शुरुआत रात एगारह बज के बावन मिनट से शुरु हो जाई आ तीन बज के बत्तीस मिनट ले रही. एह सदी के ई सबले बड़हन चन्द्रग्रहण होखे जा रहल बा. एह बीच चन्द्रमा तरह तरह के रंग में आई. एहसे रात में जाग के चन्द्रग्रहण के देखल जरुरी बा. रोज रोज अइसन प्राकृतिक लीला ना होले.


बाबा के तबियत उनुका योग के हवा निकाल दिहलसि

बाबा रामदेव के अनशन का बाद के उतरल चेहरा देखि के आ डाक्टरी सलाह सुन के कि बाबा के अगिला कुछ दिन लें प्राणायाम आ योग करे से मना कइल गइल बा, आम आदमी के मन में बनल योग के छवि धूमिल भइल बा. बाबा जब अपने स्वास्थ्य अपना योग से ठीक ना कर सकसु त दोसरा के का ठीक करीहें ? एकरे के कहल जाला चौबे गइलन छब्बे बने दूबे बनि के अइलन. पड़लन राम कुकुर का पाले खींच खाँच ले गइलस खाले.


बड़कन का लड़ाई में लड़िकन के फजीहत

मगध विश्वविद्यालय आ वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपतियन के नियुक्ति के पटना उच्च न्यायालय गैरकानूनी बता दिहलसि त ऊ लोग सुप्रीम कोर्ट में चल गइल. जवना चलते ना त ऊ लोग प्रभार में बा ना दोसरा कुलपति के नियुक्ति हो रहल बा. सरकार कुलाधिपति राज्यपाल महोदय से कहलसि कि तबले प्रमंडलीय आयुक्तन के कुलपति के प्रभार दे दिहल जाव. बाकिर राज्यपाल महिदय कुछ सुनत नइखन. परिणाम ई बा कि विद्यार्थियन कें डिग्री नइखे मिल पावत आ शिक्षकन के तनखाह. देखल जाव महामहिम राज्यपाल कबले निर्णय लेत बाड़े.


बिहार के हॉकी टीम क्वार्टर फाइनल में

भोपाल में हो रहल पुरुष हॉकी चैम्पियनशिप का नॉक आउट में बिहार के टीम बंगाल के दू एक से हरा के क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइल बिया. एकरा पहिले ऊ लीग मैचन में दिल्ली आ आंध्र प्रदेश के हरवले रहल.


साईं बाबा के मंदिर का गेट पर हत्या

काल्हु रात शिरडी के साईं बाबा के मंदिर का गेट नम्बर तीन पर दू गो नौजवानन के लाश मिलल बा जवनन के बेरहमी से कत्ल कइल गइल बा. मंदिर हमेशा अपना भक्तन से गुलजार रहेला बाकिर एह घटना के देखे वाला भा एकरा बारे में बतावेला केहू ना मिलल.


हर विश्वविद्यालय में खोल जाई सेंटर आफ एक्सेलेंस

यूपी का हर विश्वविद्यालय में हर विषय के एगो सेंटर आफ एक्सेलेंस खोलल जाई जहाँ ओह विषय से जुड़ल हर तरह के जानकारी आ अध्ययन के सुविधा मौजूद करावल जाई. एह केन्द्रन के दोसरो विश्वविद्यालयन से आपस में जोड़ल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up