टटका खबर, सोमार, २ अप्रेल २०१२

by | Apr 2, 2012 | 0 comments

शिक्षा

  • युपी के पीसीएस परीक्षा २००९ के परिणाम निकल गइल जवना में पूर्वांचल के अभ्यर्थियन के बहुते सफलता मिलल बा. बलिया से खंडवा गाँव के अजीत सिंह, उरैनी गाँव के दुर्गेश सिंह, नीरूपुर के जीतेन्द्र तिवारी, हालपुर के शुभा सिंह, आ मनियर गुदरी बाजार के जितेन्द्र कुमार शामिल बाड़े.
  • शिक्षा के अधिकार कानून का चलते छह से चौदह साल के बच्चन खातिर मुफ्त स्कूली शिक्षा जरूरी बन गइला से स्कूल छोड़े वाला बचवन का संख्या में बहुते गिरावट आइल बा खास कर के बिहार आ झारखंड में. ई बात केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्री कपिल सिब्बल कहलें.
  • अगिला साल से देश भर में स्कूल में नउवीं क्लास से लिहले कालेज ले व्यावसायिक पाठ्यक्रम शुरू कर दिहल जाई. एह योजना के तेरह अप्रेल के दिल्ली में होखे वाला शिक्षा सचिवन का बइठक में अंतिम रूप दिहल जाई.
  • निजी प्लेसमेंट एजेन्सियन के धोखाधड़ी आ गैरकानूनी काम रोक लगावे खातिर केन्द्र सरकार एगो त्रिपक्षीय समिति बनावे के प्रस्ताव रखले बिया.

उत्तर प्रदेश

  • समाजवादी पार्टी के विधायक बार बार अपना दबंगई खातिर खबरन में आवत बाड़े. अबकी बेर देवरिया के विधायक शाकिर अली रेल प्लेटफार्म पर आपन घोड़ा दउड़वले आ एकरा के जायजो ठहरावत कहले कि उनुकर समर्थक उनुका स्वागत में घोड़ा ले के आइल रहलें आ एहमें कवन गलती बा.
  • लोकमंच के नेता अमर सिंह अब राजनीति से उबिया गइल बाड़न आ अब बस अपना परिवारे के चिंता करीहें. पूछला पर कहलन कि मुलायमो त इहे करत बाड़न. अमर सिंह मिर्जापुर में विंध्याचल मंदिर आइल रहलें जहाँ पत्रकारन के सवाल का जवाब में ई बात कहलन.
  • डाक विभाग एह साल यूपी समेत देश के छह गो राज्य में अपना एक हजार चुनिन्दा डाकघरन में एटीएम मशीन लगवाई.
  • राष्ट्रीय स्वर्ण चतुर्भुज योजना में बनल चार लेन के गोरखपुर बाईपास रोड काल्हु अतवार से जनता खातिर खोल दिहल गइल. लोकार्पण केन्द्रीय मंत्री जितिन प्रसाद कुँअर आरपीएन सिंह आ योगी आदित्यनाथ का मौजूदगी में कइलें.
  • गाजीपुर के नोनहरा थाना के खोजापुर गाँव में शनिचर का रात कुछ लोग सूतल मरद मेहरारू पर तेजाब फेंक दिहल जवना से पति के अस्पताल ले जात में मौत हो गइल आ गंभीर रूप से झँउसल पत्नी के इलाज बनारस में करावल जा रहल बा. तेजाब के फेंकल भा काहें फेकल ई पता नइखे लागल.

बिहार

  • बिहार सरकार बड़हन पैमाना पर सड़क बनावे में लागल बिया. एह साल सड़क बनावे का काम पर छह हजार करोड़ रुपिया खरच करे के योजना बा.
  • सिवान जिला के दरौली में पीपा पुल से एगो बोलेरो पलट के सरयू में गिर गइल जवना से दू आदमी डूब गइले. बाकी लोग के बचा लिहल गइल. मरे वाला बलिया से आवत रहलें.

देश

  • गृह मंत्रालय राज्य सरकारन के निर्देश भेजले बा कि पुलिस में कम से कम एक तिहाई औरत होखल जरूरी रही आ साल २०२० ले एहमें के कमी पूरा कर लेबे के होई.
  • गोवा में आजु से पेट्रोल एगारह रुपिया सस्ता हो गइल बा. राज्य सरकार पेट्रोल पर से आपन टैक्स बहुते घटा दिहलसि जवना से ई कमी भइल बा.
  • उत्तराखण्ड में मुख्यमंत्री विजय बहुगुणा मंत्रिमण्डल के सदस्यन के बीच विभागन के बँटवारा कर दिहले.
  • रामनवमी के पर्व काल्हु देशभर में धार्मिक श्रद्धा उल्लास से मनावल गइल.
  • बहुते बूढ़ कांग्रेसी नेता एन के पी साल्वे के काल्हु लमहर बीमारी का बाद दिल्ली के एगो अस्पताल में निधन हो गइल.

दुनिया

  • रूस में एगो हवाई जहाज साइबेरिया में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा जवना चलते ओह पर सवार ४३ लोग में से नाहियो त सोलह लोग के मौत हो गइल बा.
  • म्यामां में विपक्षी नेशनल लीग फॉर डेमोक्रेसी के दावा बा कि आँग सान सू ची, संसद के निचले सदन के चुनाव जीत गइल बाड़ी बाकिर अबहीं एकर सरकारी पुष्टि नइखे भइल. साल १९९० के चुनाव में सू ची के पार्टी विशाल बहुमत से जीतल रहे जवना का बाद सेना तख्ता पलट के सू ची के पन्द्रह साल ले नजरबंद रखलसि. अब विश्व जनमत का दबाव पर विदेशी पर्यवेक्षकन का निगरानी में चुनाव करावल गइल रहे.
  • ग्रुप ऑफ फ्रेन्ड्स ऑफ द सीरियन पीपुल के सम्मेलन में संयुक्त राष्ट्र के शांति मिशन के समर्थन कइल गइल बा.

खेल

  • भारत के महिला पहलवान गीता लंदन ओलंपिक खातिर क्वालीफाई कर लिहली. ऊ कजाकिस्तान के अस्ताना में भइल एशियाई ओलंपिक क्वालीफाइंग टूर्नामेंट के ५५ किलो भार वर्ग में कोरिया के जी इयून युम के हराके स्वर्ण पदक जीतली. एहमें भारत के डेढ़ दर्जन महिला पहलवान शामिल भइल रही.
  • भारत के लिएंडर पेस आ चेक गणराज्य के रादेक स्टेपानेक के जोड़ी मियामी मास्टर्स टेनिस टूर्नामेंट के पुरुष डबल्स के खिताब जीत लिहलसि.

बिजनेस

  • भारत आ संयुक्त अरब अमीरात सीमा शुल्क समझौता पर हस्ताक्षर कर दिहले जवना से दुनु देश के बीच ब्यापार सहयोग बढ़ी आ सीमा शुल्क चोरी पर लगाम लागी.
  • काल्हु अतवार का दिन से टेलीफोन, रेस्तरां में खाना, कोरियर, क्रेडिट कार्ड समेत सगरी सेवा अउरी महँग हो गइल काहे कि अब साढ़े बारह फीसदी का दर से सेवा कर लागे लागल बा.
  • काल्हुवे से मोटरो बीमा के दर बहुते बढ़ गइल बा. एह में छह से ले के चालीस फीसदी ले बढ़ोतरी भइल बा.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up