रालोद नेता अजीत चौधरी एह बात के सकरले बाड़न कि उनुका दामाद विक्रमादित्य चौधरी से गलती भइल बा. अजीत चौधरी के दामाद सैनिक इस्तेमाल में आ सके वाला सामान इरान के बेचे का आरोप में नजरब्द कर दिहल गइल बाड़न. अजीत चौधरी इहो कहलन कि एह मामिला से उनुकर आपन कवनो संबंध नइखे. दामाद के बिजनेस ह टेलीकाम उपकरण बेचे के आ उनुका मालूम ना रहुवे कि इरान से एंड यूजर करार करावल जरुरी रहे. इहो कहलन कि ई कवनो बड़ बाति नइखे भइल.
0 Comments