गुजरात मामिला पर कांग्रेस अउर भाजपा में तनातनी

by | Aug 13, 2011 | 0 comments

नई दिल्ली/गांधीनगर, 12 अगस्त (आईएएनएस). गुजरात में भारतीय प्रशासनिक सेवा (आईपीएस) के अधिकारियन आ राज्य सरकार का बीचे चलत विवाद पर केन्द्रीयय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम काल्हु शुक का दिने कहलन कि यदि अधिकारी केन्द्र सरकार से कहसु त केंद्र सरकार एह मामिला में दखल दे सकेले. बाकिर ओह लोग के कुछ कहला बिना केन्द्र सरकार कुछ ना कर सके.

चिदम्बरम के एह बयान पर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) कांग्रेस पर आरोप लगवले बिया कि ऊ राज्य सरकार का खिलाफ साजिश रचत बिया. ओने गुजरात सरकार के प्रवक्ता कहले बाड़न कि गृहमंत्री राज्य के अधिकारियन के बगावत खातिर उकसावत बाड़न.

भाजपा नेता अरुण जेटली के एह मसला पर कहना बा कि “केंद्र सरकार बड़का भाई ना ह जे ऊ एह मामिला में दखल देव.” ऊ इहो कहले कि राज्य सरकार के कर्तव्य होला कि अपना अनुशासनहीन अधिकारियन का खिलाफ
कार्रवाई करे. जेटली केंद्रीय गृह मंत्री के बयान के भाजपा सरकार के अस्थिर करे वाला केंद्र के कोशिशन के ‘दस्तावेजी सुबूत’ बतवलन, कहलन कि एहमें तनिको संदेह नइखे रहि गइल कि कांग्रेस पार्टी अउर केंद्र सरकार अनुशासनहीनता के प्रोत्साहित करे के कोशिश करत बाड़े. ऊ इहो कहलन कि यदि कांग्रेस एह मामिला में दखल दिहल जारी रखलसि त दुनु पार्टियन का बीच विवाद के ई एगो गम्भीर मुद्दा हो जाई.

ओने कांग्रेस प्रवक्ता मनीष तिवारी रहस्य उजागर करे वाला अधिकारियन के हिफाजत करे खातिर केंद्र सरकार के दखल के मांग कइले. कहले कि “ई सब कुछ इशारा करऽता कि हताश गुजरात सरकार सच्चाई छुपावे राखे खातिर बेसी मेहनत करत बिया आ हमार मानना बा कि भारत सरकार अउर सर्वोच्च न्यायालय के रहस्य उजागर करे वाला अधिकारिये के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर सक्रिय होखे के पड़ी.”

एह बीच राज्य सरकार के प्रवक्ता के कहना बा कि “जानबूझ के अधिकारियन का बारे में एइसन बतावे के कोशिश हो रहल बा कि न्यायालयन अउर आयोगन का सोझा गवाही दिहला का चलते ऊह लोग के दंडित कइल जा रहल बा. जबकि वास्तविकता एह से उलट बा काहे कि ऊ जांच अधिकारी के सीडी नइखन दिहले आ जांच में बाधा डलले बाड़े.”

प्रवक्ता के मुताबिक, “राज्य सरकार जांच आयोग का सोझा शर्मा के गवाही के कबहियो विरोध ना कइलसि आ ना ही सर्वोच्च न्यायालय के नियुक्त विशेष जांच दल (एसआईटी) का सोझा पेश होखला पर आपत्ति कइलसि.” दुनु प्रवक्ता कहले बाड़न कि “कांग्रेस पार्टी के नजरिया देश के संघीय प्रशासन खातिर खतरा बा आ अइसनका अधिकारियन के हिफाजत करे खातिर कांग्रेस पार्टी अपील करके राज्य सरकार का खिलाफ विद्रोह भड़कावे खातिर ऊह लोग के उकसवले बिया.”

बतावे लायक बा कि गुजरात के तीन गो आईपीएस अधिकारी संजीय भट्ट, राहुल शर्मा आ रजनीश राय मोदी सरकार पर आरोप लगवले बाड़न कि ऊ ओह लोग के आपन शिकार बनावत बिया. एह तीनो के कहना बा कि साल 2002 के दंगा आ कथित फर्जी मुठभेड़ मामिला में राज्य सरकार कार्रवाई ना कइलसि.

इंडो-एशियन न्यूज सर्विस

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up