टटका खबर, बुध, 2 मई 2012

by | May 2, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • कोटा के अनाज बाहर भेजे का आरोप मे सीबीआई काल्हु लखीमपुर खीरी में तीन गो गल्ला व्यापारियन के गिरफ्तार कर लिहलसे. एह मामिला में अबही ले अठारह जने गिरफ्तार हो चुकल बाड़े.
  • एनआरएचएम घोटाला में गिरफ्तार बाबू सिंह कुशवाहा समेत नौ गो आरोपियन के हिरासत पन्द्रह मई ले बढ़ा दिहल गइल बा.
  • मायावती पर आमदनी से बेसी के संपति राखे का मुकदमा में काल्हु सु्प्रीम कोर्ट आपन फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • सु्प्रीम कोर्ट यूपी आ उत्तराखंड के मुख्यमंत्री रह चुकल आ राज्यपाल रहल नारायनदत्त तिवारी के निर्दैश दिहलसि कि ऊ आपन डीएनए जाँच करावे से मुकर ना सकसु. उनुका ई जाँच करवावहीं के पड़ी.
  • काल्हु चंदौली में भोजपुरी कवि रामजियावन दास बावला आ गोरखपुर में भोजपुरी साहित्यकार आचार्य प्रतापादित्य के निधन हो गइल. पूरा समाचार अँजोरिया पर पढ़ीं.
  • मिर्जापुर के नक्सल प्रभावित इलाका में विकास के काम खातिर चार सौ करोड़ रुपिया के योजना के स्वीकृति मिलल आ तीस करोड़ रुपिया अवमुक्त कर दिहल गइल.
  • प्रदेश सरकार तय कइले बिया कि अब कवनो किसान के जमीन के कर्जा वसूली का नाम पर कुर्की जब्ती ना कइल जाई.

बिहार

  • स्थानीय निकाय चुनाव खातिर आजु नाम वापसी के आखिरी दिन ह आ आजुवे चुनाव चिह्न बाँट दिहल जाई. चुनाव आयोग के निर्देश बा कि छह महीना से फरार अभियुक्तन के परचा खारिज कर दिहल जाव. दागी प्रत्याशी के परिजनो के चुनाव लड़े पर रोक लगावे के कहले बावे आयोग.
  • बिहार में पुलिस व्यवस्था में बदलाव करत विधि व्यवस्था आ अनुसंधान के अलग कर दिहल गइल बा. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि आवे वाला समय में ई फैसला मील के पत्थर साबित होखी. अबसे हर थाना में विधि व्यवस्था आ अनुसंधान खातिर अलग अधिकारी होखीहें.
  • तंबाकू सेवन पर रोक लगावे के एगो खास योजना का तहत देश के दस गो राज्यन के दू दू गो जिला चुनल गइल बा जहवाँ तंबाकू सेवन पर पूरा रोक लगावल जाई. बिहार में एह काम खातिर पटना आ मुंगेर के चुनल गइल बा.
  • काल्हु आइल आंधी तूफान से किशनगंज जिला में चार आदमी के मौत हो गइल बा आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • आजु से बिहार मदरसा बोर्ड के फोकानिया आ मौलवी के सालाना इम्तिहान शुरू भइल बा जवन चौदह मई ले चली.
  • सासाराम के मीना बाजार में काल्हु आग लगला का चलते चार गो दुकान के लाखो के सामान जर गइल.
  • पूर्व मध्य रेलवे अपना टीसनन पर इंटरनेट के मुफ्त सुविधा देबे खातिर योजना बनवले बिया. एह सुविधा के लाभ उठावे खातिर सवारी टीसन पर बतावल नंबर पर एसएमएस भेजके यूजर नेम आ पासवर्ड ले पइहें.

देश

  • पहली मई से देश में ईकचरा नियन्त्रण लागू हो गइल बा. अब पुरान टेलीविजन, मोबाइल, कंप्यूटर वगैरह देश के तिहत्तर गो अधिकृत संस्थान में भेजे के पड़ी जे ओकरा के रिसाइकिल करीहें. ई रोक अब आमो आदमी पर लागू हो गइल बा.
  • गुजरात के 52वाँ स्थापना दिवस के समारोहो में भाजपा आ कांग्रेस जमके एक दोसरा पर निशाना लगवले.
  • ए के एंटोनी का अध्यक्षता में बनल हार के समीक्षा खातिर कांग्रेस पार्टी के कमिटी अपना रिपोर्ट में कहले बिया कि बेमतलब बयानबाजी का चलते यूपी में कांग्रेस हारल.
  • लागत बा कि देश के अगिला राष्ट्रपति कवनो मुसलमाने होखी काहे कि मुसलमान वोट बैंक हथियावे का लालच में सगरी सेकूलर दल कवनो ना कवनो मुसलमाने के नाम लेत सुनात बाड़े. सबले बेसी संभावना मौजूदा उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी के बा जिनका पक्ष में सपा आ वाम दल सामने आवत लउकत बाड़े. एही वोट पालिटिक्स का चलते जदयू भाजपा से आपन अलग रुख देखावत बावे.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल कहले बाड़न कि ऊ उपराष्ट्रपति के चुनाव ना लड़ीहें आ भाजपा का साथे मिल के फैसला लीहें.
  • झारखंड में काल्हु होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में भाजपा के प्रत्याशी एसएस अहलूवालिया मैदान में अड़ल बाड़े जबकि झामुमो अबहियो जिदियाइल बा कि भाजपा उनुका के हटावे.
  • काल्हु अन्ना हजारे कहलें कि लोकसभा चुनाव के घोषणा होते ऊ बड़हन पैमाना पर जन आंदोलन शुरू करीहें. अबहीं ऊ महाराष्ट्र में लोकायुक्त विधेयक खातिर अपना अभियान पर निकलल बाड़े.
  • बाबा रामदेव के कहना बा कि देश से बाहर गइल करिया धन वापिस लवटि आवे त हर हिन्दुस्तानी करोड़पति बन जाई.
  • सु्प्रीम कोर्ट व्यवस्था दिहलसि कि कवनो सैनिक अधिकारी पर केन्द्र सरकार के अनुमति बिना मुकदमा ना चलावल जा सके.
  • असम के नौका दुर्घटना में मरल लोग खातिर प्रधानमंत्री कोष से दू दू लाख आ राज्य सरकार का तरफ से डेढ़ डेढ़ लाख रुपिया के सहायता के एलान भइल बा.
  • इसरो रेल विभाग के अनुमति दे दिहलसि कि ऊ रेलगाड़ियन में बिना डाटा कार्ड के इंटरनेट सुविधा दे सकेला. ई सुविधा उपग्रह के माध्यम से दिहल जाई. रेलगाड़ी के इंजन पर एंटेना लगावल जाई आ वाई फाई से रेल डिब्बन के भीतर सवारियन के इंटरनेट सुविधा मिल पाई.
  • नुपूर तलवार के जमानत अर्जी आजु अदालत खारिज कर दिहलसि. अब उनुका सुप्रीम कोर्ट जाए के पड़ी जमानत खातिर.

बिजनेस

  • वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के अध्यक्षता वाला मंत्रिसमूह टू जी स्पैक्ट्रम के फेर से नीलामी करेवाला के चुने के प्रक्रिया शुरू कर दिहलसि. एह नियुक्ति खातिर निविदा मंगावल जाई.

खेल

  • काल्हु भइल आई पी एल बीसबीसा मैच में डेल्ही डेयर डेविल्स राजस्थान रॉयल्स के छह विकेट से हरा दिहलसि. दोसरका मैच में डेक्कन चार्जर्स पुणे वॉरियर्स इंडिया के तेरह रन से हरवलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up