टटका खबर, सोमार, ५ मार्च २०१२

by | Mar 6, 2012 | 0 comments

उत्तर प्रदेश

  • मंगल छह मार्च के मतगणना होखे वाला बा. चुनाव बाद के एक्जिट पोल का चलते बुझात नइखे के जीते वाला बा आ केकरा बाजा बाजी. अबहीं त सभे जीते के दावा करत बा आ कहत बा कि ना त समर्थन लेब ना देब. बाकिर काल्हु चुनाव परिणाम सोझा अवला का बाद का होई कुछ कहल ना जा सके.
  • टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल आजु दिग्विजय सिंह से कहलन कि राहुल गाँधी के चुनाव दौरा के हिसाब जनता का सोझा राखल जाव आ ई धन कहाँ से आइल उहो बतावल जाव. याद दिअवलन कि अन्ना के आंदोलन का समय इहे दिग्विजय आन्दोलन के हिसाब मँगले रहले त चौबीस घंटा का भितर हिसाब जनता का सोझा राख दिहल गइल रहे. ओने दिग्विजय सिंह के कहना बा कि हिसाब त चुनाव आयोग के भेजले जाला आ समय रहते भेज दिहल जाई.
  • बिहार के जमालपुर भागलपुर रेलखंड में पाहम हॉल्ट का लगे फरक्का एक्सप्रेस का चपेटा में पड़ि के एगो सैप जवना के मौत हो गइल. सैप के ई जवान बलिया के रहे वाला रामजी यादव बतावल जात बा.

बिहार

  • छपरा शहर में जेपी विश्वविद्यालय का लगे सहकारिता बैंक के सुरक्षा गार्ड से पचीस लाख रुपिया दिन दहाड़े लूट लिहल गइल आ लूटेरा फरार हो गइलन स. गार्ड रुपिया ले के दोसरा बैंक में जमा करावे जात रहुवे. पुलिस मामिला के तहकीकात में लागल बिया.
  • बेतिया के अहवर मझरिया में पुलिस ट्रेनिंग कालेज आ कांस्टेबल काऊंसलिंग सेन्टर खोलल जाई.
  • राज्य के पांच गो आईपीएस अधिकारियन पर कार्रवाई करे खातिर केन्द्र सरकार के सिफारिश भेजले बिया बिहार सरकार. एह लोग पर आदेश के उल्टा काम करे के आरोप बावे. कुअ अउरी अधिकारियनो का खिलाफ जाँच जारी बा.

देश

  • केन्द्रीय मंत्रिमंडल के अधिकार प्राप्त मंत्री-समूह आजु फोर-जी दूरसंचार सेवा प्रदान करे खातिर सात सौ मेगाहर्ट्‌ज स्पेक्ट्रम आबंटित करे के फैसला कइलसि. एकरा के नीलामी कर के बाँटल जाई.
  • बंगलौर विशेष लोकायुक्त अदालत भूमि अधिग्रहण अधिसूचना रद्द करे का दू गो मामिला में कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल बी. एस. येदियुरप्पा का खिलाफ गैर-जमानती वारंट जारी कइले बिया. उनुका साथ ही उनुका दू गो बेटा. दामाद आ मंत्री रहल कृष्णैया शेट्टीओ का खिलाफ गैर-जमानती वारंट जारी भइल बा.
  • दिल्ली के एगो विशेष सीबीआई अदालत फर्जी रक्षा सौदे प्रभावित करे खातिर रिश्वत लेबे आ आपराधिक साजिश रचे का आरोप में समता पार्टी के तवना घरी अध्यक्ष रहल जया जेटली आ दू गो अउरी लोग पर आरोप तय कर दिहलसि. एह लोग के एगो स्टिंग आपरेशन कर के फँसावल गइल रहे.
  • उत्तर भारत में आज दुपहरिया मे भूकम्प के एगो हल्का झटका महसूस कइल गइल जवना से कवनो जानमाल के नुकसान के खबर नइखे.

दुनिया

  • रूस के राष्ट्रपति चुनाव में व्लादिमीर पुतिन विजयी हो गइलन. ऊ एहसे पहिले आठ साल ले रूस के राष्ट्रपति आ चार साल ले प्रधानमंत्री रह चुकल बाड़े.

खेल

  • ऑस्ट्रेलिया आ श्रीलंका के बीच बेस्ट ऑफ थ्री फाइनल्स के दुसरका मैच मंगल का दिने एडिलेड में खेलल जाई. पहिला फाइनल आस्ट्रेलिया जीत चुकल बा.
  • लंदन में मंगल से शुरू होखत ऑल इंग्लैंड बैडमिंटन चैंपियनशिप में भारत के सायना नेहवाल के आसान ड्रॉ मिलल बतावल जात बा.

बिजनेस

  • एह साल देश में चावल, गेहूं आ कपास के अब तकले के सबले बेसी उत्पादन होखे के बात कृषि मंत्रालय कहले बा.
  • दिल्ली में आजु रात से सी॓नजी के दाम में १ रुपिया ७० पैसा प्रति किलो पर बढ़ोतरी हो जाई. नोएडा में १ रुपिया ९० पैसा बढ़ जाई.
  • भारतीय रिजर्व बैंक देश में वित्तीय सेवा के पसार खातिर सगरी बैंकन के अपना अधिकृत बिजनेस कॉरेसपोन्डैन्ट्स भा कवनो दोसरा प्रतिनिधि का मार्फत बैंक सेवा कारोबार चलावे के अनुमति दे दिहलसि.
  • आजु मुंबई शेयर बाजार के सेंसेक्स २७४ अंक गिर गइल एकरा के चुनाव परिणाम से पहिले मुनाफा वसूली के परिणाम बतावल जात बा.
  • रुपया डालर के मुकाबले ३४ पैसे कमजोर पड़ गइल आ सोना ७५ रुपिया महँग हो गइल. चांदी के दाम में कवनो अंतर ना पड़ल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up