खबर एक नजर में (9 जुलाई 2011)

by | Jul 9, 2011 | 0 comments

यूपी बोर्ड के परीक्षा प्रणाली में फेरबदल

एह साल से यूपी बोर्ड के हाई स्कूल आ इण्टरमीडिएट परीक्षा प्रणाली में बड़हन फेर बदल कर दिहल गइल बा. अब हाई स्कूल में कक्षा नौ आ दस में लिखित परीक्षा सत्तर अंक के आ प्रायोगिक परीक्षा आ आन्तरिक मूल्यांकन खातिर तीस अंक तय कइल गइल बा. इन्टरमीडिएट में एक समान राष्ट्रीय पाठ्यक्रम लागू कर दिहला का चलते चार विषय के पाठ्यक्रम बदल जाई. ई विषय बाड़ी सँ गणित, रसायन शास्त्र, भौतिक शास्त्र, आ जीव विज्ञान. हाई स्कूल के परीक्षा साल २०१२ से आ इण्टरमीडिएट के परीक्षा साल २०१४ से एह नयका प्रणाली का आधार पर लिहल जाई.


चन्द्रशेखर के पूण्यतिथि मनावल गइल

देश के पूर्व प्रधानमंत्री आ बलिया से सांसद रहल चन्द्रशेखर के चउथका पुण्यतिथि पूरा श्रद्धा आ सम्मान का साथ काल कई जगहा खास कर के बलिया जौनपुर भदोही वगैरह में मनावल गइल. बलिया में कई जगह कार्यक्रम आ विचार गोष्ठी के आयोजन भइल. बलिया के चन्द्रशेखर उद्यान, पहिले के कंपनीबाग, में सर्व धर्म प्रार्थना सभा भइल. दिल्ली का राजघाट पर चन्द्रशेखर का समाधि पर सांसद नीरज शेखर अपना पूरा परिवार का साथे श्रद्धांजलि देबे चहुँपलन. बलिया महिला अस्पताल में मरीजन के फल बाँटल गइल.


बीएएड प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट त आ गइल बाकिर फीस…

यूपी के बीएड संयु्क्त प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट प्रकाशित हो गइल बा, काउंसिलिंग के तारीख आ केन्द्र के एलान हो चुकल बा बाकिर ई जानकारी अबहियो केहू का लगे नइखे कि फीस कतना देबे के पड़ी खास कर के ओह लोग के जेकरा निजी कॉलेज में प्रवेश लेबे के पड़ी. पिछला साल निजी कॉलेजन में तीस हजार से लेके पचास हजार रुपिया तक फीस लागल रहे. अबकि कतना होखी ई तय करे के काम पिछला छह महीना से हो रहल बा आ जानकारी नदारद बा.


बिहार में संगीत आ कृषि के पचास हजार शिक्षकन के बहाली होखी

बिहार में पचीस हजार स्कूलन में खेतीबारी के पढ़ाई आ संगीत, हस्तकला, आर्ट एंड क्राफ्ट वगैरह के पढ़ाई शुरु कइल जाई. एह खातिर बिहार में एह विषयन में कुल मिला के पचास हजार शिक्षकन के बहाली कइल जाई.


गेट्स फाउण्डेशन का तरफ से टेलीमेडिसिन सेन्टर खुली

बिहार राज्य में डायरिया, निमोनिया, कालाजार, आ टीबी के रोकथाम खातिर पचीस जिलन में बारह सौ पचास गो टेली मेडिसिन सेंटर खोलल जाई जहवाँ देश विदेश के नामी डाक्टर एह बीमारियन के अध्ययन करीहे आ मरीजन के इलाज करीहे. गेट्स फाउण्डेशन के एह योजना खातिर बारह हजार स्वास्थ्य कार्यकर्ता के बहाल आ प्रशिक्षित कइल जाई. पहिला बेर बिहार में अतना बड़हन पैमाना पर विदेशी संस्थान शोध करे आ रहल बाड़े.


दू हजार इंजीनियर आ गैर तकनीकि कर्मचारियन के बहाली

बिहार राज्य में योजना आ विकास विभाग दू हजार इंजीनियरन आ गैर तकनीकि कर्मचारियन के बहाली करे जा रहल बा. एकर प्रक्रिया जल्दिये शुरु होखे के उमेद बा.


सिपाही बहाली के हरी झंडी

यूपी में एकतालीस हजार सिपाहियन के बहाली कइल जाई. बहाली पहिले का तरह जिला मुख्यालयन पर होई. अगिला महीना से भरती के काम शुरु कर दिहल जाई.विज्ञापन अगस्त के पहिला हफ्ता में निकली आ अक्टूबर तक बहाली के काम पूरा कर के अक्टूबर से रंगरूटन के ट्रेनिंग के काम शुरु करा देबे के योजना बा. अबही पहिले से बहाल ३५ हजार सिपाहियन के ट्रेनिंग दिहल जा रहल बा. साढ़े तीन हजार दरोगो के बहाली होखे वाला बा.


रणबीर सेना मुखिया रिहा

बिहार के नक्सल विरोधी रणबीर सेना के मुखिया बरमेश्वर मुखिया के काल्हु नौ साल बाद जमानत पर रिहा कइल गइल त उनुका स्वागत में आरा जेल का गेट पर सैकड़ो समर्थक स्वागत में मौजूद रहले. बरमेश्वर मुखिया पर नरसंहार आ हत्या के कई गो आरोप लगावल गइल बा.


आजु एगो नया देश बने जा रहल बा

साउथ सूडान नाम के एगो नया देश के जनम काल्हु अधरतिया के भइल. एकर औपचारिक घोषणा आजु सूडान के राष्ट्रपति उम,र अल बसीर करीहें. एह कार्यक्रम में भारत का तरफ से उपराष्ट्रपति मोहम्मद हामिद अंसारी शामिल होखीहे. कार्यक्रम दक्षिण सूडान के राजधानी जूबा में संपन्न होखी. दसियन साल से आजाद होखे के लड़ाई में करीब पन्द्रह लाख लोग शहीद भइल बा. एह नयका देश के मिला के अब संयुक्त राष्ट्र मे १९३ गो देश हो गइल.


कपिल सिब्बल छनछना गइल बाड़न

सुप्रीम कोर्ट में दायर एगो जनहित याचिका में कपिल सिब्बल पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ अनिल अंबानी के दूर संचार कंपनी एडीएजी के फायदा चहुँपावे खातिर देश के ६४५ करोड़ रुपिया के नुकसान करा दिहले.एह आरोप का बाद छनछनाइल कपिल सिब्बल कहत बाड़न कि ई सब उनकर छवि खराब करे खातिर कइल जा रहल बा. कहलन कि जनहित याचिका के दुरुपयोग ना होखे के चाहीं.


नया सिक्का जारी भइल

काल्हु वित्त मंत्री पचास पैसा, एक रुपिया, दू रुपिया, पाँच रुपिया आ दस रुपिया के नया सिक्का जारी कइलन. एह सिक्कन पर रुपिया के नयका संकेत चिह्न बनल बा आ एह चिह्न का साथ निकले वाला ई पहिला सिक्का होखीहें सँ एह से सिक्का संग्रहण करे वालन खातिर ई सिक्का खास रहीहे सँ. एह सिक्कन के आकार आ वजन पहिले से कम बा आ एकनी के नकली सिक्का बनावल मुश्किल होई.


टेस्ट मैच में भारत के स्थिति मजबूत

काल्हु खेल खतम होखे तक भारत छह विकेट का नुकसान पर ३०८ रन बना लिहले रहल आ वेस्ट इंडीज पर अब ओकर १०४ रन के बढ़त बन गइल बा. चउथा दिने वेस्ट इंडीज के दुसरका पारी के शुरुआत करा के भारत के कोशिश रही कि ओकरा के हरा दिहल जाव काहे कि भारत का हाथ में अबहियो चौदह गो विकेट बा.


Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up