टटका खबर, शनिचर, २४ मार्च २०१२

by | Mar 25, 2012 | 0 comments

शिक्षा

  • यूपी के हर प्रखंड में आईटीआई खोले के बात व्यावसायिक शिक्षा मंत्री ब्रह्मा शंकर त्रिपाठी कहले बाड़न. अबहीं राज्य में सरकारी आ निजी मिला के साढ़े बारह सौ औद्योगिक शिक्षण संस्थान बाड़ी सँ.
  • पोस्ट ग्रेजुएट मेडिकल कोर्स खातिर ऑन लाइन काउंसलिंग प्रक्रिया के सुप्रीम कोर्ट मंजूरी दे दिहलसि. अब जम्मू-कश्मीर आ आंध्र प्रदेश छोड़के देश के सगरी मेडिकल कॉलेजन में पीजी सीट ऑनलाइन काउंसलिंग से भरल जाई.

मनोरंजन

  • भोजपुरी फिलिम “बिदेसिया” के निर्माता, निर्देशक, कहानी लेखक, आ प्रबंधक पर भिखारी ठाकुर के वारिस राजेन्द्र ठाकुर छपरा सीजेएम कोर्ट में केस दाखिल करवले बाड़न कि ऊ लोग बिना इजाजत बिदेसिया पर फिल्म बना के कॉपीराइट कानून लँघले बा लोग. राजेन्द्र ठाकुर के बिहार राष्ट्रभाषा परिषद “भिखारी ठाकुर रचनावली” के रायल्टी देबेले.

उत्तर प्रदेश

  • काल्हु शुक का दिने बनारस के ड़ीएलडब्ल्यू मजदूर संघ के प्रतिनिधि डीजल रेल कारखाना के महाप्रबंधक से मिल के आपन माँग पत्र दिहले जवना में यूनियन के चुनाव खातिर गुप्त मतदान, जल्दी से चुनाव, आ कर्मचारियन के मिले वाला कपड़ा आ जूता के गुणवत्ता बढ़ावे के माँग शामिल रहे. इहो कहल लोग की डीरेका रंगशाला में दर्शक दीर्घा बनावल जाव. एह प्रतिनिधि मंडल में डीएलडब्ल्यू मजदूर संघ के अध्यक्ष नरेन्द्र कुमार मिश्र, महामंत्री राधा वल्लभ त्रिपाठी, पीकेएन सिंह, पी के राय, अखिलेश राय, कृष्णमोहन तिवारी, अविनाश पाठक वगैरह शामिल रहलें.
  • मुलायम सिंह के अनेसा बा कि लोकसभा के मध्यावधि चुनाव कबहियो हो सकेला एहसे ऊ अपना पार्टी के सरकार से कहले बाड़न कि सगरी चुनावी वादा साल भर का भीतरे पूरा कर दिहल जाव. मुलायम चाहत बाड़न कि लोकसभा के अगिला चुनाव में यूपी के सगरी सीट जीत के सपा केन्द्र में सरकार बनावे के हैसियत में आ जाव.
  • कुशीनगर में केन्द्र का सहयोग से एक सौ छात्रन के रहे खातिर दलित वर्ग के छात्रावास बनावल जाई.
  • संत कबीर के निर्वाण स्थली मगहर में आजु शनिचर से छह दिन चले वाला मगहर महोत्सव के शुरूआत हो गइल.
  • एनआरएचएम घोटाला का बाद अब हेल्थ सिस्टम डेवलपमेंट खातिर विश्व बैंक से मिले वाला सात सौ तिरसठ करोड़ रुपिया राज्य सरकार के भेजल जाई जे अपना को षागार से ई राशि जारी कइल करी. पहिले सगरी धन स्टेट हेल्थ सोसाइटी के भेजल जात रहुवे.
  • जावेद उस्मानी आजु से राज्य के प्रमुख सचिव के कार्यभार सम्हार लिहले. पहिले मुख्य सचिव रहल अनूप मिश्रा के परिवहन निगम के अध्यक्ष बनावल गइल बा.
  • समाजवादी पार्टी आजु राज्य भर में आपन सगरी प्रकोष्ठ भंग कर दिहलसि. बाकिर अध्यक्ष लोग अपना पद पर बनल रही.

बिहार

  • राज्य में बहुते पुलिस अधिकारियन के तबादला कर दिहल गइल. अब अमृतराज के पटना के सीनियर एस पी बनावल गइल बा. तबादला भइल अधिकारियन में आईजी, डीआईजी, एडीजी वगैरह शामिल बाड़े.
  • गोपालगंज केसरिया का बीच डेढ़ किलोमीटर लमहर पुल बनावे के मंजूरी मिल गइल बा. अगिला साल एकर निर्माण शुरू कर दिहल जाई.
  • सिवान में दिल्ली के जेनयू छात्र संघ के अध्यक्ष रहल चंद्रशेखर के हत्या करे का मामिला में तीन जने के उमिर कैद सुनावल गइल बा. एह लोग के नाम हवे ध्रुव प्रसाद, इलियास वारसी आ शेख मुन्ना. एह लोग पर चालीस चालीस हजार रुपिया के जुर्मानो लगावल गइल बा.

देश

  • नक्सलियन के ताजा हिंसा आ अपहरण कइला का चलते बिचवनिया लोग से सरकार के बात रोक दिहल गइल. इटली के दू गो अपहृत नागरिकन के छोड़ावे खातिर बिचवनियन से बात चलते रहुवे कि नक्सली फेर एगो पुलिस अधिकारी के मलकानगिरी में हत्या कर दिहले आ बीजू जनता दल के विधायक झीना हिकाका के अपहरण कर लिहले.
  • मणिपुर में दू गो अउरी उग्रवादी गुट शांतिप्रक्रिया में शामिल हो गइल बाड़े ई हवें युनाइटेड ट्राइबल लिब्रेशन आर्मी-यूटी एल ए अउर पक्कन रियुनिफीकेशन आर्मी-पी आर ए. अब कुल बाइस गो गुट एह शांतिप्रक्रिया में शामिल हो गइल बाड़े.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा के खिलाफ लोकायुक्त अदालत में चलत सुनवाई १८ अप्रैल ले टार दिहल गइल. आजु के सुनवाई में येदियुरप्पा आ अउरी आरोपी मौजूद रहले.
  • लोकपाल विधेयक पर आम सहमति बनावे में लागल केन्द्र सरकार के उमेद बा कि ई विधेयक संसद के मौजूदा सत्र में पारित करा लिही.
  • शुक का दिने केन्द्र सरकार हिंदू विवाह अधिनियम में बदलाव करे के मंजूरी दे दिहलसि जवना का बाद अब तलाक लिहल पहिले से आसान हो जाई. साथ ही तलाक का बाद बिआह बरकरार रहते बटोरल खरीदल संपति में औरत के हिस्सा मिली. गोद लिहल लड़िका भा लड़िकी के अब नैसर्गिक संतान का तरह सगरी हक मिली.
  • राष्ट्रपति श्रीमती प्रतिभा देवीसिंह पाटील शुक का दिने महाराष्ट्र का जलगांव में एगो हवाई अड्डे के उद्घाटन कइली.

दुनिया

  • संयुक्त राष्ट्र में श्रीलंका का खिलाफ मतदान कइला का बाद भारत श्रीलंका के भरोसा दिहले बा कि ऊ मजगर आ संपन्न श्रीलंका के निर्माण में सहायता जारी राखी.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह दक्खिन कोरिया के चार दिन के सरकारी यात्रा पर आजु साँझ सिओल चहुँप गइलन. ओहिजा दक्खिन कोरिया के विदेश मंत्री किम सुंग हान आ सिओल में भारत के राजदूत विष्णु प्रकाश उनुकर अगवानी कइलन. राष्ट्रपति उनुकर औपचारिक स्वागत अतवार का दिने एगो समारोह में करीहें.
  • यूरोपीय संघ सीरिया के राष्ट्रपति बशर-अल-असद के परिजन पर ताजा प्रतिबंध लगवले बावे. साथ ही यूरोपियन कंपनियन के मना कइल गइल बा कि दू गो सीरियाई तेल कंपनियन से कवनो सौदा मत करसु.
  • खाड़ी क्षेत्र में दुबई, अबुधाबी, कतर अउर सऊदी अरब खातिर एयर इंडिया आपन उड़ान बढ़ावे के फैसला कइलसि. दुबई रूट पर ९४ का बदले १०९, अबुधाबी रूट पर ३० का बदले ४७, शारजाह रूट पर ३३ का बदले ४९ आ दोहा रूट पर १२ का बदले २१ उड़ान होखल करी.
  • अफगानिस्तान सरकार उच्च शिक्षा खातिर भारत आ तुर्की जाये वाला विद्यार्थियन के संख्या दुगुना करे के सोचत बिया.
  • भारत अपना नागरिकन से माली में चउकस रहे के सलाह दिहले बावे काहे कि ओहिजा अबही बागी सैनिक शासन का दौरान हालात अशांत बावे.

खेल

  • सासाराम में भइल वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के अंतर कालेज महिला कबड्डी के फाइनल एम वी कॉलेज बक्सर के टीम जीट लिहलसि. एस बी कालेज आरा के टीम हार गइल.
  • चेक गणराज्य में होखत ४३वीं ग्रां प्री मुक्केबाजी प्रतियोगिता के ५६ किलोग्राम भार वर्ग के फाइनल में भारत के शिव थापा इटली के विटोरिया जाहिन पारिनेलो से मुकाबिला करीहें.
  • भारत के लिएंडर पेस आ चैक गणराज्य के राडेक स्टेपानेक के जोड़ी मियामी मास्टर्स टेनिस टूर्नामेंट के प्री-क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बा.

बिजनेस

  • वित्तमंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि आवे वाला दिन में कुछ अउर कड़ा फैसला करे के पड़ सकेला काहे कि सरकार चाहत बिया कि आर्थिक विकास दर के सही कइल जा सके.
  • बंदरगाहन के बढ़न्ती खातिर निजी क्षेत्र के भागीदारी बढ़ावल जाई.
  • देश के अनेके हिस्सा में सर्राफा आ आभूषण बाजार आज आठवो दिने बंद रहल. ओह लोग के सबले बड़का विरोध एह बात पर बा कि दू लाख से बेसी के आभूषण खातिर चेक से बिक्री आ पैन नंबर लिखल जरूरी बना दिहल गइल बा. एहसे काला धन एह क्षेत्र में औतना आराम से ना आ सकी जतना आवत रहल हऽ. उत्पाद शुल्क के बढ़ोतरी के विरोध त देखावे खातिर होखत बा.
  • अगिला महीना से चेक आ ड्राफ्ट के वैधता दस्तखत करे से तीने महीना ले रही. पहिले ई छह महीना ले वैध रहत रहुवे.
  • शुक का दिने शेयर बाजार बढ़त ले के बंद भइल जवना के तकनीकी सुधार कहल जा सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up