टटका खबर, अतवार, १ अप्रेल २०१२

by | Apr 1, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • काल्हु शनिचर का दिने जारी जनगणना के आंकड़ा का हिसाब से पिछला दस साल में राज्य के आबादी बत्तीस फीसदी बढ़ के चार करोड़ इक्यावन लाख बहत्तर हजार चार सौ तैंतालीस हो गइल बा. विकास का बारे में जनगणना के आंकड़ा बतावत बा कि अबहियो अधिका लोग किरासन तेल पर निर्भर बा रोशनी खातिर. आ सैंतालीस फीसदी से बेसी परिवार अबहियो लकड़ी का चूल्हा पर खाना पकावेलें.
  • केन्द्र सरकार राज्य सरकार के अनुमति दे दिहलसि कि बाढ़ नियंत्रण के कामो अब मनरेगा में करावल जा सकेला.
  • केन्द्र सरकार इहो कहले बिया कि मनरेगा में भइल गड़बड़ियन के सीबीआई जाँच करावे के चाहीं. सभ जगहा ना त कम से कम गोण्डा, सोनभद्र आ बलरामपुर जिला में.
  • चइत नवरात्रि आजु अतवार का दिने कन्या भोज का साथे खतम हो जाई. प्रदेश के देवी मंदिरन में भक्तन के भारी भीड़ उमड़त बा. मिर्जापुर के विंध्याचल धाम में श्रद्धालु लाइन में लागल अपना बारी के इंतजार करत बाड़े.
  • अयोध्या में लाखों श्रद्धालु काल्हु शनिचर का दिने भगवान राम जन्मोत्सव में शामिल भइले. उदया तिथि के माने वाला मंदिरन में रामनवमी आजु मनावल जाई.
  • भोजपुरी कवि स्व॰ पंडित धरीछन मिश्र के ११२वीं जयन्ती पर शनिचर का दिने उनुका के श्रद्धांजलि दिहल गइल. मिश्रजी के पैतृक गाँव कुशी नगर का बरियारपुर में जयंती मनावल गइल. उनुकर लिखल कविता “कवना दुखे डोली में रोवति जाति कनिया” विश्वविद्यालयन के पाठ्यक्रम में शामिल बा.

बिहार

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शनिचर का दिने कहलन कि बिहार के नदियन के पानी बिहारे में इस्तेमाल होखी. दोसरा राज्यन के एकर इस्तेमाल ना करे दिहल जाई.
  • पाँच दिन ले चलल भाकपा के २१वाँ राष्ट्रीय महाधिवेशन शनिचर का दिने खतम हो गइल. एह अधिवेशन में महँगाई वगैरह मुद्दा पर जनसंघर्ष करे के आवाहन कइल गइल. बिहार सरकार के आलोचना करत कहल गइल कि पिछला सात साल में बिहार के औद्योगीकरण का दिसाईं कवनो प्रगति नइखे भइल. वास्तविकता में आजु ले एकहु चीनी मिलल ना खुल सकल जबकि सरकार के बायदा रहे कि सगरी बंद चीनी मिलन के फेर से चालू कइल जाई.
  • सीबीआई अदालत पूर्णिया के भाजपा विधायक राज किशोर चौधरी के हत्या मामिला में शिक्षिका रूपम पाठक के दोषी करार दिहलसि. अब दस अप्रेल के सजा सुनावल जाई.
  • पूर्वी चंपारण के सरोतर गाँव में एगो औरत अपना दू गो छोटकन के जहर खिया के फरार हो गइल बिया. जहर से एगो बचवा के मौत हो गइल जबकि दुसरका के इलाज जारी बा.
  • रोतास के जोरावरपुर गाँव में एगो फर्नीचर व्यवसायी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
  • रामनवमी के अवसर पर जुटे वाला भारी भीड़ के धेयान में राखत शुक का बारह बजे रात से पटना महावीर मंदिर के पट खोल दिहल गइल रहे आ शनिचर के भर दिन भक्तन के भारी भीड़ दर्शन आ प्रसाद चढ़ावे खातिर मंदिर पर जुटल रहल.
  • पूर्वी चंपारण के चकिया इलाका के पलटू बेलवा गाँव में आग लगला से पचीसन झोपड़ी राख हो गइल.
  • सिवान इंजीनियरिंग कॉलेज के बीटेक के विद्यार्थी इम्तिहान में कम नम्बर मिलला से नाराज हो के जम के बवाल मचवले.आ तोड़फोड़ कइले
  • बक्सर के सिमरी गाँव के लोग पर लगावल सामूहिक जुर्माना के गृह सचिव खतम कर दिहले. सरकारी संपति के भइल नुकसान से नाराज जिलाधिकारी सगरी गाँव वालन पर सामूहिक जुर्माना लगा दिहले रहले.

देश

  • संयु्क्त राष्ट्र लोकतंत्र कोष में भारत चालीस लाख डॉलर के अभिदान दिहलसि. साल २००५ में एकर स्थापना से ले के अबले भारत एह कोष के ३ करोड़ डॉलर दे चुकल बा.
  • आजु से रेलगाड़ी के एसी फर्स्ट आ एसीटू के भाड़ा बढ़ गइल बा. जे पुरनका दर से पहिले से टिकट कटवले बा ओकरा टीटीई के ई राशि देबे के पड़ी.
  • जयललिता अपना सखी शशिकला के फेर अन्नाद्रमुक में शामिल कर लिहली. कुछ महीना पहिले शशिकला के पूरा परिवार समेत पार्टी से निकाल दिहले रहुवी.
  • रामनवमी का त्योहार पर राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री राष्ट्र के बधाई दिहले.
  • सहायता मँगले बावे भारत.

  • पश्चिम बंगाल में संतरागाछी टीसन का नियरा रेल लाइन पार करत पाँच लोग राँची हावड़ा इंटरसिटी एक्सप्रेस से कटा गइले.
  • केन्द्र सरकार से ममता बनर्जी राष्ट्रीय आतंकवाद निरोधक केन्द्र पर बतियावे खातिर अउरी समय मँगले बाड़ी.

दुनिया

  • थाईलैंड में तीन गो बम विस्फोट से नाहियो त दस जने के मौत हो गइल आ सौ से अधिका लोग घवाहिल हो गइल.
  • यमन में सेना के चेकपोस्ट पर भइल हमला में नाहियो त तीस गो सैनिक मरा गइले. हमला करे वाला अल कायदा से जुड़ल आतंकवादी रहले.
  • सीरिया सरकार के कहना बा कि जबले शांति नइखे हो जात तबले सेना रिहाइशी इलाकन में बनल रही.
  • पाकिस्तान में भइल कुछ गोलीबारी के घटना में चौदह लोग के मारल जाये के अनेसा बा.
  • नई दिल्ली में इजरायली राजनयिक का कार पर भइल हमला के तीन गो ईरानी आरोपियन के पकड़े खातिर ईरान से

बिजनेस

  • रिजर्ब बैंक कहलसि कि राज्य सरकारन के वित्तीय हालत पर ध्यान दिहल जरूरी बा.
  • शनिचर अधरतिया से हवाई जहाज के ईंधन के दाम में तीन फीसदी इजाफा हो गइल बा. बाकिर आम आदमी के कामे आवे वाला पेट्रोल किरासन डीजल के दाम ना बढ़ावल गइल. पहिले अनेसा जतावल जात रहे कि तेल कंपनी शनिचर का दिने अपना बइठका में तेल के दाम बढ़ा दीहें.
  • बिहार, हरियाणा आ मध्य प्रदेश में बिजली दर बढ़ा दिहल गइल बा. बिहार में पाँच से बारह फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा. जबकि मध्यप्रदेश में सात फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा. हरियाणा में दस से पंद्रह फीसदी दाम बढ़ावे के घोषणा भइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up